#ArrestKejariwal से सहमल दिल्ली सरकार

by | Mar 29, 2020 | 0 comments

बिहारी आ यूपी के प्रवासी मजदूरन का साथे दिल्ली के सरकार चलावत आआपा गिरोह के मयभावत बेवहार देखि के काल्हु पूरा देश आपन नाराजगी जतवलसि. ट्वीटर पर #ArrestKejariwal के मुहिम जोर ध दिहलसि आ राति होखत होखत दिल्ली सरकार आपन चाल पलटि ला मजबूर हो गइल.

जान जाईं कि एह प्रवासी मजदूरन का बीच जानबूझि के अफवाह पसारल गइल कि लॉकडाउन अबहीं अउरी बढ़ेवाला बा. एह चलते ओह लोग के जिनिगी भूखमरी वाला होखे जा रहल बा. ओह लोग के बतावल गइल कि दिल्ली सीवान का पार बस खड़ा बाड़ी सँ जवना से ऊ लोग अपना गाँव ले जा सकी आ कवनो भाड़ा ना देबे के पड़ी. एह अफवाह का चलते एगो बड़हन भीड़ दिल्ली के सीवान पार करे ला निकल पड़ल.

कहल जात बा कि पहिले त सगरी दुनिया के अपना कोरोना षडयंत्र में फँसवलसि चीन आ जब देखलसि कि हिन्दुस्तान एह बेमारी के मकड़जाल से बाहर निकले का राह पर चल निकलल बा त देश विरोधी गिरोहन आ भँड़ुआ पत्तलकारन के आगा बढ़ा के लॉकडाउन फेल करे के चाल चल दिहल गइल. बँवारा विचार राखे वाला आ अराजकता के सबले घिनाह पैरवीकार अरविन्द केजरीवाल सरकार आ ओकर गिरोह कोशिश कइलसि कि ल़कडाउन के असफल करा दीहल जाव आ दिल्ली से संदिग्ध मरीजन के एगो बड़हन झुण्ड बिहार आ यूपी के गाँव-देहात में पसार दीहल जाव.

लोग एह चाल के असलियत देखि के अतना अनराज भइल कि ट्वीटर पर #ArrestKejariwal के मुहिम चला दिहलसि. हो सकेला कि ओकरा बाद केजरावाल के कनवो सनेसे पठावल गइल होखे. एकरा बाद देर राति केजरी पलची मारे ला मजबूर हो गइलन. आ अब प्रवासी मजदूरन में से कुछ लोग के अपना शरण में राखे ला मजबूर हो गइल.

जानोजोग बाति इहो बा कि बिहार आ यूपी के लोगन के भगावे में त लाग गइल आआपा गिरोह दिल्ली में रहेवाला धुसपैठियन आ रोहिंग्यन मुसलमानन के बीच कवनो भगदड़ ना मचवलें. एह लोग ला आआपा सरकार के भण्डारा खुलल रहल.

उमीद कइल जाव कि देश विरोधियन के एह साजिश पर केन्द्र सरकार धेयान दी आ एह लोग के काबू में राखे के कोशिश करी.. दोसरा तरफ यूपी आ बिहार सरकारन से निहोरा बा कि एह भीड़ के अपना गाँवन में धुसे मत देव आ एह पूरा भीड़ के आइसोलेशन में कम से कम 14 दिन राखल जाव. काहें कि तय बा कि एह भीड़ में कोरोना प्रभावित रोगियन के संख्या सैकड़न में हो सकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up