तीन बरीस में 40 लाख नवहियन के रोजगार मिली यूपी में : योगी

by | Feb 21, 2018 | 0 comments


लखनऊ, 21 फरवरी (वार्ता). राजधानी लखनऊ में आजु से शुरू दू दिन के ‘इन्वेस्टर्स समिट’ में दुनिया के खासमखास कारोबारी हस्तियन का मौजूदगी से उत्साहित मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहनी कि समिट से यूपी में निवेश बढ़ी आ राज्य के 40 लाख नवहियन के रोजगार मिले के मौका बनी.

योगी जी कहनी कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के मार्ग निर्देशन में उत्तर प्रदेश के बीमारू राज्य से बाहर निकाल के समृद्ध राज्य बनावल जाई. कहनी कि प्रदेश विकास के राह पर सरपट दउड़े ला तइयार बा.

कहनी कि प्रदेश सरकार विधानसभा में चार लाख 28 हजार करोड़ रुपिया के बजट पेश कइलसि आ संजोग देखीं कि समिट में अतने रकम के एमओयू पर हस्ताक्षर हो गइल. विकास के कवनो विकल्प ना होखे आ एकरा ला सुशासन चाहेला.

सरकार कई सेक्टर तइयार कइले बिया जवना में फिल्म टेलीविजन, एग्रीकल्चर, इलेक्ट्रानिक सामानन के उत्पादन होखे के बा. विकास ला सुरक्षा, इंफ्रास्ट्रक्चर, आ बढ़िया माहौल होखे के चाहीं. प्रदेश सरकार अपना एगारहे महीना का राज में कानून के राज बना गिहले बिया. बतवनी कि कानपुर, वाराणसी, गोरखपुर, आ इलाहाबाद में मेट्रो चलावे के कोशिश हो रहल बा.

कहनी कि उद्योगन के स्थापना से प्रदेश में रोजगार के अवसर बढ़ी. एकरा ला उद्योगपतियन के ग्रुप बनावल गइल बा. ‘ईज आफ डूइंग’ खातिर सगरी काम कइल जा रहल बा. डिजिटल कामे चलावल जात बा. एकरा अलावे कुटीर उद्योग आ वन डिस्ट्रिक वन प्रोडक्ट लेके लगातार काम कइल जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up