बड़की मछरियन के पूरा हक होला छोटकिन के खा जाए के

by | Sep 15, 2022 | 0 comments

बड़की मछरियन के पूरा हक होला छोटकिन के खा जाए के. आ शेयर बाजार में ई कहाउत अउरी साँच साबित होला. बाजार में बड़का पूंजी वाला कम पूंजी वालन के पूंजी बहुते जल्दी अपना में मिला लेलें. बाकिर कई बेर छोटकी मछरियन के झुण्ड टूट पड़ेला आ बड़की मछरियन के जान पर बन आवेला. जइसे कि कई बेर वीडियो देखले होखब कि कुकुरन के झुण्ड शेरो के भागे पर मजबूर कर देला. हालांकि शेयर बाजार में अइसनका मौका बहुते कम आवेला.

आजु का बाजार का बारे में काल्हु लिखले रहीं –

अब काल्हु बियफे ह आ साप्ताहिक सलटान के दिन. बियफे के बाजार त अउर मायावी होले. जइसे आजु पहिले बिकवाल लोग के निपटा दिहलसि बाजार वइसहीं काल्हु अगर लिवालन के निपटावे पर बढ़ चलल त का भरोसा.

बुध का दिने जइसे एक तरफा बढ़त ले के बिकवालन के डाँड़ तूड़े के काम भइल. आजु एक तरफा बिकवाली लिवालन के बाजा बजे दिहलें. अब जे बाजार खुलला का शुरुए में पुट खरीद लिहले होखी ओकर त पौ बारह रहल बाकिर जे बुध का दिने एह आसरा में कॉल खरीद के रखले होखी ओकर त सौदा बेकार हो गइल आजु.

इहे सब सोच के कहल जाला कि वायदा बाजार के सौदा रोज के रोज निपटा लीहल करीं. घाटा होखे भा मुनाफा, रात में नींद बढ़िया से आ पाई आ अगिला दिने के बाजार युद्ध ला रउरा तइयार रह सकीला.

अब साप्ताहिक निपटान भा सलटान त आजु सलटा दीहल गइल. अब अगिला सीरीज के सौदा शुरु करे के समय आ गइल. एहिजा जवन कुछ हम लिखिला ऊ रिटेल आ छोटका ट्रेडरन के दिमाग में ले के लिखिला. एहिसे हम कबो ऑप्शन बेचे के बात ना करीं. आ बड़का खिलाड़ी त महीने ना दू दू महीना आगे के सौदा बेच के जाल बिछवले रहेलें.

हँ त काल्हु का बारे में अतने कह सकीला कि काल्हु बाजार छोट दायरा में घूमत रही. काहे कि फेर दू दिन के छुट्टी सामने बा. आ वायदा बाजार में तीन रात सौदा खड़ा राखे के सोचलो बेवकूफी होला. कबो कबो गलती से लॉटरी लाग जाव त दोसर बात ना त जवना दाम पर खरीद के जाएब सोमार ले ओहमें पचास साठ रुपिया के कमी आ गइल रही.

एगो अउर बाति. रउऱा सभे के कवनो टीका टिप्पणी नइखे मिलत से बहुते मुश्किल लागत बा एकरा के चलावत रहल. अगर खवईया के स्वाद मिलल कि ना एकर पता रसोईया भा परोसे वाला के ना मालूम होखी त ऊ बेमन से काम करे लागी. खैर. रउरा सभे के मर्जी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up