संविधान के माया, कतहीं धूप कतहीं छाया

by | Jun 9, 2021 | 0 comments

टटका खबर, बुध, जेढ चतुर्दशी, 2078 विक्रमी

पहिला खबर जानीं कि दिल्ली हाई कोर्ट दिल्ली दंगन के आरोपी आसिफ इकबाल तन्हा के जमानत दे दिहलसि काहे कि ओकरा बीए के परीक्षा में आपन छूटल पेपर के परीक्षा देबे के बा. अब दोसर खबर जानीं कि सुप्रीम कोर्ट एगो बूढ़ हिन्दू प्रवाचक आसाराम बापू के जमानत के सुनवाई टार दिहलसि. उऩुकर तबियत खराब बा आ ऊ आपन इताज बढ़िया से करावल चाहत बाड़ें.

उत्तर प्रदेश सरकार के अपर मुख्य सचिव, गृह सचिव, आ यूपीडा के मुख्य कार्यपालक अधिकारी अवनीश कुमार अवस्थी मंगल का दिने बतवलें कि पूर्वांचल एक्सप्रेसवे के तनिएमनी काम बाकी रहि गइल बा आ ओकरो के समये पर पूरा करा लीहल जाई. एह एक्सप्रेसवे के निर्माण करत कंपनियन के निर्देश दे दीहल गइल बा कि माटी के बाकी काम जल्दी से पूरा करे लोग आ सर्विस रोड के काम तेज करत ओकरो के तय समय सीमा में पूरा कइल जाय.

कोरोना के कहर कम होखला का बाद बिहार आ उत्तर प्रदेश में लॉकडाउन खतम करे के फऐसला लीहल गइल बा. बिहार में अब राति में कर्फ्यू लागल करी.

काल्हु गिरावट के अनेसा का बीच शेयर बाजार लिवालन के ताकत का चलते ओतना ना गिर पावल जतना बिकवाल चाहत रहलें. निफ्टी के कैण्डल एगो हैंगिगं मैन बन के रहि गइल. एह तरह के कैण्डिल तब बनेला जब तेजी के दौर में कमजोरी आवेला आ अगर अगिला दिने बिकवाली हो जाय त मानल जाला कि अब मंदी के दौर चले जा रहल बा. काल्हु सेंसेक्स में 53 अंक के आ निफ्टी में महज 12 अंक के गिरावट का साथ बाजार बंद भइल.

नीति आयोग के एगो सदस्य डॉ वी के पॉल के कहना बा कि गाभिन औरतन के कोरोना के टीका ना लगवावे के चाहीं काहे कि गर्भ में पलत भ्रूण पर ओकर का असर होखी अभी एकर जानकारी पूरा नइखे. कहलन कि सरकार जल्दिए एह पर पूरा विवरण जारी करी.

पाकिस्तान के खैबर पख्तूनख्वा प्रांत में एगो वैन सिंधु नदी में गिर गइल जवना चलते नाहियो त डेढ़ दर्जन लोग के मौत हो गइल.

भाजपा के बड़का नेता आ केंद्र सरकार में मंत्री रह चुकल पद्मश्री डॉ. सी. पी. ठाकुर सनातन धर्म के एगो पवित्र ग्रंथ श्रीमद्भगवतगीता के घरे घरे चहुँपावे के एगो अभियान के संरक्षक बन गइल बाड़ें. जान जाईं कि गीता के पुस्तक निशुल्क बाँटे का काम में एगो समिति पिछला छह महीना से लागल बिया जवना के संरक्षक बने के निहोरा डॉ ठाकुर मान लिहले बाड़न.

समाजवादी गोल सपा के संरक्षक मुलायम सिंह यादव के मेदांता अस्पताल में कोविड वैक्सीन लगवा लिहला का बाद अब उनुकर समर्थको टीका लगवावल शुरु कर दिहले बाड़ें. जान जाईं कि कोरोना के वैक्सिन के पुरजोर विरोध कइले रहलन अखिलेश यादव बाकिर अब ठिसुआइल मुँह बना के अखिलेशो के कहे के पड़ल बा कि उहो टीका लगवा लींहे. कहले बाड़न कि उनुकर विरोध भाजपा वाला टीका से रहुवे बाकिर ई त भारत सरकार के टीका ह.

