निजामुद्दीन मरकज के खाली करावे में लागल 36 घंटा

by | Apr 1, 2020 | 0 comments

दिल्ली के निजामुद्दीन इलाका के एगो तबलीगी मरकज में हजारन मुसलमानन के शामिल भइला का बाद कई जने के कोरोना ध लिहले बा. सरकार आ प्रशासन के मनाही का बावजूद तबलीगी जमात ई मजमा जुटवले रहुवे. मामिला सामने अइला का बाद एह मजमा में शामिल अनेके लोगन के कोरोना का चपेट में अइला के खबर बा. आजु एह मरकज से 2361 लोग के बाहर निकालल गइल जवना में से 617 जने कोरोना के कोरा में घेराइल मिलल बाड़ें आ 24 जने के कोरोना हो गइला के रपट आइल बा.

एह आपराधिक हरकत का चलते प्रशासन सात जने का खिलाफ मुकदमा दर्ज कइले बावे जवना का बाद से जमात के आलिम मौलाना साद फरार हो गइल बा आ ओकर तलाश करत बिया पुलिस.

जमात के मजमा में शामिल लोग ओकरा बाद देश भर में पसर गइल बा आ ओहू लोग के खोज खोज के निकालल जा रहल बा कि ओह लोग के कोरोना जाँच करावल जा सके. तबलीगी जमात के एह हरकत का बाद देश भर में बहुते मुसलमान कोरोना का चपेट में आ गइल बाड़ें आ अउरिओ ढेर लोग के बेमार पड़े के अनेसा जतावल जा रहल बा.

कोढ़ में खाज का तरह एह हरकत का बाद देश भर में मस्जिदन में से खोज खोज के एह लोग के निकालल जा रहल बा आ कईएक मस्जिदन के जिम्मेदार लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. मुसलमानन के बदनाम करे वाली एह हरकत से देश भर में कोरोना बढ़े के रफ्तार तेज हो गइल बा आ अनेसा जतावल जा रहल बा कि कोरोना कहीं आपन तिसरका डेग मत बढ़ा लेव. ओकरा बाद कोरोना बेसम्हार हो जाई आ शायद एही मकसद से ई मजमा लगावल गइल रहुवे.

एह मजमा में आइल विदेशी मुफ्ती मौलवी आ मजहबी प्रचारकन का खिलाफ कार्रवाई करे के संकेत देश के गृह सचिव अजय भल्ला के कहना बा कि जे लोग वीसा में गलत जानकारी दे के आइल मिली ओकरा के आगे ला करिया सूची में डालि के छँटुआ बना दीहल जाई.

एह मजमा में शामिल हो के बिहार लवटल 146 जने में से 40 जने के खोज निकालल गइल बा. एह 40 में 37 गो विदेशी बाड़ें आ दू गो यूपी के बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up