राहुल, सोनिया इहो बतावे लोग कि कवना मामिला में जमानत पर बा लोग : मोदी

by | May 6, 2018 | 0 comments

हुबली, धारवाड़ (कर्नाटक) 06 मई (वार्ता) प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु संयुक्त प्रगतिशील गठबंधन के अध्यक्षा सोनिया गांधी आ कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी पर आरोप लगावत कहलन कि महतारी बेटा पांच हजार करोड़ रुपिया के घोटाला का मामिला में जमानत पर चलत बावे लोग. एह लोग के चाहीं कि जनता के बतावसु कि आखिर कवन बाति ला एह लोग के जमानत लेबे के पड़ल बा.
एगो बड़हन जनसभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि सार्वजनिक जीवन के कुछ मर्यादा होले आ ओकरा के तूड़े के ना चाहीं. बाकिर ओकरा के तूड़ल जा रहल बा आ जो तूड़त बा ओकरा एकर कीमत चुकावहीं के पड़ी. दोसरा पर अछरंग लगावे से पहिले अपना ओर झाँके के चाहीं आ देश के बतावे के चाहीं कि एह लोग के कवना मामिला में जमानत मिलील बा आ कवना कारण एह लोग का खिलाफ केस लिखाइल बा.
कांग्रेस पर जनता के पइसा लूटे के आरोप लगावत भाजपा नेता आ पीएम मोदी कहलन कि कमीशन खोरी का चलते विकास के काम ना हो पावे. कहलन कि अटल बिहारी वाजपेयी सरकार में बनल हुबली अंकोला रोड के योजना एह लोग का चलते अबहीं ले लटकल बा. धारवाड़ सहित कर्नाटक के सात गो शहरन के स्मार्ट सिटी बनावे ला 14 हजार करोड़ के योजना में से सिद्दारामैया सरकार के आठ सौ करोड़ दीहल जा चुकल बा बाकिर ई लोग अबहीं ले महज 12 करोड़ रुपिया खरचले बा.
आजु सोनिया के दलित विरोधी आचरण के बात उजागर करत पीएम मोदी कहलन कि अपना दलित विरोधी रुझान का चलते आजु ले सोनिया गाँधी राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द से शिष्टाचारो मुलाकात करे नइखी गइत जबकि साल भर हो गइल जब दलित नेता के राष्ट्रपति चुनल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up