सरकार का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पर जुम्मा का दिने चरचा

by | Jul 18, 2018 | 0 comments

नयी दिल्ली, 18 जुलाई (वार्ता). मोदी सरकार का खिलाफ तेलुगुदेशम् पार्टी (तेदेपा) का तरफ से पेश अविश्वास प्रस्ताव लोकसभा में चरचा करे ला बुध का दिने सकार लीहल गइल आ एह पर चरचा आ भोटिंग अब शुक माने जुम्मा का दिने करावल जाई.
ओह दिन सदन में ना त प्रश्नकाल चली ना कवनो गैर-सरकारी कामकाज. सबेरे 11 बजे से चरचा शुरू होखी आ ओही दिन प्रस्ताव पर भोटो करा लीहल जाई. मोदी सरकार के चार बरीस से अधिका के कार्यकाल में ओकरा खिलाफ पहिला बेर अविश्वास प्रस्ताव आइल बा.
मानसून सत्र का पहिला दिने प्रश्नकाल का बाद जरूरी कागजात सदन पटल पर रखवइला का बाद अध्यक्ष सुमित्रा महाजन सदन के सूचित कइली कि उनुका तेदेपा के के. श्रीनिवास, थोटा नरसिम्हन, राष्ट्रवादी कांग्रेस पाटी के तारिक अनवर, मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी के मोहम्मद सलीम, कांग्रेस के मल्लिकार्जुन खड़गे अउर के.सी. वेणुगोपाल आ रिवॉल्यूशनरी सोशलिस्ट पार्टी के एन. के. प्रेमचंद्रन का तरफ से अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस मिलल बा. एहमें श्रीनिवास के प्रस्ताव सबसे पहले मिलल एहसे उनुके के प्रस्ताव पेश करे के मौका दीहल जा रहल बा.
एह सांसद श्रीनिवास एक लाइन के प्रस्ताव पढ़लन, जवना में कहल गइल कि , ‘यह सभा सरकार के खिलाफ अविश्वास व्यक्त करती है।’ एकरा बाद अध्यक्ष जानल चहली कि सदन में कतना सदस्य एह प्रस्ताव के समर्थन करत बाड़ें. एकरा बाद कई एक गोल के 50 से अधिका सदस्य प्रस्ताव का समर्थन में खड़ा हो गइलें. तब स्पीकर कहनी कि ऊ प्रस्ताव के चरचा ला सकार लेत बानी. जाने जोग बा कि अविश्वास प्रस्ताव चरचा ला सकारल जाए जोग तबे मानल जाले जब कम से कम 50 गो सदस्य समर्थन करत होखसु.
सदन में कांग्रेस के नेता खड़गे एह पर नाराजगी जतवलें कि अध्यक्ष उनुका के प्रस्ताव पेश करे के मौका ना दिहली. कहलन कि देश के सबले बड़का विरोघी गोल होखला का नाते ई मौका उनुके दीहल चाहत रहुवे. तब स्पीकर महोदया कहली कि सबसे पहिले प्रस्ताव के नोटिस देबे वाला के नियम का हिसाब से मौका दीहल गइल बा आ एहमें छोट बड़ गोल के सवाल नइखे.
बाद में भोजनावकाश का बाद स्पीकर महाजन सदन के सूचित कइली कि प्रस्ताव पर चरचा आ भोटिंग 20 जुलाई, शुक का दिने करावल जाई.
तृणमूल कांग्रेस के सदस्य 20 जुलाई के चरचा करावे के विरोध करत कहलें कि 21 जुलाई का दिने उनुकर गोल पश्चिम बंगाल में ‘शहीद दिवस’ मनावेले आ ओह दिन गोल के सांसदन के ओहिजा जाए के बा. एहसे चरचा सोमार का दिने करावल जाय. बाकिर स्पीकर कहली कि ऊ आपन फैसला दे दिहले बाड़ी आ अब एहमें बदलाव ना कइल जा सके.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up