शुक 9 सितम्बर 2022 का दिने बाजार के चाल का हो सकेला

by | Sep 8, 2022 | 0 comments

साँप निकल गइला का बाद ओकर बनावल लकीर पीटल आसान होला बाकिर जब साँप सोझा होखे तब बुझाव ना कि केने वार कइल जाव. साँप मारे का बारे में किंवदन्ती ह कि साँप के आँखि में ओकरा के मारे वाला के फोटा खींचा जाला एहसे ओकर आँखि कूचल जरुरी होला. आ आँखि कूचे के ई काम हमेशा साँप का मरा गइला का बादे कइल जाला. एहसे चलत बाजार में कुछुओ फैसला कइल आसान ना होला. संकेत बतावे वाला संकेतकन indicators के कमी नइखे आ ओकरा बाद हर संकेतक indicator के अलग अलग लोग अलग अलग तरीका से इस्तेमाल करेला.

बाकिर सबले जरुरी होला दाम के चाल के बूझल. अँगरेजी के एगो कहावत शेयर बाजार के रणनीति बनावत घरी हमेशा याद राखे के चाहीं कि – कीप इट सिम्पल स्टूपीड ! (KISS – keep it simple stupid). रणनीति जतन सहज रहे ओकर पालन ओतने आसान होखेला. वइसे आजु हम संकेतकन के बाति नइखीं करे जात.

एहसे सबले पहिले त आजु के बाजार के लेखा-जोखा ले लीहल जाव –

काल्हु राति अमेरिका के शेयर बाजारन में बढ़त का लहर में भारतो के शेयर बाजार बह निकलल. कवनो अइसन कारण ना खोजल जा सके जे बता सके कि बाजार के चाल अइसन भा वइसन काहे भइल. करोड़ों लोग बाजार में जूझत रहेला आ ओहमें से अधिका लोग के मालूम ना होखे कि भीतर के कहानी का बा. अधिकतर देखा-देखी होखेला, दाम बढ़त में बेचे वाला एह भरोसे बेचेला कि बाद में जब दाम नीचे आई त फेरू खरीद लेब आ बढ़त में खरीदे वाला ई सोच के खरीदेला कि जब उपर जाई त बेच के निकल जाएब. एहमें से कब केकर पलड़ा भारी हो जाई अंदाज लगावल असंभव होला. कई बेर संकेतक के देखि के फैसला लीहल जाला आ एहसे अकसरहाँ संकेतक साँच निकल जाला. बाकिर हर संकेतक कब लुटिया डूबा दी एकरा ला कवनो संकेतक अबहीं ले नइखे बनल.

आजु त बाजार निपटान भा सलटान weekly settlement के दिन रहुवे आ एह दिन बाजार चाल अउरी मदाइल intoxicated रहेला. सबेरे जब बाजार खुलल त गैप अप का साथे आ देखते देखत 20 मिनट का भितरे 17792 के छू के नीचे आ गइल. ओह आपाधापी में रिटेल ट्रेडर अलगे से तमाशा देखेला. बाद में जब गिरान शुरु भइल ता 17800 के पुट खरीदल जा सकत रहुवे आ काम भर के मुनाफो मिल गइल होखी जे अइसन कइले होखी. बाकिर जे अधिका मुनाफा का लालच में रुकल होखी कि तनी अउरी देख लेत बानी ओकरा नुकसाने भइल होखी काहे कि बियफे का दिने टाइम के दाम तेजी से गिरेला काहे कि बाजार बंद होखे का बेरा ऊ सिफर हो जाला.

ओकरा बाद जे देख सकत होखी ऊ देखले होखी कि निफ्टी 50 के गिरला से एगो लाइन trendline जस बन गइल बा. आ दू बजे का आसपास निफ्टी50 ओह रेखा के पार करत उपर निकलल आ आजु 17800 के निशान छू के बंद भइल. कह सकीलें कि बजलऽ हो शंख बाकिर बाबाजी के पदा के !

आजु एक बेर फेरु पुरनका व्यवधान रेखा – line of resistance – के पार कर गइल आ ओकरा उपरे बंद भइल. अबले ई व्यवधान रेखा बहुते बरियार साबित भइल बा त उमेद कइल जा सकेला कि उहे रेखा अब आधार रेखा – line of support -का तरह ओतने मजगर साबित होखी. अब बाजार 18000 का दिसाईं बढ़े के उमेद बन गइल बा. बाकिर काल्हु शुक ह आ ओकरा बाद फेरु शनीचर अतवार के छुट्टी. एहसे काल्हुओ बाजार एगो सीमित दायरा में बनल रहे के उमेद बा. हँ ई दायरा उपर के स्तर पर रह सकेला.

अगिला सीरीज के सलटान 15 सितम्बर के होखी आ एह सीरीज में बाजार अगर 18000 के रेखा पार कर जाव त कवनो अचरज ना होखे के चाहीं. बाकिर इहो याद राखे के चाहीं कि बाजार कबो सोझ रेखा में ना चले, लहरात चलेले.

बुद्धिमानी एही में रहेला कि धारा का हिसाब से बहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up