प्रणव दा के निधन पर सात दिन के राजकीय शोक

by | Sep 1, 2020 | 0 comments

पिछला 10 अगस्त के भइल ऑपरेशन का बाद बिगड़त गइल तबियत का चलते वेंटिलेटर पर राखल राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी जी के सोमार का दिने निधन हो गइल. उनुका शोक में देश के सम्मान देखावत 6 सितम्बर ले सात दिन के राजकीय शोक के घोषणा कइल गइल बा. प्रणव दा के समर्थक हर गोल में रहुवे. राजनीतिक छुआछूत ना मानेवाला प्रणव दा पहिलका राष्ट्रपति रहलें जे इजरायल के आधिकारिक यात्रा कइलें. राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के कार्यक्रम में भागीदारी करहूं वाला ऊ पहलका पूर्व राष्ट्रपति रहलें.
अंत्म संस्कार कहाँ आ कहिया होखी अबहीं ई तय नइखे भइल.

रोहतास जिला के शिवसागर इलाका के सेवली गांव के एगो आदमी खात जात घरी ट्रान्सफार्मर से लटकल बिजली के तार से छुआ गइल आ करेंय से ओकर ओहिजे मौत हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के चौतरवा इलाका में मनाही का बावजूद तजिया निकाले वाला तीस लोगन का खिलाफ केस दर्ज हो गइल बा.

सारण जिला के गड़खा इलाका में मानपुर रोड पर ट्रक से कचरा के मीठापुर गांव के एगो आदमी के मौत हो गइल.

जौनपुर जिला के मुंगराबादशाहपुर इला में वाराणसी प्रतापगढ़ रेल खण्ड पर मालगाड़ी से कटा के नाहियो त चालीस गो बकरा-बकरी कटा गइली सँ. ई बकरी शिवपुर, रामपुर के रहेवाला एगो पशु पालक के रहली सँ.

कुशीनगर जिला के तुर्कपट्टी इलाका के सेवरही कसया रोड पर एगो टेम्पो पलटि गइल आ ओह पर सवार आठ जने घवाहिल हो गइलें.

मिर्जापुर जिला के लालगंज इलाका के धुरमा गाँव में एगो कच्चा मकान के दीवाल गिर गइल आ ओकरा नीचे दबा के एगो बच्ची के मौत हो गइल आ दू गो अउरी बच्ची घवाहिल हो गइली सँ.

प्रयागराज के शहर इलाका में फूलपुर आ अग्रसेनपुर टीसनन का बीच एगो औरत के मौत मालगाड़ी से कटा के हो गइल.

मिर्जापुर जिला के चील्ह इलाका के करजा कलाँ गाँव के एगो लड़िका सेमरा गाँव का लगे गंगा नदी के छाड़न में भईंस नहवावत में डूब गइल.

जौनपुर जिला के पवांरा इलाका के मड़वा दोड़क गाँव के एगो नवही के मौत गौशाला के गीरल दिवाल का नीचे दबा के हो गइल.

बक्सर जिला के तिलकराय चौकी इलाका के केशवपुर गंगा घाट पर एगो अनजान नवही के लाश बरामद.

पटीदारन का बीच जमीन का झगड़ा में सारण जिला के जनताबाजार इलाका के बसहीं गाँव में एगो नवही के गोली मार के जान ले लीहल गइल,

देवरिया के कोविड प्रभारी डॉक्टर राजीव गंजन के मौच कोरोना का चलते गोरखपुर मेडिकल क़लेज अस्पताल में अतवार का दिन हो गइल.

सोमार का दिने शेयर बाजार में जोरदार गिरावट देखे के मिलल. चीन से विवाद में नया झड़प के खबर, मार्जिन नियम में होखे वाला बदलाव, आ दुनिया के बाजारन से मिलल संकेत देखत निवेशक मुनाफा वसूली कइलें आ बिकवाल मौका देख आपन कमाई कइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up