महामहिमन के शिकायत बा कि लोग बोल कइसे लेत बा

by | Sep 3, 2021 | 0 comments

लोकतंत्र के मर्यादा होखेला कि तंत्र लोक का अधीन होखे बाकिर सचाई इहे बा कि तंत्र भरपूर कोशिश में रहेला कि लोक ओकरा अधीन होखे.
अपना देश के न्यायपालिका अपना के सबले ऊपर मानेला. ओकरा पर कवनो बंधन केहू ना डाल सके आ हालात अइसन हो गइल बा कि अब न्यायो के बंधन नइखे रहि गइल न्यायपालिका पर. न्यायमूर्ति लोग अपना मरजी से अपना पसंदीदा लोग के जज बहाल करे के आजादी पता ना संविधान के कवना धारा से ले लिहले बा. प्रतिबद्ध न्यायपालिका के पैरवीकार रहल कांग्रेस अपना कार्यकाल में एह भस्मासुर के खड़ा करा दिहलसि आ अब ई भस्मासुर सभका माथ पर हाथ रखे ला बेचैन हो गइल बा.
अब नया बखेड़ा शुरु कइल जा रहल बा जनता के सचाई जाने का नाम पर. कहल जा रहल बा कि अभिव्यक्ति के आजादी से बड़हन होला सही खबर जाने के आजादी. आ एह मुहिम में सभे अपना अपना स्वार्थ से सहजोग करे में लागल बा. सरकार चाहत बिया कि उहे खबर सामने आवे जवन ओकरा मनमाफिक होखे. मीडिया चाहत बिया कि पहिले का तरह खबरन पर ओकरे कब्जा रहो आ उहे खबर सामने आवे जइसन ऊ चाहत बिया. सोशल मीडिया पत्तलकारिता के सभले बड़ दुश्मन बन गइल बावे. ओकरा चलते मुख्य मीडिया के मनमानी नइखे चलि पावत. न्यायपालिका के शिकायत बा कि सोशल मीडिया न्यायपालिको के नइखे छोड़त आ जजो आ जजी का खिलाफ जम के टीका टिप्पणी होखत बा.
मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति महामहिम एन वी रमना के शिकायत बा कि कवनो ऐरा-गैरा (उनकर शब्द ना ह, बाकिर भावना इहे बा) यू ट्यूब पर आपन चैनल खोल लेत बा आ ओकरा जवन मन करत बा तवना के ऊ प्रसारित कइल शुरु कर देत बा. बिना ओकरा सचाई के पता लगवले भा कवनो मर्यादा के पालन कइले. एह चैनलन पर देखावल जा रहल हर खबर सांप्रदायिक पुट लिहले होखत बा. इहां ले कि एह चैनलन पर न्यायपालिका आ जजो लोग का खिलाफ बकवास कइल जा रहल बा.
आजादी का बाद से इतिहास के तोड़मोड़ के हिन्दू विरोधी हालात बना दीहल गइल रहुवे आ अब जब हिन्दू आपन बाति कहे के आजादी इस्तेमाल करे लागल बाड़ें त सभका शिकायत होखे लागल बा.
बड़का वकीलन के शिकायत बा कि अब ऊ फोने पर जमानत नइखन दिलवा पावत काहें कि जज अब पहिले का तरह आजाद नइखन. उनुको सोशल मीडिया के डर बा.
से जान जाईं कि देर सबेर ई हिन्दू विरोधी गठजोड़ सफल होखे जा रहल बा काहें कि सुप्रीम कोर्ट में जमायते उलेमा ए हिन्द अरजी लगवले बावे कि सोशल मीडिया जमात के बदनाम करे में लागल बा आ ओकरा पर रोक लगावल जाव. पत्तलकारो इहे चाहत बाड़ें, सरकारो के मनसा इहे बा. आ जे रोगिया के भावे से बैदा फरमावे वाला अंदाज में न्यायपालिको गरम लोहा पर हथौड़ा मारे का तइयारी में बा.
बाकिर हमनी के जाने के बा कि सगरी हथौड़ा देर सबेर हमनिए का मूड़ी पर गिरे के बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up