हाथरस : बंटी बबली के जोड़ी आ गिरोहन के रुपिया

by | Oct 4, 2020 | 0 comments

जबसे यूपी का हाथरस में देश विरोधी गिरोहन के एगो मौका लउकल बा तबसे देश विरोधी गिरोह पूरा ताकत झोंक दिहले बाड़ें एह मामला पर आग लगावे खातिर.

बाकिर देश आ खास क के यूपी के लोग एह देश विरोधी-अपराधी-मजहबी साजिश के बढ़िया से जान ले लें बाड़ें जवना चलते ईहो साजिश तार-तार होखे जा रहल बा.

सोशल मीडिया पर आम चरचा बा कि जबसे योगी सरकार माफिया गिरोहन पर आपन अंकुशा कसल शुरु कइले बिया तबसे ई लोग बेचैन बा. अब हाथरस मामिला में कहल जात बा कि कुछ भाँड़ मीडिया चैनलन आ ओकरा पत्तलकारन के करीब सौ करोड़ रुपिया के फंडिंग कइल गइल बा. एही चलते ई मीडिया वाले बेमतलब बवाल करे में लागल बाड़ें. एगो ऑडियो सामने आइल बा जवना में अइसने एगो खबरंडी लइकी के भाई के सिखावत बिया कि ओकरा बतावल तरीका से बयाल देव त ओकरा के पचास लाख रुपिया मिल सकेला.

सुने में त इहो आवत बा कि योगी सरकार अइसनका कुछ पत्तलकारन का खिलाफ रासुका लगावे के तइयारी करत बिया.

दुख के बात बा कि देश विरोधी गिरोहन के साजिश का बहकावा में आ के कई एक बेवकूफ हिन्दुओ ओहनिए के भासा बोले लागल बाड़ें. अइसनका लोग के अपना निजी छवि के चिन्ता रहेला आ ना चाहसु कि उनुका के केहू पक्षपाती मानो-कहो.

समय के माँग बा कि अपना निजी लाभ-हानि के चिन्ता कइला बिना राष्ट्र के चिन्ता करीं आ चालबाजन के चाल समुझे के कोशिश करीं.

अगर दलित हिन्दू लइकी के बलात्कार के मुद्दा बनावे के बा त बलरामपुर के दलित हिन्दू लइकी के का अपराध बा कि ओकरा ला केहू नइखे बोलत. कांग्रेस शासित राज्यन में भा गैर हिन्दू बलात्कारियन के सह दीहल जा रहल बा. अगर आरोपी मुसलमान बा त ना त मीडिया ओकर नाम ली ना ई देश विरोधी गिरोह. एह बाति के समुझे के कोशिश करीं.

गलत हर हाल में गलते रही. विशेष परिस्थिति आ विशेष समुदाय के अपराधी होखला का चलते ओकरा के सही मानल भा छोट सामान्य घटना बनावे-बतलावे के कोशिश चालबाजी कहाई. चालबाजन के चाल में फँसला के जरुरत नइखे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up