ना अति बोलता ना अति चुप

by | May 6, 2017 | 0 comments


एगो भोजपुरी कहावत ह कि –
ना अति बरखा, ना अति धूप
ना अति बोलता ना अति चुप.

आजु अरनब गोस्वामी के चैनल रिपब्लिक टीवी के शुरुआत का भइल, कपार पाक गइल बा. सबेरे दस बजे जवन खुलासा भइल ओही प सूई अटक गइल बा आ पता ना कई सौ बेर एके बतिया दोहरवले जात बा रिपब्लिक. एकरा के अति बोलता कहल जाव त दोसरा तरफ चारा चोर लालू के चुप्पीओ कान फड़ले बा. चारा घोटाला में सजा सुन चुकल लालू अपना तिकड़म का बूते जमानत प बाहर बाड़न आ हर तरह के गैर कानूनी काम कइला का बावजूद नीतीश सरकार भा झारखण्ड के रघुबर दास सरकार में अतना बेंवत नइखे कि लालू के जमानत रद्द करा के फेर से जेल भिजवा सके लोग. बाकिर हमरा याद नइखे आवत कि कबो कवनो हाल में लालू के अइसन सटकल होखे कि मुँह से बकार नइखे निकलत. बतावल जात बा कि लालू में अतना हिम्मत ना भइल कि आजु अपना घर से बाहर निकल सकसु. घरे में लुकाइल बइठल लालू क्लोज सर्किट टीवी से बाहर के नजारा प नजर रखले बाड़न.
गद्दी का हवस में नीतीशो के ठकुआ मार दिहले बा आ उहो अबहीं ले एह मामिला प कुछ बोले के हिम्मत नइखन जुटा पावत. बेचारा का साथे दिक्कत बा कि काल्हु उनकर मुलाकात पहिले से तय बा अरनब से. अगर नीतीश के ठकुआ काल्हुओ बरकरार रहि गइल त ई मुलाकात रद्द भइल तय बा आ रिपब्लिक के एगो अउरि मसाला मिल जाई बकर बकर करे के.
चुप्प रहे के काम खाली लालूए भा नीतीश नइखन करत. पिछला तीन महीना से खुद अरनबो चुपी सधले बाड़न. ट्वीटर प जनवरी में अरनब से पुछाइल रहुवे कि रिपब्लिक टीवी खातिर धन कहाँ से आ कइसे जुटावल गइल बा एकर जानकारी साझा करसु. रिपब्लिक प हवाला का जरिए आ आसाम के एगो नेता का जरिए धन जुटावे के आरोप लगावल जात बा. आ रिपब्लिक का तरफ से एह बाति के कवनो जबाब नइखे दीहल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up