एनडीटीवी के मालिकाना हक हासिल करे में कवनो बाधा नइखे

by | Aug 26, 2022 | 0 comments

तीन दिन पहिले के खबर से पुरान खबर पर कबो केहू के धैयाान ना गइल रहुवे जब बारह बरीसन से अधिका समय से रिलायंस समूह से जुड़ल एगो कंपनी एनडीटीवी के पाले पोसे के काम करत रहुवे. आ ई तब से चलल आवत रहुवे जब देश में कांग्रेसी सरकार रहल रहुवे. जब ले बाति तोपाइल लुकाइल रहल तबले ना त केहू के पता चलल ना केहू सवाल उठावल.

अब जब ओह कंपनी के अडानी समूह के एगो कंपनी खरीत लिहलसि त बवाल मच गइल. कहाए लागल कि मीडिया पर व्यावसायिक घराना काबिज होखे के साजिश करत बावे. एनडीटीवी के करजा देबे वाली कंपनी करार करा लिहले रहुवे कि जबे ओकर मन करी तबे ऊ एनडीटीवी के सबले बड़का हिस्सेदार रहे वाली आरआरपीआर के हिस्सा के लगभग 29 फीसदी हिस्सा ले सकी.

अब अडानी समूह के कंपनी करजा देबे वाली कंपनी के खरीद लिहलसि त ऊ सेबी के खबर दे दिहलसि कि ऊ एनडीटीवी के 29 फीसदी के मालिकाना हक हासिल कर लिहले बिया आ अब सेबी के प्रावधानन का अनुसार 26 फीसदी हिस्सा अउरी खरीदे ला खुला ऑफर दे के एनडीटीवी के 55 हिस्सा के मालिक होखे के काम करी.

अब जब बाति फइल गइल, जाने सभ कोई वाला हालात बन गइल त एनडीटीवी का तरफ से कहल गइल कि एगो मामिला में सेबी ओकरा पर रोक लगा दिहले बावे कि एनडीटीवी समूह नवम्बर 2022 ले कवनो तरह के शेयर कारोबार ना कर सके त कंपनी के शेयर ऊ कइसे हस्तांतरित करी. एही खबर पर आजु अडानी समूह का तरफ से बयान आइल बा कि 29 फीसदी हिस्सेदारी हासिल करे पर सेबी के सकार के जरुरते नइखे. ओकर कहना बा कि एनडीटीवी चलावे वाली कंपनी आरआरपीआर के उठावल सवाल बाहियात बाति बा आ ओकर ना त कवनो आधार बा ना कवनो कानूनी तर्क.

एनडीटीवी वालन के कहना बा कि अडानी के एह सौदा का बारे में ना त आरआरपीआर से कवनो बात कइल गइल ना ओकरा के खबर दीहल गइल आ सबकुछ लुकाके कइल गइल बा.

एह खबर का बाद से एनडीटीवी के शेयरन के दाम तेजी से बढ़े लागल बा. बाकिर एहमें नया निवेश करे से पहिले दस बेर सोचला के जरुरत बा. ट्वीटर समूह के मालिकाना हक खरीदे के टेस्ला समूह के कोशिश आज कवना मुकाम पर बा ई हमेशा धेयान में राखे के चाही.

शेयर बाजार से जुड़ल खबरन में देश के विदेशी मुद्रा भंडार में कमी होख आ डॉलर का मुकाबले रुपिया में आठ पइसा मजबूती के खबर बा. शेयर बाजार में आजु मामूली तेजी देखे के मिलल आ बीएसई सूचकांक 59 अंक चढ़ि के 58833.87 अंक पर आ निफ्टीफिफ्टी 36 अंक बढ़ि के 17668.90 अंक पर बंद भइल. सोना चांदी का बाजार में आजु गिरावट के दिन रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up