टटका खबर, 25 फरवरी 2018, अतवार

by | Feb 25, 2018 | 0 comments


(वार्ता).
कर्नाटक, आ पूर्वोत्तर राज्यन में कांग्रेस के हारल तय बतवलन पीएम मोदी
पुड्डुचेरी में एगो रैली के संबोधीत करत पीएम मोदी कहलन कि कर्नाटक आ पूर्वोत्तर का राज्य विधानसभा चुनावन में भारतीय जनता पार्टी के जीत तय बा आ कांग्रेस के एकमात्र सरकार पुड्डुचेरीए के रही जाई. पता ना का सोच के मौदी पंजाब में अमरिन्दर सिंह वाली कांग्रेस सरकार के नाम ना लिहलन. कहीं ई कवनो राजनीतिक संकेत त ना कइलन.
प्रधानमंत्री कहलन कि जून के बाद दक्षिण में एह गोल के एकही सरकार रहि जाई पुड्डुचेरी में के वी नारायणसामी के.
पीएम मोदी कहलन कि प्रधानमंत्री जवाहर लाल नेहरू 17 बरीस रात कइलन, उनुकर बेटी इंदिरा गांधी 14 साल. फेरु इंदिरा गांधी के बेटा राजीव गांधी पांच बरीस प्रधानमंत्री रहलन. साल 2004 से 2014 ले देश में ‘रिमोट कंट्रोल’ राज चलल एह तरह एके परिवार के रात देश पर 48 बरीस चलल. ओह 48 बरीस राज करे बाला लोग आजुकाल्हु उनुका 48 महीन के सरकार के हिसाब माँगत बा. लोग के खुद 48 बरीसा राज के तुलना 48 महीना के राज से करे के चाहीं.


भदोही में हाथ के नस कटला का चलते शराबी के मौत
भदोही के शहर कोतवाली इलाका के हरियांव गांव के ममता सिंह के 27 बरीस के बेटा राजन टेम्पो चलावत रहे. अपना दोस्तन का साथे शराब पियला का बाद नशा का झोंक में ऊ दूकानदारन से गाली-गलौज करे लागल. ओही झोंक में ऊ इंदिरा मिल का नियरा जावेद डेंटल क्लीनिक में पहुंचल आ शीशा के केबिन हाथ से मार के तूड़ दिहलसि. एही में ओकरा हाथ के नस कट गइल आ ऊ एने ओने दउड़े लागल. अधिका खून बह गइला का चलते ओकर मौत हो गइल. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.


गाजीपुर में अपना माशूका पर टाँगी चला दिहलसि आशिक
गाजीपुर के बिरनो इलाका में मरदह इलाका के बोगना गांव के इंद्रावती का घरे जा के ओकर आशिक रामप्यारे शराब खातिर रुपिया मांगे लागल. इंद्रावती ना दिहली त ऊ घरे में राखल टांगी चला दिहलसि ओकरा पर आ भाग निकलल.


गोरखपुर में ट्रेन का सोझा कूद के जान दिहलसि एगो औरत
गोरखपुर के सहजनवा इलाका के गाहासांड में एगो औरत तेजी से आवत ट्रेन का सोझा कूद के जान दे दिहलसि, ओकर पहचान अबहीं नइखे भइल.


गोरखपुर में चाकू से नवही के खून
गोरखपुर के उरूवा इलाका के धुरिपार गांव के 30 बरीस के एगो नवही अब्दुल्ला का घरे आ के कुछ लोग छूरा भोंक भोंक के ओकरा के घवाहिल कर दिहलसि. घवाहिल अब्दुल्ला के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में भरती करावल गइल बाकिर ओकरा के बचावल ना जा सकल. खून काहे भइल से पता नइखे लागल. पुलिस अनाम लोग का खिलाफ केस लिखि के ओहनी के पकड़े में लागल बिया.


जौनपुर में वाहन चोर गिरोह के चार गो बदमाश धरइलें
अपर पुलिस अधीक्षक (नगर) डॉ0 अनिल कुमार पाण्डेय आजु जानकारी दिहलें कि जौनपुर के सिकरारा इलाका में काल्हु राति गश्त करत घरी मुखबिर के सूचना पर पुलिस बरगुदर पुल का लगे घेराबन्दी क के मोटरसाइकिलन पर सवार चार गो बदमाशन के गिरफ्तार कर लिहलसि. ई बदमाश – मुकेश, मो़ इमरान, काशी मोदनवाल, आ राम आसरे तिवारी – बतवले सँ कि एहनीके धंधा रहल मोटरसाइकिल चोरा के बेच दीहल. एहनी का लगे से चार गो तमंचे, कारतूस, आ आठ गो मोटरसाइकिल बरामद भइल बा. गश्ती दल के पुलिस अधीक्षक के के चौधरी पांच हजार रूपिया इनाम दिहलें.


