चलीं शे(य)र का शिकार पर निकलल जाव

by | Dec 29, 2023 | 0 comments

मथैला पढ़ते रउरो जानिए गइल होखब कि आजु के ई पोस्ट शेयर शिकार माने कि शेयर ट्रेडिंग करे का बारे में बावे.

जानकार आ पुरनका शिकारी कहिहें कि शेर के शिकार बहुते सहज होखेला बशर्ते रउरा लगे नीमन असलहा आ पर्याप्त कारतूस होखे आ साथही हिम्मत होखे कि शेर सामने लउक जाय त ट्रिगर दबावे में हाथ मत काँपे लागे. उर्दू साहित्य में गजल आ शेर के बहुते शोर मिलेला. ओहिजो कहल जाला कि शेर सुनल आ सुनावल त बहुते नीक लागेला बाकिर शेर सामने आ जाव त “पाजामा आगे से गीला आ पीछे से पीला” होखे लागेला.

शेयर ट्रेडिंग के चरचा में आजु हम एही दुनु बात के नींव पर अपना लेख के मकान ठाड़ करब. शुरुआत शे(य)र के शिकार वाली बात से कइल जाव. शेेयर ट्रेडिंग करे खातिर तीन चार गो बात बहुते जरुरी होला. जइसे कि रउरा में ई जोखिम उठावे के हिम्मत होखे के चाहीं. शेर के शिकार करत घरी जान हमेशा साँसत में रहेला. निशाना सही ना लागल, समय पर ट्रिगर ना दबाइल त शेर का बदले अपने शिकार बन जाए के पड़ेला.

सही असलहा आ कारतूस के बातो कतनो रेघरिआवल जाव कमे रही. शेयर ट्रेडिंग करे खातिर ट्रेडिंग के नियम-कायदा के जानकारी होखल जरुरी होला. ई नियम-कायदा हर आदमी खातिर एके जइसन होखेला बाकिर हर ब्रोकर एह नियम-कायदा के इस्तेमाल एके जइसन ना करे. आ बिना ब्रोकर के रउरा ट्रेडिंग करिए ना सकी. शेयर खरीद-बेच करे खातिर राउर एगो डीमैट खाता होखल जरुरी होला. ई डीमैट खाता रउरा कवनो ब्रोकर का लगे खोल सकीलें बाकिर एहमें सावधानी राखल बहुते जरुरी होला. हमार अनुभव ओह समय से बा जब शेयर के खरीद बिक्री आनलाइन ना होखत रहुवे. रउरा कवनो ब्रोकर भा ओकरा प्रतिनिधि का लगे आपन आदेश देत रहीं. अगर आदेश खरीदे के होखत रहुवे त ओह दिन के सबले ऊँच भाव पर रउरा भेंटात रहुवे आ अगर बेचे के आदेश रहल त दिन भर के सबले निचला दाम भेंटाइल करे. आ रउरा एह लूट के हँस के भा मजबूरी में सहत रहीं. आजुवो कुछ जगहा डब्बा ट्रेडिंग होखेला. एह ट्रेडिंग में बस जोखिमे-जोखिम रहेला. पहिलका त ई कि एह तरह के सगरी काम गैर कानूनी होला आ रउरा अपना साथे भइल धोखाधड़ी के शिकायत ना कर सकी. बाकिर कुछ लोग एहसे करेला कि एहमें कवनो लिखा-पढ़ी ना होखे आ सगरी धंधा करिया कमाई से होला. जबकि कानून सम्मत ट्रेडिंग में रउरा हर काम कैशलेस करे के होला. रुपिया डाले के होखी त अपना बैंक खाता से भेजे के पड़ी आ ओने से वापिस आई त ओही खाता में जाई. नगदी के इस्तेमाल ना होखेला शेयर ट्रेडिंग में.

अगर रउरा लगे पहिले से कवनो डीमैट खाता बा तबो रउरा कवनो दोसरा ब्रोकर का लगे दोसर-तीसर डीमैट खोल सकीलें. पाँच गो ब्रोकरन का साथे मिलल अपना अनुभव से हम बता सकीलें कि अगर रउरा ट्रेडिंग के काम करे के बा त आदित्य बिरला मनी से बढ़िया ब्रोकर शायदे मिली. ई ब्रोकर रउरा खरीद का बदले हमेशा मार्जिन दीहल करेला आ रउरा जब चाहीं ऊ भा कवनो दोसर शेयर के खरीद बिक्री कर सकीलें. इनका लगे एगो कमी जरूर खटकेला हमरा कि एकरा प्लेटफार्म पर सही चार्टिंग करे में दिक्कत होखेला. रउरा आपन कवनो खास पैटर्न संरक्षित ना कर सकी. बाकिर मार्जिन वाली सुविधा अतना मजगर बावे एह ब्रोकर के लगे कि चार्टिंग त हम सबले बढ़िया आ सबले लोकप्रिय ट्रेडिंगव्यू के सदस्यता खरीद के रखले बानी.
ई त भइल असलहा के बात. एह हथियारन का सहारे रउरा बहुते बढ़िया ट्रेडिंग कर सकीलें बशर्ते रउरा लगे कवनो बेहतर रणनीति बावे. रणनीति आ संकेतक के जिक्र आवते ई बता दीहल भा कहीं कि रेघरिआवल बहुते जरूर बा कि कवनो रणनीति भा संकेतक शत-प्रतिशत सफलता ना दे सके. अगर अइसनका कवनो रणनीति भा संकेतक के जानकारी हमरा लगे भा केहू दोसरा का लगे रही त ऊ रउरा के सलाह बाँटे ना आई. चुपचाप ओह रणनीति आ संकेतकन के इस्तेमाल करत पइसा कमाए में लागल रही. एहसे अपना सुभाव आ हालात से तालमेल राखेवाला कवनो एगो रणनीति पसंद कर लीं आ ओह रणनीति के तबले मत बदलीं जबले रउरा ओकरा हिसाब से कम से कम एक सौ सौदा नइखीं कर लेत.

