लटकबऽ त जइबऽ बेटा, सीखऽ एह लोग से

by | Jul 7, 2021 | 0 comments

मोदी सरकार में कुछ मंत्रियन के गलतफहमी रहुवे कि ओह लोग के हटावे भा पाँख कतरे के गुस्ताखी मोदी कबो ना करीहें. एहमें तीन गो नाम सबले खास रहुवे – रविशंकर प्रसाद, प्रकाश जावडेकर, आ रमेश पोखरियाल निशंक के. ई लोग अपना काम में लगातार नाकाबिल साबित भइला आ सोशल मीडिया पर भाजपा समर्थकन के नाराजगी से बेपरवाह आपन समय काटत रहुवे.

सूचना प्रसारण मंत्री के मीडिया पर कवनो असर ना रहल. हिन्दू विरोधी माहौल बनावे में लागल मीडिया आ फिलिम भा ओटीटी मीडिया बेकाबू बनल रहल.

निशंक शिक्षा मंत्री रहला का बादो अतना निफिकर-निशंक रहलें कि किताबन से हिन्दू विरोधी प्रकरण हटवावे के कोशिशो ना कइलन.

कानून मंत्री रविशंकर कबो सोचबो ना कइलन कि संविधान के अनुच्छेद 30 में संशोधन करवा के हिन्दुवनो के अपना धर्म संस्कृति के पढ़ाई करावे वाला संस्थान स्थापित करे के आ अपना धर्मग्रंथन के अध्ययन-अध्यापन के काम करवावे के अधिकार पा सकसु. आ बेंवत त उनुकर अइसन रहल कि ट्वीटर उनके हत्था कुछ देर ला उखाड़ दिहलसि आ ऊ हिनहिनइला का अलावे कुछ ना कर सकले.

एह लोग का खिलाफ सोशल मीडिया पर लगातार अभियान चलावत रहलें भाजपा समर्थक बाकिर एह लोग के ओकर कवनो परवाह कबो ना भइल. अब जब एह लोग के मंत्रीपद से मुक्ति दे दीहल गइल त सोशल मीडिया पर मोदी के जयकारा लागल शुरु हो गइल बा.

आजु के मंत्रिमंडल पुनर्गठन का बाद अब मोदी कैबिनेट में 77 गो मंत्री हो गइल बाड़ें. संवैधानिक प्रावधान का हिसाब से 81 गो मंत्री हो सकेलें केन्द्रीय मंत्रिमंडल में. मोदी सरकार में अब 27 गो पिछड़ा वर्ग के मंत्री, 12 गो अनुसूचित जाति के मंत्री आ 8 गो जनजाति मंत्रियन का साथही 5 गो अल्पसंख्यक मंत्री बाड़ें आ एह वर्गन के अतना बड़हन मौजूदगी आजु ले कवनो सरकार में नइखे रहल. महिला मंत्रियनो के गिनिती आठ गो हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up