सब गोलमाल है भाई सब गोलमाल है

by | Aug 1, 2021 | 0 comments

कहल जाला कि राजनीति में केहू केकरो ना होखे. सभे अपना ला कुरसी खोजे में लागल रहेला. नेहरु का जमाना से मुसलमान कांग्रेस के वोट बैंक रहलें. एह खाता में कांग्रेस कुछ जमा करत रहे कि ना से त दावा से सच्चरो कमिटी ना जान सकल बाकिर एह खाता से ऊ भरपूर निकालत जरुर रहुवे.

बाद में एगो वोट बैंक अउरि बनावे के कोशिश भइल वीपी सिंह का जमाना में. पिछड़न के मुद्दा उठा के ऊ कमंडल का खिलाफ मंडल के लड़ाई सामने ले अइलें बाकिर एकर फायदा मुलायम आ लालू जइसन धुरंधर जातिवादी ले लिहलें. दलितन के वोट बैंक बनवलें कांसीराम आ ओकर फायदा अबहियों उनुका गोल के मिल रहल बा. मायावती के सगरी अस्तित्वे एही वोट बैंक का चलते बा.

एह वोट बैंकी लड़ाई में हिन्दुवन के पूरा तौर पर अनदेखी भइल आ बँटवारा में हिन्दुवन का हिस्सा में आइल हिन्दुस्तान नेहरु आ गाँधी का फेर में हिन्दुवन के दोयम दर्जा के नागरिक बना दिहलसि. ब्रिटिश शासन काले से हिन्दुवन का बीच राष्ट्रवाद के लहर उठावे का कोशिश में लागल राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ गँवे-गँवे हिन्दुवन के एकजुट करे में लागल रहल. बाजपेयी सरकार बने आ उधिया जाए का बीच संघ एगो मंथन से गुजरल. एक तरफ के कहना रहुवे कि हिन्दुस्तान में मुसलमानन के वोट जीतला बिना टिकाऊ सरकार ना बनावल जा सके. दोसरा तरफ के कहना रहुवे कि जबले बाकी वोटबैंकन का मुकाबले हिन्दुवन के एगो वोट बैंक ना बनावल जाई तब ले हिन्दू सरकार के सपना सपने रहि जाई. श्रीराम मंदिर के मुद्दा उठा के लालकृष्ण आडवाणी हिन्दुवन के एगो मजगर वोट बैंक बनवलन त जरुर बाकिर बाद में उनुको लागल कि एतने से ना होखी आ अपना सलाहकार सुधीन्द्र कुलकर्णई का बहकावा में आके उहो बहक गइलन आ जिन्ना के मजार पर जा के आपन कब्र खोद अइलें. संघ कार्य में केहू के अपना सीमा के अतिक्रमण के अधिकार ना होखे आ आडवाणी ओह सीमा के लाँघे के गलती कर गइलें. परिणाम उहे भइल जे कवनो जमाना में बलराज मधोक के भइल रहुवे आ आडवाणी का हाशिया पर डाले में देर ना लागल संघ के.

एही बीच नरेन्द्र मोदी के उदय भइल. संघ के प्रचारक रहला का साथही ऊ नाटको में काम कर चुकल रहलें. संघ के सिखवला से बेसी फायदा भइल नाटक मंडली में सिखलका के. आपन बात कवना तरह से कहल जाव कि श्रोता ओकरा के अपना लेसु ई गुण भा कला मोदी नाटके का दौरान सिखलें. संघ के जमीनी स्तर पर ढेर दिन काम करे के फायदो मिलल उनुका आ ऊ एक तरह से भाजपा पर अपना के थोपे में सफल हो गइलें. हिन्दुवन के लागल कि पहिला बेर कवनो नेता एह तरह से खुलमखुल्ला हिन्दुहित के बात कहे करे में लागल बा त ओकर साथ दीहल जरुरी बा. आ तब साल 2019 में पहिलका बेर कवनो राजनीतिक गोल केन्द्र में सरकार बनावे में सफल हो गइल जबकि ऊ पूरा देश में एकहू मुसलमान के भाजपा के टिकट ना दिहले रहुवे. पहिला बेर लागल कि मुसलमान वोट बैंक के पूरा तरह से ठेंगा पर राखियो के जीतल जा सकेला. अगिला चुनाव 2024 में मोदी दुबारा जीत के अइलें आ पिछला बेर से अधिका ताकत ले के.

