टटका खबर, सोमार, 12 अप्रैल 2021

by | Apr 12, 2021 | 0 comments

वरिष्ठ साहित्यकार नरेंद्र कोहली कोरोना छूताह भइला का बाद दिल्ली के सेंट स्टीफन अस्पताल में भर्ती करावल गइल बाड़ें. 81 बरीस के नरेन्द्र कोहली होल ही में भइल एगो संघ कार्यक्रम में शामिल भइल रहलें. ओही कार्यक्रम में संघचालक मोहन भागवतो कोरोना छूताह भइल रहलें. कोहली के हालत गंभीर बा आ उनुका के वोंटिलेटर पर राखल गइल बा.

जम्मू- कश्मीर के शोपियां जिला में सुरक्षाबल आ आतंकवादियन के मुठभेड़न में पिछला दू दिन में आठ गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल बा.

देवरिया से मां विंध्यवासिनी दर्शन करे जात लोग के कार आजमगढ़ का जीयनपुर इलाका के केशवपुर जंगल का लगे बेकाबू हो के एगो गाछ से जा टकराइल आ एह हादसा में तीन जने के ठाँवे पर मौत हो गइल. सुनसान रास्ता का चलते एह हादसा के जानकारी होखे में देर लागल आ समय से ओह लोग के सहायता ना मिल सकल.

पश्चिम बंगाल में अतवार का दिने एगो चुनाव सभा केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह कूचबिहार जिला के शीतलकुची में भइल फसाद के जिम्मेवार ममता बनर्जी के बतवलन आ कहलन कि ममता के एह फसाद के नैतिक जिम्मेदारी लेबे के चाहीं. एगो दोसर खबर बा का मुसलमानन के एगो राजनीतिक गोल ऑल इंडिया मजलिस-ए-इत्तेहाद-उल मुस्लिमीन के पश्चिम बंगाल प्रदेश अध्यक्ष आ विधायक अख्तरुल ईमान किशनगंज के नगर थानाध्यक्ष अश्वनी कुमार हत्याकांड के अपराधियन का माथ पर ममता बनर्जी सरकार के हाथ होखे के बात कहलन.

कोरोना के पसार आ प्रहार देखत देश के कई राज्यन में स्कूल कॉालेजन के बंद करे के आदेश दीहल गइल बा. यूपी में 12 वीं कक्षा तक के सगरी सरकारी आ निजी स्कूलन के 30 अप्रैल ले बंद राखे के आदेश जारी भइल बा.

कांग्रेस के छात्र इकाई एनएसयूआई अतवार का दिने वाराणसी के सम्पूर्णानन्द संस्कृत विश्वविद्यालय छात्र संघ चुनाव में चारों मुख्य पद जील लिहलसि. एह चुनाव में विद्यार्थी परिषद के खातो ना खुलल.

सारण जिला के मशरक इलाका में शनीचर का राते पानापुर इलाका के एगो चौकीदार के हत्या धारदार हथियार से कइला का बाद उनुकर मुँहो ईँचा से कूच दिहले सँ अपराधी. 48 बरीस उमिर के ई चौकीदार अपना ससुरारी सपही गांव से मोटरसाइकिल से पानापुर थाना जात रहलें जब मशरक इलाका के डुमरसन बंगरा गांव के कोंहार टोली का लगे उनुकर हत्या क दीहल गइल.

कौशाम्बी जिले के पूरामुफ्ती इलाका में शनीचर का सँझिया भइल झगड़ा में एगो नवही के ओकर पड़ोसी लाठी से पीटत जान ले लिहले सँ.

छपरा के बड़की तेलपा मुहल्ला में नमामि गंगा योजना का तहत नाला बनावे के काम का दौरान माटी गिरला से ओकरा नीचे दबा गइला से एगो मजदूर के मौत हो गइल आ दुसरका के गंभीर हालत के इलात सदर अस्पताल में हो रहल बा.

बक्सर जिला के इटाढ़ी इलाका में बिझौरा पंचायत के करमी गांव का एगो खरिहान आ कुछ घरन में आग लगला से अपना ममहर आइल दू गो लइकन के मौत हो गइल आ लाखन रुपिया के संपति राख हो गइल.

आजमगढ़ जिला के महाराजगंज इलाका के एगो गाँव में लागल आद से करीब 70 गो झोपड़ी राख हो गइली स आ एह हादसा में एगो मँड़ई में दू गो लइकन के जरला से मौत हो गइल.

वाराणसी में पिंडरा इलाका के इंदरपुर ग्राम प्रधान उम्मीदवार को गोली मार के हत्या हो गइला का चलते एहिजा के चुनाव टार दीहल गइल बा. प्रधान के हत्या शनीचर रात बड़ागांव इलाका के सैरा गांव में कइल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up