मंगल, 9 जनवरी 2018, खास-खास खबर

by | Jan 10, 2018 | 0 comments

नई दिल्ली में दुनिया के तमाम देशन से आइल भारतीय मूल के सांसदन के पहिलका सम्मेलन के संबोधित करत पी एम मोदी ओह लोग से गोहार कइनी कि भारत के विकास बढ़ावे में उत्प्रेरक के आपन भूमिका निबाहे. चीन के नाम लिहले बिना पीएम मोदी के कहना रहल कि भारत कबहियों कवनो दोसरा देश के जमीन भा संसाधन प आपन नजर नइखे गड़वले. भारत हमेशा दुनिया के आपन परिवार जस मनले बा आ ओकरा बढ़न्ती में आपन रचनात्मक सहयोग दिहले बा.
इहो कहनी कि रउरो सभे नोटिस कइले होखब कि पिछला तीन चार बरीसन में भारत ला दुनिया के नजरिया में बढ़िया बदलाव आइल बा. पूरा दुनिया के फोकस आजु भारत प बा त एही चलते कि देश बदल रहल बा.
एह सम्मेलन के उप-राष्ट्रपति वेंकैया नायडू आ विदेश मंत्री सुषमा स्वराजो संबोधित कइनी लोग.

जम्‍मू-कश्‍मीर के सोपोर इलाका में बाकायदा अभियान चला के आतंकवादियों के मॉड्यूल पता लगा के दू गो लोकल आतंकियन के गिरफ्तार कइले बाड़ें सुरक्षाबल. एहनी का लगे से एके-47 राइफल आ अउरियो असलहा गोला बारूद बरामद भइल बा.

पाकिस्‍तान में बलूचिस्‍तान असेम्‍बली इमारत का लगे भइल एगो बम धमाका से चार गो सिपाहियन समेत आधा दर्जन लोग मरा गइल आ डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइळ.ई धमाका एगो पुलिस वाहन के निशाना बना के कइल रहुवे.

अगिला महीना दक्षिण कोरिया में होखे जा रहल शीतकालीन ओलंपिक ला उत्तर कोरिया आपन टीम भेजा के तइयार हो गइल बा. ई फैसला पिछला दिने दुनु देशन का बीच भइल बइठक का बाद लीहल गइल.

देश के शेयर बाजार मंगल का दिने एतिहासिक स्तर प बन्द भइल. सेंसेक्स 34 हजार 443 के रिकार्ड बनावत बंद भइल त निफ्टी 10 हजार 637 के रिकार्ड बना के.

देश के सुप्रीम कोर्ट मंगल का दिने साफ कइलसि कि सिनेमाघरन में फिलिम देखावे से पहिले राष्ट्रगान बजावल जरुरी नइखे. गनीमत अतने रहल कि अदालत ई ना कहलसि कि नइखे बजावे के. असल में देश के एगो बड़हन जमात देश ला आपन सम्मान देखावल अपना मजहब का खिलाफ मानेला. दुख के बाति बा कि मजहबी आधार पर भइल देश के बँटवारा का बावजूद इस्लामी संस्कार राखा वाला नेहरु देश के सेकूसर बना दिहलन आ आजु हालात अतना बिगड़ गइल कि एह देश में हिन्दुवनो ले बेसी अधिकार आ सुविधा गैर हिन्दुवन के मिले लागल बा आ अतनो प एह लोग के संतोष नइखे.

उत्तर बिहार से दक्षिण भारत जाए वाली रक्सौल-हैदराबाद आ दरभंगा-सिकंदराबाद विशेष रेलगाड़ियन के परिचालन 1 अप्रैल ले बढ़ा दिहलसि पूर्व मध्य रेलवे. पहिले ई सेवा 3 फरवरी के खतम होखे वाला रहुवे.

गोपालगंज जिला के गोपालपुर इलाका के सेमरा गांव का लगे से पुलिस सवा दू हजार विदेशी शराब केह बोतलन का साथे तीन गो शराब तस्करन के गिरफ्तार क लिहलसि.

सारण जिला के जलालपुर इलाका से शराब माफिया अभिमन्यु सिंह के काल्हु पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.

सासाराम कोर्ट हाजत से शारब पियला के अपराध में बंद एगो कैदी फरार हो गइल. ओह शराबी के मालूम नइखे कि अब ऊ एगो अउर अपराथ अपना खाता में जोड़ लिहलसि.

कैमूर जिला के चांद इलाका में कुछ अपराधी एगो आदमी के गोली मार के हत्या क दिहले सँ. ओह आदमी के पहचान अबहीं ले नइखे हो सकल.

मंगल का दिने बांदा जेल में अपना मेहरारु से बतियावते में माफिया विधायक मुख्तार अंसारी के ह़र्ट अटैक हो गइल. उनुकर हालत देख के मेहरारुओ बदहवास हो गइली. अब दुनु जने के इलाज आनन फानन में एम्बुलेंस से ले आके लखनऊ के पीजीआई अस्पताल में हो रहल बा. वइसे एकरो गुनगुनाहट बा कि बांदा जेल में होखत सख्ती का चलते मुख्तार के आपन गैंग सम्हारे में दिक्कत होखत रहुवे.

आजमगढ़ के जहानागंज इलाका के बैजहां गांव का लगे भइल मुठभेड़ में पचिस हजार के इनामी बदमाश छन्नू सोनकर के पुलिस मार गिरवलसि. एगो सिपाहियो एह मुठभेड़ में घवाहिल हो गइल बा. एगो दोकरा वाकया में अतरौलिया इलाका के अजगरा स्कूल का लगे एगो सपा नेता के मूड़ कटल लाश मिलल बा. मरेवाला राजबहादुर राय अकबेलपुर गाँव के रहलन. उनुकर भाई गोँवे के पाँच जने पर नामजद केस लिखववले बाड़न.

साढ़े अड़सठ हजार बेसिक शिक्षकन के बहाली प्रक्रिया शुरु हो गइल बा. भरती परीक्षा फरवरी का आखिर में होखी आ एहमें बइठे वालन के आपन आधार कार्ड देखावल जरुरी होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up