देश के 52 फीसदी लोग मोदी का खिलाफ : सर्वे रिपोर्ट

by | Sep 4, 2018 | 0 comments

नयी दिल्ली, 4 सितम्बर. काल्हु जारी एगो रिपोर्ट में राजनीतिक रणनीतिकार प्रशान्त किशोर के बनावल संस्था इण्डियन पॉलिटिकल एक्शन कमिटी के करावल ओपिनियन पोल के परिणाम बतावल गइल बा.

सगरी देश में 55 दिन ले चलावल गइल एह अभियान में 57 लाख लोग आपन आपन राय बतावल जवना का आधार पर ई बात सामने आइल बा कि नरेन्द्र मोदी के अबहियों केहू टक्कर देबे वाला नइखे. राहुल बहुते पीछे छूट गइल बाड़न आ उनुका के चहेटत बाड़न केजरीवाल जे तनिए मनी पीछे छूटल बाड़न.

संस्था के कहना बा कि ऊ लोग का सामने नव सौ से अधिका विकल्प दिहले रहुवे जेहसे कि कवनो पक्षपात ना हो पावे. एह सूची में करीब हर ओह नेता के नाम शामिल रहुवे जवन पहिला सोच में केहू का दिमाग में आ सकेला. एह में ओहू लोग के नाम दीहल रहुवे जिनका बारे में सहज भाव से कहल जा सकेला कि – सब छँवड़ी झूमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहूं.

दौलत के देवी आ सोशल मीडिया पर जिहादी दीदी का नाम से जानल जाए वाली दूनू देवियनो के नाम एह में शामिल रहुवे बाकिर ऊ लोग बहुते पीछे छूट गइल बा. अपना सगरी लन्तरानी का बावजूद राहुल के नाम बहुते पप्पुवन का दिमाग में मौजूद बा.

विपक्ष के भासा में कहल जाव त देश के 52 फीसदी लोग मोदी का खिलाफ बा बाकिर अफसोस बा कि ई लोग अलग अलग नाम के माला जपत बा. अगर मोदी विरोधी एक हो जासु त बात बदल सकेला.

बाकिर ओह लोग के तकलीफ देबे वाली बात इहो बा कि मोदी के नियरा फटके जोग कवनो नाम नइखे जे पाँच दस फीसदी के दूरी पर होखे. कहाँ राजा भोज आ कहाँ गंगू तेली वाला कहानी का तरह मोदी 48 फीसदी लोगन के पसन्द बाड़न त राहुल महज 11 फीसदी, केजरीवाल 9 फीसदी, आ बाकी फँउकबाज नाम एकरो से नीचे बा.

एही सर्वे में देश के चार गो चुनिन्दा मुख्यमंत्रियन में केजरीवाल, ममता बनर्जी, नवीन पटनायक, आ नीतीश कुमार के नाम शामिल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up