तातल धीकल टटका खबर, अतवार, 8 नवम्बर 2020

by | Nov 8, 2020 | 0 comments

बिहार में महाराष्ट्र राज आवे के अनेसा बनि गइल बा. काल्हु सुदर्शन टीवी छोड़ सगरी चैनलन पर आइल एक्जिट पोल में तेजस्वी के सरकार बने के उमेद देखावल गइल बा. अगर तेजस्वी के सरकार आ गइल त बिहारो में महाराष्ट्र राज आ जाई काहे कि एहू सरकार का पिछवाड़ा में राकांपा आ शिवसेना के रणनीतिकार खड़ा मिलिहें. नॉटी फेम के संजय राउत पहिलहीं कहले रहलन कि बिहार में तेजस्वी के सरकार बनि जाए के पूरा उमेद बा.

आजु भाजपा के पुरनिया नेता लाल कृष्ण आडवाणी के जन्मदिन पर मोदी आ शाह समेत अनेके भाजपा नेता बधाई दिहले बाड़ें. आडवाणी अब 93 बरीस के हो गइलन आ भाजपा के मार्गदर्शक मंडल में शामिल कइल गइल बाड़ें.

मध्यप्रदेश के इंदौर में अतिक्रमण विरोधी कार्रवाई मे बाधा डाले के अनेसा देखत राज्य में कांग्रेसी सरकार का दौरान राज्यमंत्री के दर्जा पर रहल कम्प्यूटर बाबा का नाम से मसहूर नामदेव दास त्यागी समेत सात जने के गिरफ्तार क के जेल भेज दिआइल बा. सरकार के कहना बा कि हातोद तहसील इलाका के जमूडी हपसी गाँव में दू एकड़ सरकारी जमीन पर ऊ नाजायज क़ब्ज़ा क के रखले बाड़न.

पूरबी लद्दाख में वास्तविक नियंत्रण रेखा पर पिछला कई महीना से बनल गतिरोध शुक का दिने भइल कमांडरन के आठवाँ दौर के बातचीत का बादो खतम ना हो सकल.

अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव के कवनो आधिकारिक घोषणा ना भइला का बावजूद ओहिजा के लिबरल मीडिया उनुका जीत के अइसन भौकाल बना दिहले बाड़ें कि दुनिया भर के राजनेता बाइडेन आहैरिस के बधाई देबे ला मजबूर हो गइल बाड़ें. अइसने भौकाल साल 2000 मे अलगोरे के जीत ला बनावल गइल रहुवे आ बाद में उनुकर शानदार हार के परिणाम आइल रहुवे.

#BREAKING | ‘हमार जान खतरा में बा. हमार जान खतरा में बा. हमरा के अपना वकीलन से बात करे नइखे दियात. आजु सबेरे हमरा के पीटल गइल. #LIVE #IndiaWithArnab https://t.co/rGQJsiKgt2 pic.twitter.com/QfzvWON5WU— Republic (@republic) November 8, 2020

न्यायालय, बाकी मीडिया, भाजपा, आ केन्द्र सरकार चुप्पी सधले बाड़ें. आजु जब कपिल मिश्रा आ तेजिन्दर सिंह बग्गा अर्णव के गिरफ्तारी का खिलाफ सत्याग्रह करे राजघाट चहुँपले त दिल्ली पुलिस ओह लोग के गिरफ्तार कर लिहलसि. जबकि दिल्ली पुलिस केन्द्र सरकार के अधीन होले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up