हर रणनीति हर आदमी खातिर कारगर ना होखे. केहू के तुरते-तुरत खरीद-बेच करे के होला (स्काल्पिंग भा झपटमारी), कुछ लोग के एके दिन में सौदा निपटा लेबे के होला (डे ट्रेडिंग), कुछ लोग खरीद के राख लेला कुछ दिन ला (बाई टूडे, सेल टुमारो), त कुछ लोग खरीद के तबले राखेला जबले ओकर मन ना भर जाव (इनवेस्टिंग) वगैरह. आ हर तरह के ट्रेडर खातिर अलग-अलग रणनीति कामे आवेला. हम आपन धेयान स्काल्पिंग, डे ट्रेडिंग, बीटीएसटी पर सीमित राखेवाला बानी काहें कि इन्वेस्टिंग के पचड़ा में हम ना पड़ीं काहे कि हमरा लगे ना त अतना सम्पति बा ना समय. आ शेयर ट्रेडिंग करे वाला अधिकतर लोग एही तरह के होला. खरीद त लेला लोग ट्रेडिंग करे खातिर बाकिर नुकसान होखे लागेला त इन्वेस्टर बन जाला लोग. नारी मुई, घर संपति नासी, माथ मुड़ाय भए सन्यासी !

ट्रेडिंग करे के होखे त इन्वेस्टर मत बनीं आ इन्वेस्टर बने के बा त ट्रेडिंग मत करीं. एह बात के गाँठ बान्ह लीं.

अब आईं कारतूस पर. असलहा कतनो बढ़िया होखे बाकिर अगर रउरा लगे कारतूस नइखे त शिकार त ना भेंटाई शिकार बनत में देर ना लागी. शेयर ट्रेडिंग में कारतूस के मतलब होला पूंजी, आ बिना पूंजी के कवनो रोजगार ना कइल जा सके. तब चुपचाप कहीं कवनो नौकरी खोज लीं आ पूंजी जुटावे के इंतजाम करीं.

आ असलहा आ कारतूस का बाद बात आवेला हिम्मत के. मौका सामने होखी बाकिर रउरा भकुआइल रह जाएब कि का करीं. एकरा पीछे सबले बड़का कारण होला डर. आ बिना कुछ सोचले मैदान में कूद जाए वाला लालच में होला. डेराए वाला अपना डर के चलते मौका गँवा देला त लालच में पड़ल आदमी नुकसान उठा लेला. एकरो के गाँठ बान्ह लीं कि ट्रेडिंग में नुकसान होखे के अनेसा हमेशा रहेला. आ रउरा बस में बस अतने होखेला कि आपन नुकसान कम से कम करीं. मुनाफा त बाजार दी चाहे ना दी. नुकसान के सीमा में राखे के आदत बना लीं आ मुनाफा तय करे के जिम्मेदारी बाजार पर छोड़ दीं.

मन त करत बा कि एगो सहज रणनीतिओ बतावत चलीं बाकिर आजु अतने पर रुकत बानी. अगर रउरा हमरा बात में कुछ काम जोग लउकल होखे त नीचे कमेंट बॉक्स में जरुर लिखीं. अगर दस आदमी के राय मिल जाई त हम एगो बहुते सहज रणनीति रउरा सोझा जरुर राखब. नफा आ नुकसान रउरा किस्मत आ योग्यता पर निर्भर करी. शिक्षक पूरा क्लास के एके साथ पढ़ावेला आ ओहिमें से कुछ लोग अव्वल बनि जाला त कुछ लोग फिसड्डी. एहसे नफा आ नुकसान रउरा पर निर्भर करी. अगर नुकसान होखे त हमार सलाह मानल बंद कर दीं आ अगर मुनाफा हो जाव त कुछ गुरु दक्षिणा जरुरे दे देब. बिना गुरु दक्षिणा दिहले गुरु के दीहल ज्ञान इस्तेमाल कइला से पाप लागेला 🙂

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up