योगी का जन्मदिन पर विघ्न संतोषियन के एजेन्डा

by | Jun 6, 2021 | 0 comments

टटका खबर, अतवार, जेठ अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी

गोरक्षपीठाधीश्वर आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के काल्हु शनीचर के जन्मदिन रहुवे आ विघ्नसंतोषी एहू दिने अपना एजेन्डा पर लागल रहलें. एने कई दिन से तरह तरह के अफवाह पसारत हवा बनावे के कोशिश हो रहल बा कि केहू तरह यूपी से योगी के विदाई करा दीहल जाय. काल्हु सोशल मीडिया के गुलजार कइल गइल कि योगी के जनमदिन पर पीएम आ भाजपा के कवनो बडका नेता योगी के जन्मदिन के बधाई ना दिहलें आ एहसे लागत बा कि अब उनुकर गिनल चुनल दिन रह गइल बा मुख्यमंत्री के पद पर. हालांकि सचाई ई बा कि राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद, उपराष्ट्रपति वेंकैया नायडू, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, गृहमंत्री अमित शाह, भाजपा अध्यक्ष जे पी नड्डा, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह समेत भाजपा के सगरी नेता योगी के बधाई दिहलें आ उऩुका स्वस्थ जीवन के कामना कइलें. बड़का लोग फोन कर के त बहुते लोग ट्वीट क के आपन बधाई दीहल.

शुक का दिने एगो बइठक में समीक्षा करत उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि पूर्वांचल एक्सप्रेसवे के अगस्त तक ले आ बुंदेलखंड एक्सप्रेसवे के नवम्बर ले पूरा बना लीहल जाय, साथही गोरखपुर लिंक एक्सप्रेसवे के कामो तय समय में करा लीहल जाव. गंगा एक्सप्रेसवे खातिर भूमि अधिग्रहण करा के सितम्बर-अक्टूबर ले एकर शिलान्यास करवाके बनावल शुरु करे के निर्देशो दिहनी गोरक्षपीठाधीश्वर महन्तजी.

भोजपुर जिला के गड़हनी इलाका के धोबहा खरैचा गाँव का नियरा शनीचर का दिने भइल सड़क हादसा में चरपोखरी इलाका के बिहारी गाँव के एगो नवही के मौत हो गइल बा आ बाइक पर साथे बइय़ल दोसर नवही घवाहिल हो गइल.

जौनपुर मेडिकल कॉलेज के ओपीडी सेवा के शुरुआत काल्हु से हो गइल जब ई एन टी सर्जन डॉक्टर संजीव पटेल जिला चिकित्सालय में मरीजन के देखलें आ चिकित्सा सलाह दिहलें. कॉलेज में पढ़ाई के काम अगिल सत्र के दाखिला का साथ अगस्त ले शुरु हो जाए के उमीद बा.

रोहतास जिला के डेहरी इलाका के सुअरा हवाई अड्डा का लगे से चार गो अपराधियन के असलहा का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. मुखबिर से सूचना मिलला का बाद पुलिस बतावल जगहा छापा मार के एहनी के गिरफ्तार कइलसि.

सारण जिला के बनियापुर इलाका में सोहई साजपुर गाँन के एगो बूढ़ के मौत इनार में गिरला का चलते हो गइल. रात में पेशाब करे निकलल रहलें आ अन्हरिया में साफ ना लउकला का चलते इनार में गिर गइलें.

छपरा-सिवान रेलखंड के दाउदपुर टीसन का लगे रेलवे क्रासिंग पर बेलदारी गांव के एगो 40 बरीस के मेहरारू के मौत कवनो ट्रेन से कटा के हो गइल.

जौनपुर जिला जेल में शुक का दिने भइल एगो कैदी के मौत का बाद बाकी कैदियन के बवाल से सचेत प्रशासन कैदियन से बातचीत का बाद मामला के जाँच करे खातिर एगो मजिस्ट्रेट टीम बना दिहलसि. सात सदस्यन के ई टीम आपन काम शुरु कर दिहले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up