साढ़े तेरह बरीस जेल, दुमका डोरंडा बाकिये बा

by | Jan 24, 2018 | 0 comments


पहिला बेर मनल उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस
उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू आजु लखनऊ में उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस आ एह मौका पर आयोजित लखनऊ महोत्सवो के उद्घाटन कइलन. एह मौका पर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेशवासियन के करोड़ों रुपिया के कई गो परियोजनन के एलान करत कहलन कि ई यूपी खातिर गौरव के दिन बा. जाने जोग इहो बा कि यूपी दिवस के पहिला बेर आयोजन भइल बा. ना त पिछला सरकार में सैफईए यूपी रहुवे.

साढ़े तेरह बरीस जेल, दुमका डोरंडा बाकिये बा
चारा घोटाला से मशहूर हो गइल लालू प्रसाद के तीन गो मामिला में कुल मिला के साढ़े तेरह बरीस के जेल हो चुकल बा। पहिला में 5 साल, दुसरका में साढ़े तीन साल आ अब तिसरका में फेरु पांच साल। आ बुड़बकव के अबहियों ई साजिशे बुझाता।
आ अबकी त बाबाजी के मिरजईयो नइखे लाज बचावे ला कि उनुका के रिहा के दिहले आ इनका के जेल। अबकी जगनाथो मिसिर के जेल आ जुरमाना लालुए बराबर मिल बा। को बड़ छोट कहत अपराधू।
अब दु गो मामिला अउर रहि गइल बा दुमका आ डोरंडा वाला। ओहू में पांच पांच बरीस के आशीर्वाद मिलिए सकेला।

एकरा साथही आजु टटका प आ चुकल खबर –

जदयू के एगो नेता का घर पर गोलीबारी
पूर्वी चंपारण जिला के नगर इलाका में काल्हु मंगल का देर रात बीसन बदमाशन के गोल बिहार के सत्ताधारी जदयू के एगो नेता का घर पर धुआँधार गोलीबारी कइलन. बाकिर केहू के गोली लागे के खबर नइखे.

ह़ाकी मैच में भारत न्यूजीलैंड के हरवलसि
हैमिल्टन में होखत इन्विटेशनल टूर्नामेंट का दुसरका दोर के आपन पहिला मुकाबिला में आजु भारत के पुरुष हॉकी टीम मेज़बान न्यूजीलैंड के 3-2 से हरा दिहलसि.

परिसरे में एगो डीरेका कर्मचारी के हत्या
वाराणसी के मंडुवाडीह इलाका के डीजल इंजन रेल कारखाना का परिसरे में एगो डीरेका कर्मचारी के गोली मार के हत्या का बाद उनुकर साथी लाश का साथे प्रदर्शन कइलें.

नवजोत सिंह सिद्धु अब पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह का खिलाफ
भाजपा छोड़ के कांग्रेस में आइल नवजोत सिंह सिद्धु अब पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह का खिलाफ मोर्चा खोललन. उनुका शिकायत बा कि गोल आ सरकार में उनुकर मोस नइखे लागत.

बलिया का बैरिया में सड़क हादसा
बलिया के बैरिया इलाका में आजु भइल एगो सड़क हादसा में ट्रक से कचरा के एगो मोटरसाइकिल सवार नवही के मौत हो गइल. ऊ जमालपुर गांव के रहुवे.

बनारस में धराइल 14 लाख के नोट
पाँच सौ आ हजार रुपिचा के 14 लाख रुपिया के रद नोट वाराणसी के चेतगंज इलाका के लक्सा से बरामद करत पुलिस तीन जने के गिरफ्तार कइले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up