हार देखत ईवीएम जाप शुरू कइलसि त्रिपुरा में माकपा

by | Feb 21, 2018 | 0 comments


अगरतला 21 फरवरी (वार्ता) मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी चुनाव आयोग से शिकायत करत कहले बिया कि त्रिपुरा में 18 फरवरी के भइल विधानसभा चुनाव का दौरान ईवीएम में बार-बार खराबी आवे के जांच करावल जाय. माकपा गोल के कहना बा कि 13 गो विधानसभा इलाकन में पीवीपैट पर्ची आ ईवीएम में दर्ज मतदाता संख्या के ध्यान में राखत एकर जांच करावल जाय.

एही सिलसिला में पुरनिया माकपा नेता नीलोत्पल बसु काल्हु नयी दिल्ली में मुख्य चुनाव आयुक्त ओम प्रकाश रावत से मुलाकात कइलन आ चुनाव आयोग से कहलन कि मुख्यमंत्री के विधानसभा क्षेत्र धानपुर आ भाजपा प्रदेश अध्यक्ष बिप्लव कुमार देव के विधानसभा क्षेत्र बलरामपुर में सबले बेसी गड़बड़ी के शिकायत रहल. अइसने गड़बड़ी सिमना, पानीसागर, धर्मानागर, तकारजला, राधाकिशोरपुर, माताबाड़ी, बागमा, आशाराम्बड़ी, मोहनपुर, मंदियाबाजार, अउर सूर्यामानिनगर विधानसभा क्षेत्रो से सुने के मिलल बा.

उनुका ज्ञापन में इहो आरोप लगावल गइल बा कि कुछ ईसीएल अभियंता राजनीतिक गोलन के प्रतिनिधियन का गेरमौजूदगी में चुनाव से एक दिन पहिले राते में ईवीएम खोल दिहलें. पानीसागर विधानसभा क्षेत्र के सगरी ईवीएम, धर्मनगर के 12 गो आ जुब्राजनगर के तीन गो ईवीएम खोल दीहल गइल रहुवे. एहसे संदेह होखत बा. काहें कि पूरा तरह से तइयार ईवीएम खोले के अधिकार केकरो ना होखे. पता ना मशीन खोलि के ई अभियंता मशीनन में का का कइले होखीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up