शेयर मार्केट में बिकवाली के दौर नउवों दिने जारी

by | May 14, 2019 | 0 comments

पिछला आठ सत्र से बिकवाली के दौर झेलत देश के शेयर बाजार सोमारो का दिने जारी रहल. बाजार बन्द होखे का बारे जोरदार गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 372 अंक का गिरावट का साथे 37091 पर आ निफ्टी 131 अंक के गिरावट का साथ 11148 पर बन्द भइल.

जानकारन के कहना बा कि चुनावी दौर का चलते अबहीं निवेशक सहमल बाड़ें आ कवनो नया निवेश नइखन करत. आ जबे मौका मिलत बा मुनाफा काट लेत बाड़ें.

अगिला हफ्ता अतवार 19 मई का चुनाव का बाद साँझ से परिणामन के अटकलबाजी शुरु हो जाई आ सोमार से ले के बियफे 23 मई का दिन ले जबरदस्त उठापटक देखे के मिल सकेला. नौसिखिया आ कमजोर पाकिट वाला लोग अगर एह बीच बाजार से बाहरे रहे त नीमन. काहे कि पूंजी से बरियार शेयर खिलाड़ी अपना रौ में रहीहें.

वइसे पिछला कई चुनाव से देखे के मिलल बा कि चुनाव का बाद बाजार सुधरे के दौर शुरु हो जाला जवन उठत गिरत अगिला चुनाव ले नीमन फायदा दे जाला. एहसे अगर राउर निवेश बरियार शेयरन में बा त धीरज राखीं. रहीम के दोहा बहुते काम के ह कि –
रहिमन चुप ह्वै बैठिए देखि दिनन के फेर
जब नीके दिन आइहें बनत ना लगीहें देर.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up