शुक 2 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही

by | Sep 1, 2022 | 0 comments

पता ना. बाकिर सभका तरह अटकर लगवला में हमरा कवनो नुकसान नइखे लउकत. ई सगरी पोस्ट हम अपना ट्रेडिंग का बारे में लिपिबद्ध करे खातिर करत बानी. कहल जाला कि हर ट्रेडर के अपना ट्रेडिंग के विवरण दर्ज क के राखे के चाहीं. बाजार खुलल रहला का समय के त ना बाकिर जब बाजार बन्द हो जाला त ओकरा बाद एह पर मंछन कइल जरुरी होला कि कहाँ गलती भइल, कहवाँ कुछ अउर सुधार करे के चाहीं, हमरा टेकनीक में का कमजोरी आ बढ़िया बा वगैरह. ट्रेडिंग के महारथियन खातिर एह पोस्टन के कवनो मतलब नइखे बाकिर जे नवही बा, जेकरा अबहीं पूरा जानकारी नइखे ओह लोग के अपना ट्रेडिंग के चरचा करि के कुछ ना कुछ देखावल बतावल जा सकेला. रउरो सभे अपना ट्रेडिंग के लेखा-जोखा रोज लेबे के आदत डाल लीं. देखब कि गँवे-गँवे राउर ट्रेडिंग सुधरे लागल बा.

हँ, त आजु का बाजार के प्लान जवन हम काल्हु सोचले रहीं ओकरा के पहिले देख लीहल जाव –
1) निफ्टी-50 जबले 17380 आ 17780 का बीचे रही तबले कवनो सौदा ना करब.
2) अगर निफ्टी-50 17780 के नीचे से पार क के उपर निकली त कॉल के आप्शन खरीदब. स्टॉप लॉस 17640 के रही आ पहिला निशाना 17880 के राखब. ओकरा ऊपर के कोशिश ना करब.
3) अगर निफ्टी50 उपर से गिरत 17380 का नीचा गिरल त पुट खरीदब. स्टॉप लॉस 17640 के रही आ पहिला निशाना 17280 के राखब. ओकरा नीचे जाई त ओकर पीछा करब trailing stoploss से.

बाजार पूरा दिन 17470 से 17700 का बीचे झूलत रहि गइल. एहसे कवनो सौदा त करे के ना रहल बाकिर गंगा सिंह के तलवार निकलिए गइल त कहीं ना कहीं त बजरहीं के रहल. (गंगा सिंह के गाँव में एक समय हुँड़ार के आतंक पसर गइल रहुवे. रोजे कवनो ना कवनो मवेशी आ एकाघ बेरि आदमिओ पर हमला कर देत रहुवे. गंगा सिंह अपना बहादुरी के किस्सा हमेशा फँउकत रहलें. त गाँव वाला एक दिन हुँड़ार के घेर लिहलें आ गंगा सिंह के बोलहटा पर बोलहटा जाए लागल कि आवसु अ हुँड़ार पर आपन बहादुरी देखावसु. बाकिर गंगा सिंह के चालाकिओ कम ना रहल. से ऊ तब ले समय कचलन जबले गाँव के लोग अकूता के ओह हुंड़ार के मार दीहल. तब गंगा सिंह तलवार भाँजत चहुँपलन. गाँव के लोग बतावल कि अब का, अब त हुँड़ार मरा गइल बा. तब गंगा सिंह आपन तलवार चमकावत कहलन कि गंगा सिंह के तलवार निकलिए गइल त कहीं ना कहीं त बजरहीं के बा. आ ओह मूअल हुँड़ार का उपर दू चार वार करि के अपना तलवार के इज्जत बचा लीहलन. )

से अपना योजना में कुछ बदलाव करत सबले मजबूत ट्रेंड लाइन का लगे कुछ सौदा करिए लिहनी. कॉल में त ना बाकिर पुट में काम भर के मुनाफा भेंटा गइल. उपर जात में 17640 का उपर बहुते छोट सफर रहल कैंडल के आ 17700 का बाद नीचे घूम गइल. बाकिर गिरावट में 17640 का नीचे आइल त 17470 के निशान छू लिहलसि.

एकरा के एह तरह से देखीं. मान लीं रउरा कतहीं जाए के प्लान बनवले रहीं कि फलां चौराहा से मुड़ के फलां रोड पकड़ लेब. बाकिर जब चौराहा का लगे गइनी त देखनी के बड़हन जाम लागल बा आ केनिओ ससरत नइखे सवारी. अब एह हालात में या त वापस लवटिं भा देखीं कि कवनो गली वगैरह बा का जे राह निकाल देव. एहसे ट्रेडिंग में लचको रहल ओतने जरुरी होला. जिद ना धरे के चाहीं. बस अपना जोखिम पर धेयान दिहला के जरुरत बा कि कहीं अइसन ना होखे कि गली में अउरी अँड़से के हालात बनि जाव.

दोसरे आजु वायदा कारोबार के साप्ताहिक बन्दी के दिन रहल, एहुसे बहुत कुछ करे के गुंजाइश ना रहुवे. अब काल्हु शुक ह आ ओकरा बाद दू दिन के छुट्टी आ जाई. एहसे अधिका लोग अपना वायदा के आगे खींचे के गलती ना करी. रउर सभे के एह तरह के जोखिम से बचे के चाहीं. कैश के शेयर खरीदल दोसर बाति होला. ओकरा के कुछ दिन सम्हारल जा सकेला बशर्ते ऊ लिवरेज ले के ना लीहल गइल होखे. लिवरेज के चरचा फेरु कहिऔ कइल जाई. एह हालात में शुक का दिने बाजार के चाल कुछ अइसन रहे वाला बा कि –

1) अगर निफ्टी-50 काल्हु 17700 आ 17500 का बीचे रहे त कवनो सौदा करे के नइखी सोचत.
2) अगर निफ्टी-50 ट्रेंड लाइन 17640 पार करि के उपर निकली आ 17700 का उपर टिकत लउकल त कॉल आप्शन खरीदब आ अगर 17640 का नीचे गिरत 17450 का नीचे आई त पुट आप्शन खरीदब. ई त हमार प्लान बा. रउरा आपन प्लान अपना दिमाग से करब हमरा कहला से ना. काहे कि वायदा बाजार के सूज्ञ होला कि आई आम चाहे जाई लबेदा. अपना लबेदा से मोह होखे त आम पर निशाना लगावल जरुरी नइखे, आ अगर निशाना लगावहीं के चाहत बानी त अपना लबेदा का मोह तजहीं के पड़ी.

बहुत कुछ एहू पर निर्भर करे वाला बा कि अबहीं से लेके काल्हु बाजार खुलला के बीच दुनिया के बाजार के चाल कइसन रहत बा. एह बीच जीएसटी के आंकड़ा अगस्तो के शानदार आइल बा आ आर्थिक विकास के गति पिछला तिमाही के बहुते बढ़िया रहला के खबर बा. एकरो असर हो सकेला. एहसे हर तरफ नजर राखत अपना लक्ष्यो के तिकवत रहे के चाहीं. हम त जब सड़क पर निकली ले त मान के चली लें कि हर आदमी हमरे के धक्का मारे वाला बा. ट्रेडिंगो बहुत कुछ एही तरह से कइल जाला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up