सेनिटरी नैपकीन, राखी, मूर्ति, आ पत्तल वगैरह जीएसटी से बाहर

by | Jul 21, 2018 | 0 comments

नयी दिल्ली 21 जुलाई (वार्ता). जीएसटी परिषद आजु अपना बइठक का बाद सेनिटरी नैपकिन, राखी, मूर्ति, कंपोस्ट, सिक्का, साल के पत्तियन से बनल दोना अउर पत्तल, अलगा से पोषक तत्त्व मिलावल दूध जइसन कईएक सामान पर से जीएसटी हटा दिहलसि.
परिषद के आजु एहिजा 28वीं बइठक का बाद वित्त मंत्री पीयूष गोयल बतवलन कि सेनिटरी नैपकीन, राखी, क्वायर, कंपोस्ट, फूलझाड़ू, साल के पत्ता से बनल दोना अउर पत्तल, अलगा से पोषक तत्त्व मिलावल दूध, सिक्का, पत्थर, संगमरमर अउर लकड़ी के मूर्तियन के कर मुक्त क दीहल गइल बा. एकरा अलावे कई एक सामानन पर लागे वाला जीएसटी का स्लैब में बदलाव क के कम कइल गइल बा. जइसे कि हाथ से बनल दरी पर 12 से घटाके 5 प्रतिशत, बाँस के फ्लोरिंग, केरोसिन के प्रेशर स्टोव, जिप अउर स्लाइड फास्टनर पर 18 से घटाके 12 प्रतिशत, आ इथेनॉल पर 18 प्रतिशत से घटाके 5 प्रतिशत कइल गइल बा.
घरेलू उपयोग के इलेक्ट्रॉनिक उपकरण जइसे कि वाशिंग मशीन, वैक्यूम क्लीनर, मिक्सर, वाटर कूलर, मिल्क कूलर, आइसक्रीम फ्रीजर, लीथियम-आयन बैटरी, पेंट अउर वार्निश वगैरह पर अब 28 फीसदी जीएसटी का बदले अठारहे प्रतिशत जीएसटी लागल करी. बिना पॉलिश के पत्थर पर कर के दर घटा के पाँच प्रतिशत क दीइल बा
वित्त मंत्री गोयल बतवले कि नव घंटा चलल बइठक में राय-विचार का बाद 55 से अधिका तरह के सामान पर जीएसटी घटावल गइल बा. ई नयका दर 27 जुलाई से लागू होखी.
ई-बुक्स पर लागे वाला 18 प्रतिशत जीएसटी घटा के 5 प्रतिशत क दीहल गइल बा. आयुष्मान भारत खातिर दीहल प्रीमियम पर कवनो जीएसटी ना लागी.
परिषद के अगिला बइठक 4 अगस्त के होखी जवना में महज सूक्ष्म, लघु अउऱ मध्यम उद्योगन से जुड़ल मुद्दन पर राय-विचार कइल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up