टटका खबर, 1 सितम्बर 2020, मंगल के

by | Sep 2, 2020 | 0 comments

गोरखपुर के बाल चिकित्सक डॉ कफील खान के इलाहाबाद उच्च न्यायालय रिहा कर दिहलसि. अदालत के कहना बा कि अलीगढ़ मुस्लिम निश्वविद्यालत का सामने जवना भाषण का चलते कफील पर रासुका लगावल गइल ऊ भाषण त एकता आ सद्भाव फैलावे वाला रहुवे. ओह भाषण का चलते खान पर रासुका लगावल गलत रहुवे.
बाद में मंगल बुध के अधरतिया में कफील के जेल से छोड़ दीहल गइल.

राष्ट्रपति रहल भारत रत्न प्रणव मुखर्जी के अन्तिम संस्कार मंगल का दिने दिल्ली के लोधी रोड श्मशाव घात पर राजकीय सम्मान का साथे कर दीहल गइल. चूंकि उनुका के कोरोना संक्रमण भइल रहिवे एहसे पूरा सावधानी राखल गइल एह मौका पर.

सोमार के तेज गिरावट से उबरत शेयर बाजार मंगल का दिने फेरु उपर चढ़ल शुरु कर दिहलसि. मंगल का दिने सेंसेक्स में 272 अंक आ निफ्टी-50 में 83 अंक के बढ़त का साथे बाजार बन्द भइल. आजुओ तेजी बरकरार रहे के उमेद कइल जा सकेला बाकिर मंगल के दैनिक चार्ट पर बनल डोजी आ इनसाइड बार देखत बिकवालो आपन जोर लगावे से बाकी ना रहीहें. डोजी उहापोह के संकेत होला. आजु के बाजार देखला का बादे एह उहापोह से मुक्ति मिल पाई.

लॉकडाउन-4 का तहत यूपी सरकार एलान कइलसि कि अब बाजार अतवार का दिने बंद रहल करी आ बाकी दिन सबेरे नौ बजे से राति नौ बजे ले खुलल करी. पहिले शनिचरो के बन्द राखल जात रहुवे.

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के मनमाफिक रहल राजस्व अधिकारी आ पटना नगर निगम के आयुक्त रहल अनुपम कुमार अब केजरीवाल के आआपा का तर्ज पर बनल बिहार में बहुवाची गोल प्लूरल्स पार्टी के सरकार बनवा के राजग के चुनौती देबे के एलान कइले बाड़न. बतइहें कि सरकार कइसे चलावल जाला.

सीवान जिला के गुठनी इलाका का जतौर में स्टेट बैंक के ग्राहक सेवा केन्द्र के एगो कर्मचारी के गोली मार के करीब पौने छह लाख रुपिया लूट लीहल गइल. ऊ बैंक से रुपिया निकाल के ग्राहक सेवा केन्द्र जात रहलें जब टेकनिया गाँव के लगे उनुका के लूट लीहल गइल.

चुनाव देखत बिहार मे छरपा-छरपी के खेल चाली बा. मंगल का दिने एगो अउर राजद विधायक छरप के जदयू में शामिल हो गइल.

जौनपुर के केराकत इलाका के पुलिस शराब तस्कर संतोष आ चन्दन के करीब डैढ़ करोड़ के संपति कुर्क कर लिहलसि.

सारण जिला का मखदुमपुर गाँव के एगो औरत पारिवारिक कलह से आजिज आ के गाँव के इनार में कूद के आपन जान दे दिहलसि.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के धनगढ़वा गाँव के एगो आठ बरीस के लइकी नदी में नहात घरी गहीर पानी में चलि गइल आ डूब गइल.

सोनभद्र जिला के करमा इलाका में कार सवार दू गो तस्करन से करीब पौने दू कुंतल गाँजा बरामद भइला का बाद पुलिस ओहनी के गिरफ्तार कर लिहलसि.

बक्सर जिला के चक्की चौकी इलाका में अपराधी गैस एजेन्सी के कर्मचारी से सवा दू लाख रुपिया लूट लिहलें.

गोंडा जिला के उमरीगंज इलाका के सरासपट्टी सझवार गाँव के एगो नवही के लाश घाघरा नदी में उपराइल मिलल. ऊ एगो हत्या मामिला में गवाह रहुवे आ अतवार का राचि अपना खेत में रखवारी करे गइल रहुवे आ ओकरा बाद से लापता रहूवे.

देवरिया के बघौचघाट इलाका के रामपुर मड़ुआबारी गाँव के एगो आदमी के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल. ऊ एगो प्राइवेट कंपनी में गार्ड रहुवे बाकिर एने छह महीना से गाँवही रहत रहुवे. सोमार राति ओकरा मोबाइल पर फोन अइला का बाद ऊ अपना मेहरारु से कुछ देर में आवे के कहि के निकलल रहुवे. बाद में एगो कटरा से ओकर लाश बरामद भइल.

गोंडा जिला के उमरीबेगम इलाका के बरौली गाँव के लइका गाट चरावे गइल रहलें. झन्ना नदी में जब ई लइका डूबत मिललें त हल्ला सुनि के चार गो के त बचा लीहल गइल बाकिर एगो लइका डूबिए गइल.

सारण जिला के माला गाँव का एगो गड़हा में तीन दिन से गायब एगो आदमी के लाश मंगल का दिने बरामद भइल. दोसरा खबर में दिघवारा इलाका के सैदपुर गाँव के एगो आदमी बाढ़ के पानी में डूबे लागल त लोग ओकरा के निकाल के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र ले गइलें जहाँ ओकरा के मरल बतावल गइल. एही सरह के तिसरका खबर में बा कि दरियापुर इलाका के कोचवाड़ी गाँव के एगो लइकी बाढ़ का पानी में डूब गइल.

सारण जिला के गौरा चौकी का लगे सतरघाट रोड पर हड्डी फैक्टरी का नियरा ट्रक से कचरा के एगो बूढ़ के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up