बाबा साहेब के नाम मिटावे में कवनो कसर ना छोड़ले रहल कांग्रेस : मोदी

by | Apr 14, 2018 | 0 comments


नयी दिल्ली 13 अप्रैल (वार्ता). बाबा साहेब अंबेडकर के लेके कांग्रेस के कठघरा में खडा करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आरोप लगवलन कि कांग्रेस बाबा साहेब के अपमान करे में कवनो कोर कसर ना छोड़लसि आ इतिहास से उनुकरा नामो निशान मिटावे ला आपन पूरा ताकत लगा दिहलसि.
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु लयी दिल्ली में राष्ट्रीय अंबेडकर स्मारक के उद्घाटन का मौके पर आयोजित समारोह में कहलन कि ई इतिहास के बहुते कड़ुवा सच्चाई ह कि जब बाबा साहेब जिन्दा रहलें तबो आ उनुका मुवलो का बादो कांग्रेस उनुकर अपमान करे में कवनो कोर-कसर बाकी ना छोड़ले रहुवे आ आपन पूरा ताकत लगा के देश का इतिहासो से बाबा साहेब के नामो-निशान मेटावे के कोशिश कइलसि.
चुनौती देत कहलन कि कांग्रेस कवनो एकहू काम बता देव जवन ऊ बाबा साहेब ला कइले होखे. आजादी का बाद कांग्रेस अपना लगुआ भगुअन के अइसन इकोसिस्टम बनवलसि कि देश के इतिहास महज एके परिवार का इर्द-गिर्द सिमटिके रहि गइल. जे कांग्रेसी तंत्र का आगे घुटना ना टेकल, ओकरा किताबों तक में जगह ना मिलल.
प्रधानमंत्री कहलन कि आजादी का बाद से आजु लो कांग्रेस के सोच बदलल नइखे. 70 बरीस पहिले ले पिछड़ी जातियन ला बने वाला आयोग लेके कांग्रेस बाति आगे ना बढ़े दिहलसि. आ आजु 70 साल बादो कांग्रेस संसद में ओबीसी कमीशन के संवैधानिक दर्जा देबे के काम नइखे होखे देत.
पीएम मोदी कहलन कि आजु के पीढ़ी इहो जाने कि कइसे बाबा साहेब कांग्रेस के असली चरित्र देश का सोझा रखले रहलन. इहो जानल जरूरी बा कि जब जब कांग्रेस आरोप से घेराले तब तब ऊ सामने वाला आदमी के जड़ से उखाड़ फेंके खातिर साम-दाम-दंड-भेद, हर तरह से साजिश रचे लागेले.
कांग्रेस पर महज वोट बैंक ला बाबा साहेब के नाम के सहारा लेबो के आरोप लगावत पीएम मोदी कहलन कि ई बाबा साहेब के महान कर्म के आ देश ला कइल उनुकर सेवो के फल बा कि एके परिवार के पूजा करे आ ओकरे के देश के भाग्यविधाता समझे वाला लोगो अब अपना करेजा पर जत्थर रखि के बाबा साहेब के नाम लेत बाड़ें. कहलन कि जब बाबा साहेब के फोटो संसद के केन्द्रीय कक्ष में लगावे के बाति उठल तबो कांग्रेस आनाकानी कइलसि कि कक्ष में जगहे नइखे.
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि सच्चाई इहो बा कि बाबा साहेब के निधन का बाद कांग्रेस राष्ट्र निर्माण में उनुकर योगदान भुलवावे के भरपूर कोशिश कइलसि. पंडित नेहरू से लगवले राजीव गांधी ले, कांग्रेस तमाम लोग के भारत रत्न से सम्मानित कइलसि बाकिर कबो बाबा साहेब के ‘भारत रत्न’ जोग ना समुझलसि. उ त भारतीय जनता पार्टी के समर्थन से सत्ता में आइल सरकार रहुवे जे बाबा साहेब के एह सम्मान से विभूषित कइलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up