यूपी के योगी राज में चार लाख नवहियन के सरकारी नौकरी

by | Jun 7, 2021 | 0 comments

टटका खबर, सोमार, जेठ अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी

काल्हु अतवार का दिने यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी जानकारी दिहनी कि सभका सहजोग से कोरोना पर काबू पवला का साथही राज्य में एह कोरोना कालखण्ड में सरकार अपना आर्थिक गतिविधियन के सफल संचालन कइले बिया, पिछला चार बरीस में करीब चार लाख नवहियन के सरकारी नौकरी दीहल गइल बा. सगरी चयन परीक्षा नियमन के पालन करत तय समय से करावल गइल आ बाना कवनो भेदभाव के योग्य उमीदवारन के नियुक्ति कइल गइल.
राज्य सरकार के प्रवक्ता वतवले कि बेसिक शिक्षा परिषद के 31,277 सहायक अध्यापक, राजकीय माध्यमिक विद्यालयन के 3,317 सहायक अध्यापक, सिंचाई अउर जल संसाधन विभाग में 1,438 अवर अभियन्ता, परिषदीय प्राथमिक विद्यालयन के लगभग 37,000 सहायक अध्यापक, सिंचाई अउऱ जल संसाधन विभाग के 3,209 नलकूप चालक, आयुष विभाग में 1065 आयुर्वेद/होम्योपैथिक चिकित्सा अधिकारी, राजकीय माध्यमिक विद्यालयन के 436 प्रवक्ता आ सहायक अध्यापक वगैरह के एह दौरान नियुक्ति दीहल गइल बा.

काल्हु महाराष्ट्र में छत्रपति शिवाजी महाराज के राज्याभिषेक के 348वीं जयन्ती धूमधाम से मनावल गइल. सरकारो अपना जिला परिषदन, प्रखण्ड परिषदन, आ ग्राम पंचायतन के निर्देश दिहले रहुवे कि एह दिन के शिव स्वराज दिन का नाम से मनावल जाय. भाजपो एह दिन के उत्साह से मनवलसि आ शिवाजी महाराज के मुर्ति के अभिषेक कइलसि. 6 जून 1674 का दिने विदेशी मुगल शासकन के हरावे वाला शिवाजी महाराज के हिन्दू राष्ट्र के छत्रपति का तौर पर राज्याभिषेक भइल रहुवे.

उत्तर प्रदेश में कोरोना के कहर लगातार घटत गइला का बाद सोमार से 71 जिलन से कोरोना कर्फ्यू पूरा हट जाई आ अब सिरिफ मेरठ, लखनऊ, सहारनपुर, आ गोरखपुर जिलन में कोरोना कर्फ्यू चालू रह गइल बा.

उत्तरी अफगानिस्तान में तालिबानी आतंकवादियन आ अफगानिस्तानी सैनिकन का भइल गोलीबारी में आतंकवादी 14 गो सैनिकन के जान लेलिहले आ 37 गो सैनिकन के बंधक बना लिहले स. इलाका में अउरी सैनिक भेजल गइल बाड़ें हालात के मुकाबला करे आ बंधक सैनिकन के छोड़वावे खातिर. तालिबानी आतंकी फारयाब प्रांत के कैसर जिला में शनीचर रात एगो पुलिस स्टेशन पर ई हमला कइले रहलें.

उत्तर प्रदेश पुलिस के स्पेशल टास्क फोर्स ठाणे पुलिस का सहयोग से आजमगढ़ के निजामाबाद इलाका के फरिहा गाँव के रहेवाला एगो शातिर लुटेरा उमर के गिरफ्तार क के आजमगढ़ ले आवत बाड़ें.

जौनपुर के केराकत कोतवाली इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में एगो बोलेरो से धक्का लगला का चलते साइकल से जात दू आदमी घवाहिल हो गइलें जवना में से एक आदमी के बाद मे मौत हो गइल.

सारण जिला के छपरा निवासी आ देश के पहिलका राष्ट्रपति रहल राजेन्द्र प्रसाद के विशेष सलाहकार रहल आचार्य डॉ. कात्यायन प्रमोद पारिजात शास्त्री के निधन अतवार का दिने ढेर दिन बीमार रहला का बाद 89 बरीस का उमिर में हो गइल.

मिर्जापुर के कछवा इलाका के सुक्खु गाँव के एगो शराबी छोटमोट बात पर शनीचर रात अपना बेटा के कुदारी से काट के जान ले लिहलसि.

जौनपुर के महराजगंज इलाका के बैरमा गांव में एगो बारात का दौरान एगो खेत के किनारे बान्हल बाँस बल्ली गिर गइला का बाद भइल झगड़ा में पांच जने घवाहिल हो गइले. गाँव में पुलिस तैनात कइल गइल बा. एगो दोसरा खबर में जौनपुर जिला के एगो गाँव में जयमाल के रस्म का बाद दुलहिने फरार हो गइल. रात भर खोजला का बाद ऊ गाँवे के एगो नवही का घर में लुकाइल मिलल. पुलिस ओह नवही आ ओकरा बाप के गिरफ्तार क लिहलसि आ घंटन पंचायत का बाद बिआह के बाकी रस्म पूपा करवा दिहलसि.

भदोही जिला के ज्ञानपुर कोतवाली इलाका कंसापुर कांसीराम आवासीय कालोनी के तार गो नवही एगो स्कूटी पर सवार हो को स्टंट करत रहलें जब तेज रफ्तार स्कूटी बेकाबू हो के एगो पोखरा में गिर गइल. एगो नवही के त जोन चल गइल बाकिर तीन गो गाँव वाले बचा लिहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up