टटका खबर, 27 फरवरी 2018, मंगल

by | Feb 28, 2018 | 0 comments


अयोध्या में राम मंदिर बनावे के कोशिश सही दिशा में : श्री श्री रविशंकर

वाराणसी, 27 फरवरी (वार्ता). अयोध्या में श्रीराम मंदिर-बाबरी मस्जिद विवाद आपसी बातचीत से सुलझावे में लागल श्री श्री रविशंकर आजु कहलन कि मंदिर बनावे के कोशिश सही दिशा में चल रहल बा आ आवे वाला समय में एकर बेहतर परिणाम सामने आई.
आजु वाराणसी में आयोजित संत समागम में मुस्लिम आ ईसाई धर्म गुरुवन के ना शामिल होखला से बेपरवाह आर्ट ऑफ लिविंग के संस्थापक श्री श्री रविशंकर कहलन कि विवाद सुलझावे खातिर ऊ छह महीना से लागल बाड़ें आ एकर बढ़िया परिणाम लउकत बा. उमीद बा कि आपसी सौहार्द्र कायम राखत सभका राय से सर्वमान्य फैसला हो जाई.
संत समागम के बाद अपना एक हजार से अधिका अनुआयियन का साथे विशेष ट्रेन से श्री श्री रविशंकर लखनऊ तक के “अनुग्रह यात्रा” पर रवाना हो गइलें. ई विशेष यात्रा काल्हु लखनऊ चहुँपे के उमेद बा.
गोरखपुर से वार्ता के खबर बा कि श्री श्री रविशंकर आजु उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से अकेले में एक घंटा मुलाकात कइलन. ओह बातचीत का बेरा केहू दोसर मौजूद ना रहुवे.


बेटा-बहू को घर से बेदखल करावे ला महतारी चहुँपली हाई कोर्ट
इलाहाबाद, 27 फरवरी (वार्ता) सनातन नगर कालोनी वाराणसी के कंचन देवी अपने बेटन पतोहुवन के घर से बेदखल करावे के मांग लेके इलाहाबाद उच्च न्यायालय में गोहार लगवले बाड़ी. एह मामिला में उच्च न्यायालय जिलाधिकारी वाराणसी से कहले बावे कि कैंट पुलिस के करावल जबरन समझौता के जांच क के रिपोर्ट पेश करसु. बेटा आ बहू के नोटीस जारी क के 20 मार्च के अदालत में बोलावल गइल बा.


विधानसभा में राजद के हंगामा का चलते प्रश्नकाल ना चलल
मुजफ्फरपुर में 24 फरवरी का दिने एगो भाजपा नेता का कार से कचराइल लड़िकन का मामिला में ओह भाजपा नेता मनोज बैठा के गिरफ्तारी के मांग करत राजद विधालसभा में हंगामा मचवलसि जवना चलते सभा के कार्यवाही दू बजे दिन ले टारे के पड़ गइल.


के.एस.द्विवेदी बनावल गइलें बिहार के नयका पुलिस महानिदेशक
पटना 27 फरवरी (वार्ता). भारतीय पुलिस सेवा (आईपीएस) के साल 1984 बैच के अधिकारी के.एस. द्विवेदी के बिहार के नयका पुलिस महानिदेशक (डीजीपी) बनावल गइल बा. ऊ रुटायर हो रहल पुलिस महानिदेशक पी.के.ठाकुर के जगह लीहें. बतावल जात बा कि उनुका से सीनियर दू गो आईपीएस – राजेश रंजन आ एसके सिन्हा – केंद्रीय प्रतिनियुक्ति से लवटल नइखन चाहत. एहीसे के एस द्विवेदी के डीजीपी बनावे के फैसला लिहलसि बिहार सरकार. के एस द्विवेदी के कार्यकाल जनवरी, 2019 ले रही.


बैकिंग सिस्टम कांग्रेसे के जमाना से चलल आवत बा : डा. कुमार विश्वास
जौनपुर, 27 फरवरी (वार्ता). हालही में बैंक घोटालन के ले के विपक्ष के तीख बयानन के सामना करत केन्द्र सरकार के घुमा के बचाव करत आआपा नेता डा. कुमार विश्वास आजु कहलन कि कांग्रेसे का राज से चलल आवत बैंकिंग सिस्टम में फिलहाल कवनो बदलाव नइखे भइल. डा़ विश्वास पत्रकारन से कहलें कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अइसन व्यवस्था बनावे के चाहीं जेहसे फेरु कवनो माल्या भा नीरव देश के पइसा लेके भाग ना पावे. डा़ विश्वास दिल्ली के केजरीवाल सरकार फेल या पास का सवाल पर कुछु कहे से इंकार कर दिहलें.


जनकल्याणकारी योजनन का सहारे भाजपा फेरु आई केन्द्र के सत्ता में : योगी
गोरखपुर 27 फरवरी (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नके कहना बा कि प्रदेश आ केन्द्र सरकारन के चलावल जा रहल जन कल्याणकारी योजनन के फायदा भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के अगिला साल होखे जा रहल लोकसभा चुनाव में मिली आ भाजपा राज्य के सगरी सीटन पर जीत दर्ज करी.
गोरखपुर संसदीय क्षेत्र के उपचुनाव में भाजपा प्रत्याशी उपेन्द्र दत्त शुक्ल के समर्थन में कैम्पियरगंज, सहजनवां आ गोरखपुर (ग्रामीण) विधानसभा क्षेत्रन के कार्यकर्ता सम्मेलनन के सम्बोधित करत योगी ई बाति कहनी.


