सपा धिरवलसि कि अब यूपी में खेला होई

by | Jun 28, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, सोमार, आषाढ़ अन्हरिया चउथ, 2078 विक्रमी)

यूपी में अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव का तइयारी में कारसेवकन पर गोली चलवावे वाली, काँवड़ यात्रा रोकवावे वाली, मंदिरन पर से लाउडस्पीकर उतरवावे वाली सपा अपना विरोधी वोटरन के धिरावल शुरु कर दिहले बिया कि अब यूपी में खेला होई. ओकर इशारा बंगाल का तरफ बा जहाँ ममता बनर्जी के तृणमूल गोल खेला होबे का नारा का साथ चुनाव लड़ले रहुवे आ चुनाव खतम होखते अपना विरोधिपर ऊ कहर बरपवलसि कि लोग दहशत में आ गइल. ना त केन्द्र सरकार, ना न्यायपालिका, ना मीडिया एह खेला के रोक सकल. अखिलेश पहिलहीं कह चुकल बाड़न कि उनकर गोल अपना विरोधियन के सूची बनवले बिया आ ओहमें नयो नाम जोड़त जात बिया आ चुनाव बाद सपा सरकार बनते सभकर हिसाब कइल जाई.

अखिलेश के चाचा शिवपाल काल्हु दू घंटा अयोध्या में रहि के संत-महंतन के आशीर्वाद लिहलन. ओकरा बाद कहलन कि सगरी गोलन के मिलजुल के भाजपा के हरवावे के कोशिश करे के चाहीं. जवन आदमी अपना परिवार के एकजुट ना रहे दिहलसि ऊ अब दोसरा के एकजुट रहल सिखावत बावे. इटावा में अपना बलबूते निर्विरोध जिला पंचायत अध्यक्ष पद जीतला के बड़ाई करत कहलन कि भाजपा आपन सरकारी हनक देखा के अध्यक्ष पदन पर डाका डालत बिया. अगर विरोधी एकजुट रहतन त अइसन ना हो पाइत.

बिहार विधानसभा चुनाव में निकहा जीत हासिल कइला से उछाह में आइल ओवैसी के ऑल इंडिया मजलिस-ए-इत्ताहादुल मुस्लिमीन यूपी विधानसभा के अगिला साल होखे वाला चुनाव में 100 सीटन पर लड़े के एलान कइले बिया. ऊ सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी, आ कुछ अउरी गोलन का साथे मिल के भागीदारी संकल्प मोर्चा बनवले बिया.

पश्चिम बंगाल के 24 परगना जिला के ससोन इलाका के एगो स्कूल के खाली पड़ल मकान में बम बनावत तीन तिलंगा बम फटला से घवाहिल हो गइले स. प्रशासन ओहनी के इलाज के व्यवस्था करावत बिया, भाजपा के कहना बा कि ई लोग तृणमूलिया होखीहें जबकि तृणमूल के कहना बा कि पुलिस मामिला के जाँच करत बिया आ दोषियन के बखसल ना जाई.

जम्मू के सैनिक हवाई अड्डा पर अतवार का दिने ड्रोन से बम गिरावल गइल. एह आतंकी हमला से दू गो सैनिक घवाहिल हो गइलें. हमला का छह घंटा का भितरे राष्ट्रीय जांच एजेंसी जम्मू के बाहरी इलाकी बेलीचेराना से दू गो संदिग्धन के गिरफ्तार क लिहले बिया. आतंकी संगठन लश्कर से जुड़ल एहनी के कहना बा कि ओहनी के विस्फोटक सामग्री के खेप पाकिस्तान से मिलल रहुवे. ओने सेना के कहना बा कि एह हमला में कवनो सैनिक उपकरण के नुकसान नइखे भइल.

बिहार के पांच गो विश्वविद्यालयन में कुलपति नियुक्त करे के समय नीतीश सरकार का लगे ना होखला का चलते प्रभारी कुलपतियन से काम चलावल जा रहल बा. पाटलिपुत्र विश्वविद्यालय, आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय, मौलाना मजहरुल हक विश्वविद्यालय, वीर कुंअर सिंह आरा विश्वविद्यालय, मुंगेर विश्वविद्यालय, आ पूर्णिया विश्वविद्यालय में सगरी काम पर असर पड़त बा. सत्र दू से तीन साल पीछे चल रहल बा.

शुक का दिने राजद विधायक तेजस्वी यादव दावा कइलन कि बिहार के मौजूदा सरकार तीन महीना भितरे गिर जाई. एह पर उपेंद्र कुशवाहा उनका के सपना ना देखे के कहलन. बिहार सरकार गिरे वाला नइखे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up