टटका खबर, 28 मार्च 2021, अतवार

by | Mar 28, 2021 | 0 comments

बांग्लादेश के यात्रा पर गइल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर का दिने अपना दिनचर्या के शुरुआत सतखीरा में जेसोरेश्‍वरी काली शक्ति पीठ में पूजा-अर्चना से कइनी. ओकरा बाद ओराकांडी जा के मटुआ संप्रदाय के पूज्य श्री श्री हरिचांद ठाकुर देव जी के मन्दिर जा के आशीर्वाद लिहनी. ओहिजा अपना संबोधन में कहनी कि ठाकुर देव जी के शिक्षा रहे कि देश दुनिया में, अस्थिरता, आतंक अउर अशांति का जगहा स्थिरता, प्रेम अउर शांति के प्रधानता रहो आ भारत अउर बांग्लादेश दुनु के इहे चाहीं आजु.

बांग्लादेश आ भारत के बीच आपदा प्रबंधन, आईसीटी उपकरण, अउर खेल वगैरह लेके पांच गो समझौता कइल गइल. भारत-बांग्लादेश मैत्री टिकट जारी कइल गइल आ भारत का तरफ से 109 गो एम्बुलेंस उपहार में देबे के घोषणा भइल. प्रधानमंत्री मोदी तुंगीपाडा में बंगबंधु मुजिबुर्रहमान के मकबरा परिसर में पुष्‍पांजलि अर्पित कइनी. जान जाईं कि मोदी जी पहिलका विदेशी शासनाध्‍यक्ष हईं जे बंगबंधु के मकबरा पर श्रद्धांजलि अर्पित कइल.

असम आ पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के पहिलका चरण के मतदान शांति से हो गइल. असम में 72.3 प्रतिशत त पश्चिम बंगाल में 79.79 प्रतिशत मतदान होखे के खबर बा.

23 मार्च 2021 से स्वेज नहर में अटकल जहाज आजुओ ना निकल सकल. एह चलते स्वेज नहर हो के जहाजन के आवाजाही रुक गइल बा दुनिया भर पर एकर खरा असर पड़ रहल बा.

दिल्ली में हो रहल निशानेबाजी विश्‍व कप में शनिचर का दिने भारत 25 मीटर एयर पिस्टल रैपिड फायर मिक्स्ड इवेंट में स्‍वर्ण आ रजत पदक जीत लिहलसि एह टूर्नामेंट में भारत अहबीं ले 13 गो स्‍वर्ण, 8 गो रजत आ 6 गो कांस्‍य जीत के पदक तालिका में माथ पर बइठल बा.

फ्रांस में चलत ओरलियंस मास्टर्स बैडमिंटन टूर्नामेंट के पुरुष डबल्‍स में भारत के कृष्‍णा प्रसाद आ विष्‍णु वर्धन सेमीफाइनल मैच में ब्रिटेन के कैलम हेमिंग अउर स्टिवन स्‍टालवुड के हरा के फाइनल में चहुँप गइले. जबकि महिला सिंग्‍लस के सेमीफाइनल में साइना नेहवाल डेनमार्क के लिने क्रिस्‍टोफर्सन से हार के प्रतियोगिता से बाहर हो गइली.

आजु अतवार का दिने भारत आ इंग्‍लैंड के बीच तिसरका आ आखिरी एकदिना मैच पुणे में खेलल जाई. एह शृंखला में दुनु टीम एक एक मैच जीत के बराबरी पर बा.

गोपालगंज जिला के महमदपुर गाँव का लगे भइल एगो सड़क हादसा में कार ट्रक टक्कर से सहरसा के एके परुवार के चार जने के मौत हो गइल. ई लोग फगुआ में दिल्ली से अपना घरे जाए ला निकलल रहुवे.

गोरखपुर में हुतात्मा अशफाक उल्ला खाँ प्राणि उद्यान का नाम से बनल पूर्वांचल के पहिलका चिड़ियाघर के लोकार्पण यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कइनी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up