ट्वीटर के परीक्षण सफल रहल

by | Apr 17, 2021 | 0 comments

इयाद बा, कइसे कई बरीस पहिले एक दिन पूरा देश में गणेश जी के मूर्ति दूध पिये लागल रहली सँ ? उहो एगो परीक्षण रहुवे. कबो एह बाति के पक्का प्रमाण त सामने ना आइल बाकिर कहे वाला आजुओ कहेलें, मानेलें कि ऊ एगो सफल परीक्षण रहुवे. ओहमें परीक्षण करे वाला गोल ई देखल चहले रहुवे कि अगर पूरा देश के संचार व्यवस्था ठप पड़ जाव त का ओहू हालात में अपना विचारधारा का हिसाब से कवनो खबर पूरा देश में पसारल जा सकेला. अगर हमार मानीं त ऊ एगो सफल परीक्षण रहुवे. आ हम त ओह र्यूमर स्प्रेडिंग सोसाइटी के सदस्यों हईँ,

आजु ओही तरह के एगो परीक्षण दुनिया के चुनिन्दा सोशल साइ़टन में शामिल ट्वीटर पर कइल गइल. आ हमरा हिसाब से इहो परीक्षण सफल का श्रेणी में राखल जा सकेला. वइसे असल निष्कर्ष त ओकर टेक्निकल टीम निकाली बाकिर एटम बम एके परीक्षण में ना बन जाव. कई बेर परीक्षण करे के पड़ेला. कुछ ऊँच-नीच करे के जरुरत लउके त उहो कइल जाला.

आजु शनीचर का फजीरहीं से कुछ ना, कुछ हजार लोग के ट्वीटर ना खुल पावल. अइसन ना कि ट्वीटर के सर्वर एकदमें डाउन हो गइल रहुवन सँ. साइय बाकायदा खुलल रहे बस प्रभावित ट्विटरिहा के टाइम लाइन ना लउकत रहुवे. ऊ कोशिश कर के ई त देख पावत रहुवे कि का ट्रेंड करत बा आ ओह ट्रेंड के देखिओ सकत रहुवे. बाकिर ओकर जवाब टिवीट हो गइला का बादो ना लउकल रहे. वइसे जब टाइमलाइन ना उजागर होखत होखो त बहुते कम लोग अइसन होखी जे कुछ ट्वीट करे के जहमत उठाई. बाकिर हम उठवनी आ देखनी कि हमार ट्वीट उजागर त भइल, बाकिर हमरा ला ना, उनुका ला जिलकर ट्वीटर निर्बाध चलत रहुवे.

ई महज एगो अनुमान बा बाकिर हम कह सकीलें कि एह परीक्षण में ट्वीटर के टीम ई देखल चहलसि कि अगर ऊ चाहे त का एगो खास समय ला, खास इलाका के खास खास लोगन के ट्वीटर टाइम लाइन से बहरा राखि सकेला का ? जइसे कि आजु पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के पाँचवा डेग का दिने भारत के करीब चालीस हजार ट्विटरहियन के ट्विटर से बाहर राखे में पूरा सफल रहल ई तकनीकि. ट्वीटर का सफाई देत बा, का दी, का दीहल चाही ओकरा जाल में मत अझूराईं. सोच लीं कि ट्वीटर जब चाहे तह रउरा के बिना ससपेंड कइले, बिना कवनो कार्रवाई कइले, ट्वीटर का बहरा फेंक सकेला. एह परीक्षण के सामरिक महत्व अगिला लोकसभा चुनाव का बेरा लउकी जब सोशल मीडिया के बादशाह नरेन्द्रो मोदी के उहे हाल करल चाहीं जइसन हाल ही में करावल गइल अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव में कइल गइल. आ अभिव्यक्ति के आजादी के ई सिपाहसालार ट्रंप से आपन बाति कहे के आजादी छीन लिहलें. आ एह काम में टवीटर, गूगल, फेसबुक सभ शामिल रहलें.

@narendramodi @AmitShah समय अधिका नइखे बाचल, समय रहते सम्हरे के कोशिश करीं आ एह वार के काट निकाल लीं. जानत बानीं कि रउरा लगे एक से बढ़ के एक सलाहकार बाड़ें बाकिर रामसेतु बनावें एगो रुखी (गिलहरी) के कोशिश का तरह हमरो ई एगो कोशिश बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up