गोण्डा में रामजानकी मंदिर में हिन्दू मुस्लिम जोड़न के बिआह निकाह
गोण्डा 27 फरवरी (वार्ता ) उत्तर प्रदेश में देवी पाटन मंडल के गोण्डा नगर में गंगा जमुनी तहजीब के अनूठा मिसाल देखे के मिलल जब एके छत का नीचे 32 गो हिन्दू मुस्लिम जोड़ा के बीआह भा निकाह करावल गइल.
रामजानकी मंदिर में प्रदेश सरकार के सामूहिक कन्या विवाह सहायता योजना का तहत ई शुभ काम संपन्न करावल गइल. एहमें 4 गो मुसलमान जोड़ा 28 गो हिन्दू जाड़ा बनावल गइल.


सोनभद्र में सड़क दुर्घटना में एगो शिक्षामित्र के मौत
सोनभद्र 27 फरवरी (वार्ता). सोनभद्र के जुगैल इलाका में भइल सड़क हादसा में जुगैल प्राथमिक विद्यालय जोरवा में शिक्षा मित्र के पद पर तैनात चंद्रिका प्रजापति (33) के मौत हो गइल. हाजसा का बेरा ऊ अपना बेटी प्रीति आ अपना साथी जितेन्द्र का साथे मोटरसाइकिल से चोपन जात रहलें. प्रीति आ जीतेन्द्र घवाहिल हो गइलें.


फूलपुर आ गोरखपुर उपचुनावन में राकांपा दी बिना शर्त समर्थन सपा के
लखनऊ 27 फरवरी (वार्ता). राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (राकांपा) के प्रदेश अध्यक्ष रमेश दीक्षित एलान कइले बाड़ें कि सपा अध्यक्ष आ मुख्यमंत्री रहल अखिलेश यादव से मुलाक़ात कइला का बाद फूलपुर आ गोरखपुर उपचुनाव में बिना शर्त सपा प्रत्याशियन के समर्थन करे के फैसला भइल बा. कहलन कि सगरी राजनीतिक गोलन के जिम्मेदारी बनत बा का भाजपा-संघ के गठजोड़ के हरावे ला आपन पूरा ताकत लगा देव.


सोनभद्र में रेलवे रनिंग रूम में संदिग्ध हालात में गार्ड के मौत
सोनभद्र 27 फरवरी (वार्ता). सोनभद्र के चोपन टीसन के रनिंग रूम में उत्तर मध्य रेलवे के गार्ड एस यू कुरैशी (52) के मौत हो गइल बा. रात दू बजे ऊ इलाहाबाद पैसेन्जर ट्रेन लेके चोपन चहुंपले आ टीसन का पीछे बनल रनिंग रूम में सूते चलि गइलें. सबेरे जब केयर टेकर उनुका के जगावल चहलसि त एकर पता चलल.


बिहार में वाहन से दस लाख के चरस बरामद
गोपालगंज 27 फरवरी (वार्ता). गोपालगंज जिला के महम्मदपुर इलाका में राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या 28 पर डुमरिया घाट पुल का नियरा एगो लावारिस खड़ा वाहन के तलाशी में एगो बैग में बंद चरस के पैकेट बरामद भइल बा. एकर बाजार दाम दस लाख रुपिया से बेसी बतावल जा रहल बा.



गोरखपुर में इनाम मंगला के सजा मिलल मौत के

गोरखपुर 27 फरवरी (वार्ता). गोरखपुर के खोराबार क्षेत्र में बिहार के बेतिया नवलपुर निवासी मनोज (26) कुसम्ही टीसन यार्ड में मजदूरी करत रहे. सेमार देर राति एगो ट्रक पर सीमेंट लादे का बाद ऊ ट्रक चालक से इनाम मंगलसि. एह से ट्रक चालक अइसन नाराज भइल कि ट्रक स्टार्ट क के ओकरा के कचार दिहलसि. आ ट्रक छोड़ के फरार हो गइल.


जौनपुर में एसिड अटैक के मामिला में एगो लोकल डॉक्टर के सात बरीस के जेल
जौनपुर , 27 फरवरी (वार्ता). जौनपुर के सिंगरामऊ इलाका के आहोपुर गांव के शकुन्तला केस लिखवले रही कि खनपुर गांव के डॉ0 रामजी ओकरा मरद के इलाज करे ओकरा घरे आवत रहलन. उनुकर नजर ओकरा बेटी कल्पना पर गड़ल रहे. एह बीच कल्पना के शादी 22 अप्रैल 2012 के तय हो गइल त शादी से चार दिन पहिले रामजी ओकरा चेहरा पर तेजाब फेंक दिहलसि. एही मामिला में जोनपुर के अदालत रामजी के सात बरीस जेल के सजा सुनवले बिया. आठ हजार रुपिया के जुरमानो लगावल गइल बा.


पेड़ से लटकल मिलल एगो नवही के लाश
बगहा 27 फरवरी (वार्ता). पश्चिम चंपारण जिला के बगहा नगर इलाका में बबूई टोला के वार्ड संख्या 19 में एगो बगइचा में पेड़ से लटकल लाश मिलल जवना के पहचान नरईपुर के मंटू यादव का रुप में भइल बा जे कुछ दिन पहिले अपना ममहर बबूई टोला आइल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up