सत्ता में लवटे के कांग्रेसी सपना मुंगेरी लाल के सपना जस : गडकरी

by | Mar 10, 2018 | 0 comments

मुंबई, 10 मार्च(वार्ता). केंद्रीय राष्ट्रीय राजमार्ग अउर जहाजरानी मंत्री नितिन गडकरी के कहना बा कि कांग्रेस के अध्यक्षा रहल सोनिया गांधी के बयान कि उनुकर गोल 2019 में फेरु केन्द्र के सत्ता में वापसी करी “मुंगेरी लाल के हसीन सपने” जइसन बा. कहलन कि कांग्रेस एक-एक करिके राज्यन का चुनाव में हारत जात बिया आ अइसना में ओकर सत्ता में वापसी के सवाले कहां उठत बा.

गडकरी आजु इंडिया टूडे के सम्मेलन में बोलत कहलन कि 2019 में कांग्रेस के सत्ता में वापसी के बाति वास्तिवकता से कोसों दूर बा. जवन गोल विधानसभा चुनावन में एक के बाद एक राज्य में पराजित होखल जात बावे ओकरा सत्ता में वापसी के सवाले नइखे उठत.

काल्हुए सोनिया गांधी एही सम्मेलन में कहले रही कि नरेन्द्र मोदी सरकार के अच्छे दिन वाला नारा के हश्र 2004 के इंडिया शाइनिंग जइसन होखे वाला बा आ कांग्रेस 2019 में फेरु सत्ता में वापसी करी. एही का जवाब में गडकरी पूरा विश्वास का साथे कहलन कि – देश के जनता एक बेर फेरु मोदी ला भोट करी आ 2019 के आम चुनाव में वापसी करे के सोनिया गाँधी के सपना मुंगेरी लाल वाला हसीन सपना बनि के रहि जाई.

राज्य विधानसभा चुनावन में भाजपा के प्रदर्शन के जिक्र करत गडकरी के कहना रहल कि – हमनी के पहुंच पूर्वोत्तर में हो गइल बा. केरल अउऱ पश्चिम बंगाल में बढ़िया प्रदर्शन करत बानी जा. विपक्ष में बइठल गोल त जरुरे कही कि सत्तारुढ दल अगिला चुनाव हारी. कहलन कि मोदी के अगुवाई में केन्द्र सरकार पिछला चार साल में जतना काम कइले बिया ओतना त कांग्रेस अपना पचासो बरीस में नइखे करि पवले.

अच्छे दिन पर पूछल सवाल का जवाब में गडकरी कहलन कि “अच्छे दिन सोच के विषय ह.” सरकार के बुनियादी सुविधा क्षेत्र, उड्डयन समेत अन्य क्षेत्रन में कइल गइल कामन के जिक्र करत केन्द्रीय मंत्री कहलन कि कृषि क्षेत्र पर अउरी धेयाव देबे के जरुरत बा. गँवई इलाकन के हालात आ राजस्थान के दू गो लोकसभा उपचुनावन में भाजपा के हार पर पूछल सवाल पर गडकरी कहलन कि चुनाव में हार जूत त चलते रहेला बाकिर भाजपा के भावी प्रबल बा.

गडकरी के कहना रहल कि प्रधानमंत्री लोकतांत्रिक तरीका से काम करेलें बाकिर हउवें “कड़क” आदमी. केन्द्र में एक व्यक्ति के शासन के अफवाह “धारणा” भर बा. भाजपा “महतारी बेटा के गोल” ना हवे. ई “बाजपेयी भा आडवाणी भा अमित शाह” के गोल ना हो के “लाखों कार्यकर्तन” के गोल ह.

साल 2019 के आम चुनाव में अगर भाजपा चुनाव नइखे जीत पावत आ राजग के सहयोगी दल मोदी के अगुवाई नइखन सकारत त का ऊ अगिला प्रधानमंत्री हो सकेलें का सवाल पर गडकरी कहलें कि ऊ प्रधानमंत्री के दउड़ में नइखन ना ही प्रधानमंत्री बनला के चाह बा.”

शिव सेना आ तेलुगू देश पार्टी जइसन सहयोगियन का नाराजगी का बारे में पुछल सवाल पर कहलन कि – हमरा विश्वास बा कि हमनी के मित्र हमनी का साथए रहीहें आ राजग सत्ता में बनल रही, सहयोगियन का साथे मनभेद दूर करे का बाति पर गडकरी कहलन कि “तेरा मेरा जमता नहीं आ तेरे बिना मेरा बनता भी नहीं.”

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up