मोदी युग के बाद भाजपा आपन नीति त ना बदललसि बाकिर जुबान जरूरे बदले के कोशिश कइलसि. संघ जान गइल कि काम जवन करे के बा तवने करऽ बाकिर बोली में बदलाव ले आवऽ. मोदी सभकर साथ सभकर विश्वास सभकर विकास के बात करे लगलन आ संघ प्रमुख हिन्दु मुसलमान के एके डीएनए होखे के बात करे लगलन. एह धुरंधर के असली भाव ओकरा वोट बैंक से छिपल रहल आ ओकरा लागत बा कि मोदी सरकार हिन्दू हित से फरका होखत बिया. जबकि भाजपा बदलले कुछ नइखे, बस अतने कहल शुरु कइले बिया कि बतिया पंचे के रही जबकि ऊ भितरे-भीतर अड़ल बिया कि खूंटवा रहिए पर रही.

अइसने एगो मुद्दा बा आरक्षण के. मोदी सरकार के मालूम बा कि ओकरा विरोधियन के धोबी पछाड़ लगावे के बा त आरक्षण से बढ़िया दाँव दोसर कुछ नइखे. साथ ही हिन्दुवन के एगो बड़हन हिस्सा के अपना साथे कर ली. कुछ अगड़ा बिगड़िहें जरुर बाकिर ऊ लोग प्रबुद्घ ह आ चालाक के बुड़बक बनावल बुड़बक बुछवला से हमेशा आसान होला.

आ एहिजे सब गोलमाल लउके लागल बा. विरोधी हिन्दू मुद्दा, मंदिर मुद्दा के साथे लउके के कोशिश करे लागल बाड़ें. तिलक तराजू और तलवार, सबको मारो जूते चार कहे वाली बसपा आपन अभियान मंदिरे मंदिर पूजा कर के शुरु करत बिया. कारसेवकन पर गोली ना चलववतीं त मुसलमानन नाराज हो जइतें कहे वाला मुलायम के बेटा अखिलेशो अब मंदिर में पूजा करे लउके लागल बाड़ें. हद त ई हो गइल कि अब बंवारो गिरोह श्रीराम पर सगरी हिन्दुस्तान के हक बतावे लागल बाड़ें. आ इहे गोलमाल हो गइल बा. कमाल ई बा कि जाति दिहला का बादो भात नइखे मिले वाला विपक्ष के. 2024 अबहीं दूर बा आ इतिहास गवाह बा कि मोदी दोसरा के मैदान में खेले ना उतरसि आ हर बेर विपक्ष के अपना मैदान में आवे के मजबूर कर देलें.

सबले ताजा नमूना बा हाल के संसद सत्र. विपक्ष असली मुद्दा छोड़िके पेगासस के मुद्दा पर अटकि गइल बा आ शायद इहे सोच के सत्र का मौका पर भाजपा वाले एह मुद्दा के उठवा दिहले होखसु. कउवा कान ले गइल सउँसे विपक्ष कउवा का पाछे धावे से पहिले इहो ना देखलसि कि सचहूं कान ले गइल कि कान अपना जगहे पर बा.

हम भाजपा समर्थकन हिन्दुवन आ खास क के अगड़ा वर्ग से इहे कहब कि महाभारत के ऊ घटना याद राखसु जब कौरव पांडव मिल के अपना दुश्मन के हरवले रहलें. पहिले एह विपक्ष के कूड़ादान में डाले दीं सभे. पिछड़ा आ दलितो आपने भाई बिरादर हउवें. उहो अगड़ा बन जइहें त अगड़ा-पिछड़ा के लड़ाइओ खतम हो जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up