तबादला करे के मौका ना मिलला से परेशान मंत्री के इस्तीफा

by | Jul 2, 2021 | 0 comments

(टटका खबर,, शुक, आषाढ़ अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी)

बिहार सरकार में समाज कल्याण मंत्री मदन सहनी काल्हु इस्तीफा देबे के आपन ट्वीट में कहलन कि जदयू विधायक राज्य के अधिकारियन के मनमानी से परेशान बाड़ें. मंत्री का स्तर से होखे वाला तबादला पोस्टिंग अधिकारिए स्तर पर हो रहल बा. एह हालात में मंत्री बनल रहला के कवनो मतलब नइखे. हालांकि इहो कहलन कि ऊ सरकार में भलहीं ना रहसु बाकिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से सटल रहीहें.

महाराष्ट्र के गृहमंत्री रहल अनिल देशमुख पर पुलिस अधाकारियन का मार्फत नाजायज वसूली करावे के अछरंग गाढ़ होखल जा रहल बा. ट्रांसफरो-पोस्टिंग में भठियरपन के आरोप उऩुका पर लगावल गइल बा. मुंबई के शराब बार मालिकन से करोड़न रुपए वसूले आ हवाला क फर्जी कंपनियन के पहुंचावे आ फेर ओहनी से दान का रूप में उहे धऩ वापस अपना ट्रस्ट में मंगवावे का मामिला में ईडी उनुका पर कार्रवाई करे के जमीन बनावे में लागल बा. देशमुख के दू गो सहयोगियन के एही मामिला में गिरफ्तार कइल जा चुकल बा. उनुकर नेता शरद पवार आ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे मानत बाड़ें कि देर सबेर उनुकर गिरफ्तारी होखहीं के बा आ ओह हालत में ओकरा बदनामी सरकारो के होखे वाला बा.

बुध के देर रात उत्तर प्रदेश में संतकबीरनगर नगर से भारतीय जनता पार्टी के पूर्व सांसद रहल आ देवरिया सांसद रमापतिराम त्रिपाठी के बेटा शरद त्रिपाठी के पचासे बरीस का उमिर में गुरूग्राम के मेदांता अस्पताल में निधन हो गइल. ऊ लीवर का बीमारी से लमहर समय से बीमार रहलन. साल 2014 के लोकसभा चुनाव में ऊ संतकबीरनगर संसदीय क्षेत्र से जीतलरहलें बाकिर 2019 के लोकसभा चुनाव से पहिलहीं उनुकक विवाद ओहिजा के एगो भाजपा विधायक से हो गइल जवना का बाद उनुका के टिकट ना दिहलसि भाजपा. बाकिर उनुका बाबूजी रमापति राम त्रिपाठी के देवरिया से चुनाव लड़वलसि भाजपा.

हर साल दू बेर होखे वाला कश्मीर के राजधानी दरबार मूव के करीब चार सौ साल पुरान परंपरा एह साल से खतम करा दीहलन ओहिजा के उप राज्यपाल मनोज सिन्हा. एह दरबार बदल में कई करोड़ के खरचा त होखते रहल, ऊपर से एही चलते अधिकारियन के दू दू जगहा आवास देबे के पड़त रहुवे. जाड़ा का समय राजघानी जम्मू बन जात रहुवे आ गरमी का समय श्रीनगर. उप राज्यपाल के मानना बा कि जब दुनु कार्यालय ई कार्यालय बनावल जा चुकल बा त एह परम्परा के अब कवनो जरुरत नइखे रहि गइल. अधिकारियनो के कह दीहल गइल बा कि एगो आवास खाली क देव लोग. राज्यपाल के कहना बा कि एह बदलाव से बचे वाला धन के उपयोग राज्य के वंचितन के सुविधा देबे में इस्तेमाल कइल जाई.

मायावती राज में स्मारकन के बनवावे में कइल गइल 4200 करोड़ के घोटाला मामिला में निगरानी विभाग ओह घरी बसपा मंत्री रहल नसीमुद्दीन सिद्दीकि आ बाबू सिंह कुशवाहा के नोटिस भेजले बिया कि ऊ लोग आपन बयान देसु. बरीस 2013 से चलत एह मामिला में अबहीं ले नाहियो च डेढ़ दर्जन लोग के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा आ कई गो अफसरन आ ठीकेदारन के संपति जब्त कइल जा चुकल बा. जाने जोग बा कि पत्थर मंगवावल त गइल मिर्जापुर से बाकिर ओकरा के राजस्थान से मँगवावल देखा के बड़हन घोटाला कइल गइल रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up