टटका खबर, 23 अक्टूबर 2017, सोमार

by | Oct 23, 2017 | 0 comments

जापान में काल्हु भइल संसदीय चुनाव मे प्रधान मंत्री शिंजो एबे के नेतृत्व वाला सत्ताधारी गठबन्धन के टिकाऊ सरकार बनावे जोक बहुमत मिल गइल बा आ अब जापानी संसद के हर समिति के अध्यक्षता एही गठबन्धन के मिल जाई. जापान के इतिहास में सबसे बेसी दिन ले प्रधानमंत्री रहे वाला शंजो एबे तिसरका बेर प्रधानमंत्री बनीहें. 2012 में ऊ पहिला बेर प्रधानमंत्री बनल रहलें. शंजो एबे अब जापान के संविधान में बदलाव करे के आपन पुरान सपना पूरा कर सकीहें. जापानी संविधान में युद्ध से साफ मनाही के प्रावधान बा. मौजूदा हालात में जापानी सेना अपना के सुरक्षा के मकसद से काम करे वाली बतावेले बाकि अब हालात बदल जाई आ जरुरत पड़ले प जापान अपना दुश्मन देश प हमला कर सकी.

देश भर के करीब चार सौ आईटीआईयन के मान्यता केन्द्र सरकार खतम कर दिहलसि काहे कि एह संस्थानन में बुनियादी सुविधन के कमी रहुवे. अब राज्य सरकारन प दबाव बढ़ी कि ऊ एह संस्थानन में सुविधा बढ़ावे.

कैमूर जिला के मोहनिया चौक का लगे आजु भइल सड़क हादसा में एगो नवही के मौत हो गइल. सारण जिला के परसा मतेर सड़क प एगो आटो पलटी मार दिहलसि आ एह हादसा में एक जने के मौत हो गइल आ करीब आधा दर्जन लोग घाहिल हो गइल. सारणे जिला के जलाल गाँव में काल्हु नहात घरी माही नदी में डूबला से दू गो बचवन के मौत हो गइल. ओने सिवान जिला के रामपाली गाँव में जमीन के झगड़ा ले के एक आदमी के खून क दीहल गइल. एह मामिला में दू जने के गिरफ्तार कइले बिया सिवान पुलिस.

जदयू छोड़ला का बाद आपन राज्यसभा सांसदी बचावे के मकसद से शरद पवार एगो नया टीम बनावे के एलान कइले बाड़न. बाकिर जदयू के कहना बा कि पहिले त ई बतावसु शरद यादव कि ऊ बाड़न कवना दल में. उमीद बा कि 30 अक्टूबर का पहिले शरद यादव के सदस्यता का मामिला प फैसला आ जाई.

यूपी में अगिला साल से नकल रोके खातिर होमसेन्टर सिस्टम बन्द क दीहल जाई. हँ लड़िकियन के परेशानी देखत ओहनी ला होम सेन्टर दीहल जा सकेला.

नेपाल में होखे जात संसदीय आ विधायी चुनावन ला परचा दाखिल करे के काम काल्हु से शुरू हो गइल बा. पहिला दौर के वोटिंग 26 नवमबर के होखी जवना में 37 गो संसदीय सीट आ 74 गो विधायी सीट क फैसला हो जाई.

ढाका में भइल एशिया कप हॉकी टूर्नामेंट के फाइनल मैच में मलेशिया के 2-1 से हरो के भारत चैम्पियनशिप जीत लिहलसि. ओने मुंबई में न्यूजीलैण्ड का साथ होखत पहिलका एकदिना क्रिकेट मैच में भारत अपना पारी में 8 विकेट गवाँ के 280 रह बनवलसि. जवना का जवाब में न्यूजीलैण्ड महज 6 विकेट गँवा के 281 रन बना के मैच जीत लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up