ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं

by | Sep 25, 2022 | 0 comments

ट्रेडिंग में सफलता चाहीं त नवीन पटनायक बन के रहीं, नीतीश बने चलब त सब कुछ बिलाए वाला बा.

नवीन बाबू बाजार (केन्द्र सरकार) से ना लड़सु. अगर बाजार उनुका मनमाफिक रहल त साथे चल चलीहें, ना त चुपचाप अपना काम में मगन रहीहें.
दोसरे ऊ आपन पूंजी (साख, राजनीतिक लोकप्रियता) गँवावे के जोखिम ना लेसु. उनकर मकसद हमेशा इहे रहेला कि अपना राज्य ला बेहतर से बेहतर कर सकसु. आ एकरा खातिर उनुका बाजार का साथे चले के पड़े ट चले ला तइयार रहेलें. ऊ आपन बेंवत जानेलें कि ऊ बाजार के अपना हिसाब से ना चला सकसु. उनुका इहो मालूम बा कि बाजार के चाल हमेशा उनुका के फायदे ना दी, हो सकेला कि कबो उनुका नुकसानो हो जाय. एह हालात ला ऊ अपना के अलगे राखेलें जेहसे कि नुकसान कम से कम हो सके अगर बाजार के चाल उनुका उलटा हो जाव त.

(Photo Source “https://www.facebook.com/CMO.Odisha/”)

नीतीश कुमार के अपना पर बहुते गुमान रहेला. उनका लागेला कि ऊ बाजार के अपना हिसाब से चला लीहें. अगर रउरा वइसने ट्रेडर हईं त देरी से ना, जल्दिए नुकसान उठावे के दिन आ जाई.

दोसरे सफल ट्रेडर दोसरा के कहला, सहकवला, बहकवला, (टिप्स) में ना आवे. ऊ हर बाति के परखेला आ ओकरा जब सही लागेला तबे मानेला, ना त ना.

बाजार में रहे वाला हर आदमी देर सबेर नुकसान होखे, हारे के अनेसा, वाला मौका से हरकल रहेला. जसहीं लागेला कि हालात ओकरा विपरीत जा रहल बा त ऊ आपन गलती सुधार लेला आ बाजार से निकल जाला.

शुक का दिने त कत्लेआम के दिन रहुवे शेयर बाजार ला. खाली अपने देश के बाजार ना डूबल, सगरी दुनिया के बाजारन में इहे हाल रहल. अब सोमार का दिने का होखे जा रहल बा ओहसे पहिले लेखा-जोखा लिआव शुक का दिन ला कइल गइल अनुमान के.

शुक का दिन ला हम लिखले रहीं कि –
1. FORTIS एकरा के 280.00 के स्टॉपलॉस लगाके 282.00 का लगे बेचल जा सकेला.
बेचे के सोचहूं के हिम्मत ना भइल. जबकि बाजार में जोरदार गिरावट देखे के मिलल रहे.

2. IDFCFIRSTB 51.00 का आसपास मिल जाव त लीहल जा सकेला. स्टॉपलॉस 50.50 के रही.
बाजार के गिरावट में ऊ समय अइबे ना कइल.

3. ZOMATO ई 64.00 का आसपास मिल सके त खरीदल जा सकेला. स्टॉपलॉस 63.00 के रही.
बाजार के गिरावट में ऊ समय अइबे ना कइल.

4. ITC एकरा के 346.00 का आसपास खरीदल जा सकेला. स्टॉपलॉस 343.00 के रही.
खरीदे के मौको मिलल आ 349.00 ले गइबो कइल.

कुल मिला के चार गो में से तीन गो अनुमान गलत निकलल. संतोष एही पर कर सकीलैं कि नुकसानो उठावे के हालात ना पैदा भइल. आखिर में एगो रणनीति का बारे में बतवले रहीं कि –

निफ्टी भा बैंकनिफ्टी के ऑप्शन खरीदे के शौकिन लोग ला एगो आसान रणनीति –
ट्रेडिंग व्यू पर स्पॉट के आधा घंटा अवधि वाला चार्ट लगा लीं. स्पॉट माने इंडेक्स के चार्ट. बाजार खुलला के एक घंटा बाद दुसरका कैण्डल के आपन मार्गदर्शक बना लीं. अगर ओकरा से उपर निकले त कॉल ऑप्शन आ नीचे गिरे त पुटऑप्शन लीहल जा सकेला. बाकिर ऑप्शन के सौदा बहुते खतरनाक होला. एहसे स्टॉपलॉस लगवले बिना कवनो सौदा ना करे के चाहीं. एह रणनीति के इस्तेमाल चाहीं त शेयरो ट्रेडिंग में कइल जा सकेला. सफलता के मूलमंत्र इहे रही कि स्टॉपलॉस लगवले बिना आगे नइखे बढ़े के.

जे लोग एह रणमीति का हिसाब से काम कइले होखी ओकरा जम के फायदो भइल होखी.

अनिश्चितता के माहौल में सोमार ला कवनो अनुमान नइखीं लगावत बाकिर उपर दीहल रणनीति अधिकतर दिने काम कर जाई.

 

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up