वाजपेयी जी के आखिरी यात्रा में उमड़ल जनसैलाब

by | Aug 17, 2018 | 0 comments

नयी दिल्ली, 17 अगस्त (वार्ता). भारत रत्न आ प्रधानमंत्री रह चुकल अटल बिहारी वाजपेयी जी के आखिरी सफर में आजु राजधानी में जन सैलाब उमड़ पड़ल आ देश के दूर दराज इलाको से आइल लाखो लोग तिक्खर घाम आ उमस भर मौसम का बावजूद एहमें शामिल भइलें.
राजधानी के आईटीओ के नियरा दीनदयाल उपाध्याय मार्ग पर पार्टी मुख्यालय से जब दू बजे आखिरी यात्रा शुरू भइल त लोग भावुक हो गइल आ आँख नम हो गइल. माहौल ‘वाजपेयी अमर रहे’ अउऱ ‘वंदे मातरम’ के नारन से गुंजायमान हो गइल. सबेरहीं से राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र आ देश के दूरदराज इलाकन से आइल लोग अपना प्रिय नेता के आखिरी दर्शन करे ला लाखन का तादाद में उमड़ पड़ल. आखिरी यात्रा के पूरा राह पर लोग उनुका पार्थिक शरीर पर फूल बरसावत गइल. ई आखिरी यात्रा लगभग सात किलोमीटर के रहल आ आईटीओ, दिल्ली गेट, दरियागंज अउर शांतिवन से होखत राष्ट्रीय स्मृति स्थल चहुंपल.
एह मजल (शव यात्रा) में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ पार्टी अध्यक्ष अमित शाह, गृह मंत्री राजनाथ सिंह, मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान, केंद्रीय मंत्री विजय गोयल समेत अनेके खासमखास लोग पैदल चल के स्मृति स्थल चहुंपल. आजु ले कवनो दोसर उदाहरण नइखे जब कवनो प्रधानमंत्री कवनो काम ला अतना लमहर दूरी पैदल चलल होखसु. बाकी लोग त बीच बीच में सुस्तातो रहुवे बाकिर पीएम मोदी आ अमित शाह पूरा दूरी पैदले चलि के आइल.
आखिरी सफर पर वाजपेयी जी के पार्थिव शरीर के तिरंगा में लपेटके फूल माला का साथ सेना के वाहन में ले जाइल गइल. सेना के जवान वाजपेयी जी के पार्थिव शरीर के कंधा दे के वाहन पर रखलें. वाहन पर चारों ओर फूल माला से सजावल गइल रहुवे. एह मौका पर सुरक्षा के कड़ा इंतजाम रहुवे आ सुरक्षा अधिकारी लगातार नजर बनवले रहुवे.

राजकीय सम्मान का साथ अटलजी पंचतत्व में विलीन

पारंपरिक विधि विधान, ग्वालियर से खास तोर पर बोलावल गइल पण्डितन के मंत्रोच्चार आ भक्तन के गगनभेदी नारन का बीच पूरा राजकीय सम्मान से बाजपेयी जी के आखिरी संस्कार करावल गइल. आ एकरा साथही उनुकर पार्थिव शरीर पंचतत्व में विलीन हो गइल.
राजधानी के शांतिवन के नियरा राष्ट्रीय स्मृति स्थल पर भारत रत्न वाजपेयी जी के गोद लीहल बेटी नमिता भट्टाचार्य उनुका के मुखाग्नि दिहली आ शस्त्र दाग के वाजपेयी जी के आखिरी सलामी दीहल गइल.
एहसे पहिले राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद, उप राष्ट्रपति एम. वेंकैया नायडु, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, लोकसभा अध्यक्षा सुमित्रा महाजन, उच्चतम न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश दीपक मिश्रा, रक्षा मंत्री निर्मला सीतारमण, थल सेना प्रमुख जनरल बिपिन रावत, वायुसेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल बी एस धनोआ अउर नौसेना प्रमुख एडमिरल सुनील लांबा वाजपेयी जी के पार्थिव शरीर पर पुष्पचक्र अर्पित कइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up