टटका खबर, 22 अक्टूबर 2017, अतवार

by | Oct 22, 2017 | 0 comments

बंगला देश के ढाका में हो रहल एशिया कप हॉकी टूर्नामेंट के मैच में भारत के टीम पाकिस्तान के चार गोल से हरा दिहलें. पाकिस्तान एकहू गोल ना कर पवलसि. अब मलेशिया आ कोरिया का बीच होखे वाला सेमीफाइनल जीते वाली टीम से भारत के मुकाबला फाइनल मैच में होखी.

गाजीपुर में काल्हु एगो पत्रकार आ संघ कार्यकर्ता राजोश मिश्र के गोली मार के खून क दीहल गइल. राजेश मिश्रा अपना दुकान में बइठल रहन जब मोटरासाइकिल से आइल तीन गो बदमाश उनुका प गोली झोंक गहले सँ. एह हमला में घवाहिल राजोश मिश्रा के भाई के गम्हीराह हालत में बनारस का एगो अस्पताल में इलाज खातिर भरती करावल गइल बा.

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा फगुआ से पहिले करा लीहल जाई. बोर्ड एलान कइलसि कि 21 फरवरी से 28 फरवरी ले दू पाली में सगरी इम्तिहाल करा लीहल जाई.

अफवाहन प धेयान मत दीं. रिजर्व बैंक साफ कह दिहलसि कि बैंक खाता के आधार नम्बर से जोड़ल जरुरी बा. एने हवा उटल रहुवे कि रिजर्व बैंक का तरफ से अइसन कवनो निर्देश जारी नइखे भइल कि खाता के आधार से जोड़ल जरुरी बा जवना का बाद रिजर्व बैंक बाकायदा सूचना जारी क दिहलसि.

एह सरकार से सबले अधिका परेशानी टेक्स चोरन के बा. देश के माहौल बिगाड़े में ई लोग पूरा ताकत लगा दिहले बा. अइसने टैक्स चोरी करे वाला एगो समूह हवे प्रोफेशनल के जे फीस त जम के लेलें बाकि ओकर रसीद देबे में आनाकानी करेलें. अब इन्कम टैक्स विभाग एह लोग प धेयान देबे के शुरुआत क दिहलै बावे. समय रहते चेत जाईं सभे. काहें कि सरकार के मानना बा कि गेहूं पीसाव त पिसाव, कवनो घुन बाचे के ना चाहीं.

बिहार में सिपाही बहाली खातिर होखे वाला लिखित परीक्षा आजु अतवार का दिने करावल जा रहल बा. इम्तिहान एक पाली में होखी.

बिहार सरकार बिहार के मेडिकल कॉलेजन में इमरजेन्सी के बेड बढ़ावे के फैसला कइले बिया. पीएमचीएच में 100 बढ़ावत गइल बा, आईजीआईएमएस में 50 बेड आ एनएमसीएच में 50 बेड बढ़ावल जाई. एही तरह सगरी मेडिकल क़लेज अस्पतालन में इमरजेन्सी सेवा के विस्तार कइल जाई.

अबहीं एक महीना पहिलहीं जेल से निकल के आइल बदमाश रमेश गोप उर्फ छोटा मक्खन के गैंगवार में गोलियन से भूंज दीहले सँ विरोधी. काल्हु शनिचर के दुपहरिया में ऊ अपना मेहरारू से भेंट करे अपना ससुराली गइल रहुवे. रामजीसक के रवि गोप प ई खून करे के अछरंग लगावल जात बा.

अफगानिस्तान के काबुल में काल्हु शनिचर का दिने इस्लामी आतंकियन के कइल एगो फिदायिन हमला में 15 गो अफगानी सैनिकन के मौत हो गइल. ई सैनिक मिलिटरी अकादमी से एगो मिनी बस से अपना बेस प जात रहलें जब ई हमला हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up