भोजपुरी खातिर धरना दिहलें भोजपुरिया

by | Jul 14, 2019 | 0 comments

भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे आ अठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के तत्वावधान में राष्ट्र स्तर पर चलावल जात भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन के तहत आजु 14 जुलाई 2019, का दिने दिल्ली के जंतर मंतर पर बड़हन धरना प्रदर्शन कइलें देश भर से जुटल भोजपुरिया. एह धरना के अगुआ रहलन अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल.
बतावत चलीं कि “भोजपुरी जन जागरण अभियान” देश भर मे भोजपुरी को संविधान में शामिल करावे ला लगातार प्रयास में लागल बा. दुनिया के सोरह देशन में करीब 25 करोड़ भोजपुरियन के भाषा हीय भोजपुरी. भोजपुरी जन जागरण अभियान एकरा साहित्य अउर संस्कृति के सहेजहुं के काम करत बिया. भोजपुरी के साहित्य आ संस्कृति बहुते पुरहर बा बाकिर एह सभ का बावजूद एकरा के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल नइखे करावल जा सकल.
आजु के धरना के अध्यक्षता जे एन यू के प्रो. राजेश पासवान कइलन. आ धरना के संबोधित करे वालन में भरत सिंह भारती, पोढ़ रंगकर्मी महेन्द्र प्रसाद सिंह, भाई बी के सिंह पटेल, सतेंद्र पी एस, धनंजय कुमार सिंह, वीणा वादिनी चौबे, शोभा शर्मा, लाल बिहारी लाल, धर्मेंद्र चौहान, नागेन्द्र सिंह, नवल किशोर निशांत, राकेश कुशवाहा, मनोज कुमार सिंह, प्रो चन्द्रदेव यादव, जूली रानी, परमेन्द्र सिंह, संजय ऋतुराज, देवेंद्र कुमार, प्रवीण सिंह, रमेन्द्र कुमार, अजीत सिंह, सरिता साज, जैनेन्द्र दोस्त, ओमप्रकाश अमृतांशु, अउर डॉ मनोज कुमार के अलावा देशभर से आइल लोग शामिल रहल.
धरना के सफल संचालन कइलन अभियान के महासचिव अभिषेक भोजपुरिया.
एह धरना के बाद भोजपुरी जन जागरण अभियान के प्रतिनिधि प्रधानमंत्री, गृहमंत्री, अउर राष्ट्रपति के आपन ज्ञापन आ मांग पत्र सँउपिहें.
ई सगरी जानकारी “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया भेजले बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up