दस गो सीट, एगारह परचा : चुनाव मजेदार भइल

by | Mar 12, 2018 | 0 comments

लखनऊ 12 मार्च (वार्ता). यूपी से राज्यसभा के दसे गो सीट खाली बा आ ओही पर एगारह जने के परचा आजु आखिरी दिने दाखिल हो गइल. अगर सगरी परचा सही निकलल आ केहु आपन परचा वापिस ना लीहल त चुनाव जरुरी हो जाई.

यूपी विधानसभा के गणित का हिसाब से चुनाव जीते ला 37 गो भोट चाहीं आ भाजपा का लगे ओकर आठो उमीदवार जीतवा लिहला का बादो 29 गो भोट बाचल रही आ एही 29 गो का भरोसे एगो निर्दलीय अनिल अग्रवाल आपन परचा दाखिल कइले बाड़न.

सपा गोल का लगे के भोट से ऊ महज एगो सीट पर जीत सकेले आ ओकरा बाद ओकर दस गो भोट बाचल रहि जाई,. अगर कांग्रेस, रालोद आ बसपा के भोट एकजुट रहे त विपक्ष आपन एगो उमीदवार अउरी जीता सकेला आ एही भरोसे बसपा भीमराव अंबेडकर के मैदान में उतरले बिया.
अनिल अग्रवाल के परचा दाखिल करे ला भाजपा विधायकन के साथ मिलल बा.

एह चुनाव में नियम बा कि विधायक अपना गोल के चाबुकमास्टर (ह्वीप) के देखा के आपन भोट देलें एहसे जे अपना गोल से छटकि के भोट दी ओकर विधायकियो जा सकेला.

आजि परचा दाखिल करे वालन में केन्द्रीय वित्त मंत्री अरूण जेटली, अशोक वाजपेयी, सकलदीप राजभर, कांता कर्दम, विजय पाल सिंह तोमर, डा अनिल जैन, जीवीएल नरसिंहाराव, अउर हरनाथ सिंह यादव भाजपा का ओर से आपन परचा दाखिल कइले. सपा गोल का तरफ से जया बच्चन आ बसपा गोल का तरफ से भीमराव आपन आपन परचा पहिलहीं दाखिल कर चुकल रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up