मीडिया के अजगरन का बीच के चन्दन ना रहलें

by | Sep 2, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, बियफे, भादो अन्हरिया 2078 विक्रमी)

राष्ट्रवादी पत्रकार, अंग्रेजी दैनिक द पायनियर के संपादक, आ दू बेर के राज्यसभा सांसद चन्दन मित्रा के बुध का देर राति (2 सितंबर 2021) कुछ दिन से चलल आ रहल बीमारी का चलते गंगा लाभ हो गइल. 12 दिसंबर 1955 के जनमल चन्दन मित्रा अगस्त 2003 से अगस्त 2009 ले राज्यसभा के मनोनीत सदस्य रहलें. बाद में दून 2010 में उनुका के मध्यप्रदेश से चुन के भाजपा दुबारा राज्यसभा सांसद बनवलसि. बाद में ऊ ममता बनर्जी के तृणमूल कांग्रेस में शामिल हो गइल रहलन.

कोलकाता के ल मर्टिनियर से पढ़ाई कइला का बाद दिल्ली के सेंट स्टीफेंस कॉलेज से स्नातक भइलें. आक्सफोर्ड युनिवर्सिटी से डॉक्टरेट करे वाला चन्दन मित्रा कई एक अखबारन से जुड़लें. कोलकाता के दि स्टेट्समैन, दिल्ली के टाइम्स ऑफ इण्डिया, संडे आब्जर्वर से होखत ऊ हिन्दुस्तान टाइम्स अखबार के संपादक बनलें. बाद में दि पायनियर अखबार के संपादक बनलें आ जब अखबार के मालिक एलएम थापर घाटा का चलते अखबार बेचे चललन त मित्रा ओकरा के खरीद लिहलन.

दुर्भाग्य से उनुकर मौत ओह दिने भइल जवना दिने हजारो हिन्दुवन के हत्यारा, देशद्रोही ग्लानिओ के मौत भइल आ सूअर प्रेमी मीडिया ओही खबर में अझूराइल रहि गइल आ अजगरन का बीच के चंदन के पेड़ उखड़ल ओकरा खातिर कवनो खबर ना बनि पावल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up