सोनभद्र में ट्रक का चपेटा में आके एगो लड़िका के मौत
सोनभद्र के शक्तिनगर इलाका में खड़िया बाजार के 12 बरीस के एगो लड़िका आदित्य वल्द संजय कुछ काम से घर से निकलल रहुवे. सड़क पार करत घरी एगो तेज रफ्तार ट्रक ओकरा के कचार दिहलसि. हादसा का बाद चालक ट्रक छोड़के फरार हो गइल. खीसियाइल लोग एकरा बाद सड़क जाम कर दिहलें. पुलिस समुझा बुझा के जाम हटवा दिहलसि.


जौनपुर में तीन गो पशु चोर गिरफ्तार
अपर पुलिस अधीक्षक (नगर) डा0 अनिल पाण्डेय आजु जानकारी दिहलें कि अपराधियन का खिलाफ धरापकड़ी अभियान का तहत अपर पुलिस अधीक्षक (देहात) संजय राय का निर्देशन में पंवारा थानाध्यक्ष बालेन्द्र यादव पुलिस बल के साथे बंधवा रोड खरूआवा तिराहा का लगे से पशु चोरी करे वाला गिरोह के तीन गो गुर्गन – सद्दाम, अकबर, आ बबलू – के गिरफ्तार क लिहलें. एहनी का लगे से तमंचा, कुछ कारतूस, चोरावल पशुवन के बिक्री से मिलल 16 हजार 980 रूपिया आ पशु चोरी में इस्तेमाल कइल जात वाहन बरामद कइलसि.


सारण में एक किशोरी का शव बरामद
सारण जिला के बनियापुर इलाका के सतुआ गांव के इनार से आजु पुलिस जलालपुर इलाका के रामनगर चौखरा गांव के गंगा राय के 12 बरीस के बेटी आरती कुमारी के लाश बरामद कइलसि. एगो शादी में ऊ अपना मौसी किहाँ आइल रहल.


दहेज खातिर महिला के हत्या
पश्चिम चंपारण जिला के नौतन थाना इलाका के क्षेत्र के चुरीहरवा टोला में दहेज खातिर एगो औरत के जहर खिआ के मार देबे के आरोप ससुरालियन पर लगावल गइल बा. चुरीहरवा टोला के सुकट हवारी के बेटा रिजवान हवारी के निकाह मैनाटांड़ इलाका के मोहम्मद होदा हवारी के बाटी खुशबूनिशां का साथे साल 2013 में भइल रहल. नइहर के लोगन के आरोप बा किओकरा बादे से ससुराल वाले मोटरसाइकिल ला ओकरा साथे अत्याचार करत रहलें. आ आखिर में ओकरा के जहर खिया के मार दिहलें. पति रिजवान आ सास नूरजहां खातून का खिलाफ प्राथमिकी लिखावल गइल बा आ दुनु फरार बाड़ें.


गोंडा में मोटरसाइकिल पुल से नीचे गिरल, दू जने के मौत
गोंडा जिला के बेगमगंज के पुनीत (22), अंकित (20), आ महेश एके मोटरसाइकिल से कवनो कार्यक्रम में शामिल होखा जात रहलें जब सिसई चौराहा का लगे ओह लोग के मौटरसाइकिल बेकाबू हो के पुल से नीचे गिर गइल. पुनीत आ अंकित के ओहिजे हो गइले आ घवाहिल महेश के एगो निजी अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ से उनुका के लखनऊ रेफर क दिहलें डॉक्टर. बाद में ओहिजा के लोग पुलिया के मरम्मत करावे के माँग ले के कुछ देर ला सड़क जाम कइल.


गाजीपुर में टैम्पो-ट्रक के टक्कर में दू जने के मौत
गाजीपुर शहर कोतवाली इलाका में आजु भइल टैम्पों आ ट्रक के टक्कर में लंका निवासी टैम्पो चालक राजेन्द्र (40) आ एगो सवारी के मौत हो गइल जबकि चार जने घवाहिल हो गइलें. सबेरे सवारी लेके नंदगंज जात टैम्पो के कुसुम्हीकला गांव का लगे सामने से आवत ट्रक से धक्का लाग गइल. एह हादसा का बाद दू घंटा ले आवाजाही थथम गइल.


दीवार गिरला से मजदूर के मौत
रोहतास जिला के कोचस इलाका के लहेरी गांव में कल शनिचर देर राति मिनी राईस मिल के दीवार गिरला से ओहिजा काम करत एगो मजदूर के मौत हो गइल आ तीन गो घवाहिल हो गइलें. मरे वाला मजदूर रूपीबांध गांव के कामेश्वर पासवान (52) रहलें. घाहिलन के बेहतर इलाज ला बनारस भेजल गइल बा.


कुचायकोट में नवही के लाश मिलल
गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के बलथरीकुर्मी टोला का लगे एगो खेत से करमइनी गांव के 22 बरीस के नवही ऋषु कुमार के लाश बरामद भइल बा. पिछला 13 फरवरी के ओकरा के किडनैप क लिहले रहले सँ बदमाश.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up