वायदा बाजार में आउटर सिग्नल पर रुकल रेलगाड़ी

by | Sep 13, 2022 | 0 comments

रउरो अनुभव कइले होखब कि जब रेलगाड़ी रउरा गंतव्य के जंक्शन पर चहुँपे वाला होखेले त देखल जाला कि कई बेर उ जंक्शन का आउटर सिग्नल पर रुक जाले. चालक सीटी बजा-बजा के स्टेशन मास्टर के गोहार लगावत रहेला बाकिर सिग्नल हरियर होखे के नाम ना लेव. कई बेर त सिग्नल हरियर का बदले पीयर रंग वाला मिलेला. जवना के अर्थ होला – बढ़ऽ बाकिर देखत सम्हरत.

अब इहो सोचीं कि एह कड़ी में जहाँ हम शेयर बाजार के वायदा ट्रेडिंग के जिक्र कर रहल बानी त ओहमें ई रेलगाड़ी कइसे घुस गइल. रउरा इहो लागल होखी कि ट्रेडिंग के चरचा करे के हमार तरीका बाकी लोगन से फरका बा. एक त भोजपुरी में एह तरह के चरचा आ ओहपर से आम जिनिगी का अगल-बगल के अनुभव का रोशनी में एकरा के समुझावल.

आजु 13 सितम्बर 2022 का दिने निफ्टी-50 बहुत दिन से टिकावत 18000 का पार होईए गइल. ता उपर भा ताखा पर बइठल सुल्तान के तीर लाग त गइल बाकिर ओकरा बाद का ? 18000 के बिन्दु कवनो टर्मिनस त ह ना कि ओकरा आगा रेलगाड़ी के जाए के नइखे आ अब ओहिजे से वापसी का यात्रा पर निकले के बा. ऑप्शन-चेन देखावत रहुवे कि पुट बेचेवाला एकरा के 18000 से नीचे गिरे ना दीहें आ कॉल बेचेवाला 18100 के पार ना जाए दीहें. से बहुत देर ले ई त्रिशंकु बन के रह गइल. यज्ञ के प्रताप से त्रिशंकु नीचे ना गिरिहें आ देवता उनुका के जियते स्वर्ग में आवे ना दीहें. से आजु के वायदा बाजार त्रिशंकु बनि के रहि गइल. ना त 18100 छुअलसि ना 18000 पर वापस लवटल. फैसला अब काल्हु होखी कि केने जाए के बा.

बाकिर आउटर सिग्नल के चरचा काहे कइनी हम. रउरा देखब कि निफ्टी-50 अपना यात्रा में आए दिन 80 वाला अप आउटर सिग्नल आ 30 वाला डाउन आउटर सिग्नल पर जाके थथमबे करेला. आ एहिजा अतना देर ले रुक जाला कि मन अनसा जाला आ बहुते लोग ओहिजे आपन गठरी-बक्सा ले का उतर जालें. माने कि सौदा से निकल जालें. आजुओ जब बाजार 18000 से उपर चलल त बहुते लोग आपन सामान सरिहावे लागल कि बस अगिला जंक्शन पर त उतरहीं के बा. बाकिर 18080 अइसन अवरोध साबित भइल कि बहुते लोग के ओहिजे आपन सौदा काटे के पड़ गइल. वायदा बाजार में समय पर सौदा ना कटनी त रउरे कटा जाए के अनेसा रहेला. काहे कि हर मिनट ओह ऑप्शन के बेंवत में कमी आवत जाला. ऑप्शन सेलर माने कि बेचे वाला एकरे सहारे आपन मुनाफा काट लेलें. उनुका मालूम बा कि जतने देर लागी ओतने उनुका हक में रही. केस जतने लमहर दिन चली वकील साहब के आमदनी ओतने अधिका होखी. मुद्दई आ मुदालह त धन गँवावहीं आइल बावे.

बाकिर एगो विचार मन में आइल कि का एकर फायदा ऑप्शन खरीददारो उठा सकेलें का ? जइसे कि 18030 से आगे निकले त कॉल खरीद लीं आ 18080 चहुँपे त ओकरा के बेच दीं आ पुट खरीद लीं. देखब कि 18060 तक गिरबे करी अगर थथम गइल बा त. एह तरह से 60 आ अस्सी का बीच दुनु गाल पर थपड़िआवे के मौका कई बेर मिली. एहमें अगर एक बेर स्टॉपलॉस कटाइए जाई त कुल मिला के फायदे रहे वाला बा.

खैर ई त अबहीं जाँचे-परखे के विषय बा. कवनो रणनीति ओकर भल-बाउर सोचिए के इस्तेमाल करे के चाहीं. आईं अब काल्हु 14 सितम्बर 2022 का बाजार का बारे में सोचल जाव. अगर निफ्टी 18080 पार कर लेव त खरीददारी का ओर आ 18060 का नीचे गिरे त बिकवाली ओर डेग बढ़ावल जा सकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up