मिर्जापुर कोतवाली देहात पुलिस काल्हु दू गो फरार बदमाशन के आमघाट रेलवे क्रासिंग का नियरा से गिरफ्तार कर लिहलसि. एहनी पर पचास पचास हजार के इनाम घोषित रहुवे.

जौनपुर जिला पुलिस बदलापुर इलाका से दूगो ठग के गिरफ्तार कर लिहलसि. ऊ दुनु अपना के श्रमिक कल्याण विभाग के कर्मचारी बतावत लोगन से रुपिया लेके एगो पंजीकरण फारम भरवावत रहलें.

संतकबीरनगर के महुली इलाका के अजांव गाँव में जमीन का झगड़ में एगो आदमा के हत्या ओकर पड़ोसी कर दिहलसि.

बस्ती के कप्तानगंज इलाका के एकटेकवा पोखरा का लगे से पलिस एगो वाहन चोर गिरोह के चार गो सदस्यन के गिरफ्तार कर लिहलसि.

आगरा में पारस अस्पताल में योजना बना के कोरोना के मरीजन के जान लेबे के ओकरा संचालक डा अरिंजय जैन के वायरल वीडियो के जांच करावे के आदेश दे दिहल गइल बा. वीडियो में डा जैन के कहल सुनल जात बा कि एगो मॉक ड्रिल करा के ऊ जानल चहलें कि पाँच मिनट खातिर अगर आक्सीजन रोक दीहल जाव त मरीजन के का होखी. एह ड्रिल में कई गो मरीज तड़प तड़प के मर गइलें.

कौशांबी के कोखराज इलाका के जलालपुर टेकरी गाँव के एगो आदमी अपना मेहरारू से भइल झगड़ा का बाद ओकर खून कर दिहलसि. क्षेत्र में एक व्यक्ति ने किसी बात पर हुए विवाद के चलते पत्नी की हत्या कर दिहलसि.

जौनपुर के सरायख्वाजा इलाका के फरीदपुर गाँव का लगे मंगल का दिने भइल एगो सड़क हादसा में टैंकर से टकरइला का बाद कार पर सवार भाजपा नेता सन्तोष सिंह सोलंकी के मौत हो गइल.

कुशीनगर के हाटा कोतवाली इलाका में एगो मुसलमान हिन्दू बनि के एगो नवहिन से दोस्ती कइलसि. बाद में ओकरा के नशा दे के ओकरा साथे कुकर्म करे के वीडियो बनवलसि आ वीडियो के सोशल मीडिया पर जारी कर दिहलसि. ओह आरोपी का खिलाफ रेप, मारपीट, धमकावे आ लव जेहाद के मुकदमा दर्ज कइल गइल बा.

गोपालगंज के कुचायकोट इलाका के रामपुर खरेया गांव के एगो आदमी के घवाहिल क के हाईस्कूल का नियरा फेंक गइले स कुछ बदमाश. बाद में उनकर मौत इलाज का दौरान गोरखपुर के अस्पताल में हो गइल. दोसर खबर बा कि माझा इलाका के छवही खास गाँव के एगो नवही पता ना कवना कारण फाँसी लगा लिहलसि. अलग खबर बा कि सिधवलिया इलाका का सुपौली गाँव का लगे से एगो अनजान आदमी के लाश बरामद भइल बा.

कुशीनगर अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डे पर सोमार का दिने भइल परीश्रण में भारतीय वायुसेना के बोइंग 737 विमान उतारल गइल आ कुछ देर बाद वापसी के उड़ान भरत वायुयान वापिस लवटि गइल.

भोजपुर जिला में बालू लादल ट्रकन का चालकन से जबरिया वसूली करे का आरोप में सहार थाना के थानेदार के निलंबित क दीहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up