सिरफल पाकल त कउवा के बाप के का ?

by | Sep 6, 2022 | 0 comments

बुध 7 सितम्बर 2022 का दिने शेयर बाजार कइसन रही

सिरफल पाकल त ओहसे कउवा के बाप के का ? इहे कहाउत आजु मंगल का दिने सही हो गइल. हम तो समझे थे कि बरसात में बरसेगी शराब, आई बरसात तो बरसात ने दिल तोड़ दिया. आजु का बारे में हम सोचले रहीं कि –

1) अगर निफ्टी-50 नीचे खुलला का बाद 17620 पार कइलसि भा गैप अप खुलला का बाद 17680 का पार निकलल त कॉल आप्शन खरीदब. दुनु हाल में पहिला लक्ष्य 17730 के राखब.
2) अगर 17700 का नियरा चहुँप के भा नीचे गिरत में 17620 का नीचे जाई त बेचे माने कि पुट आप्शन खरीदे के प्लान बनवले बानी. पहिला लक्ष्य 17550 के राखब आ ओकरो नीचे जाई त 17400 पर संतोष कर लेब.
3) अगर निफ्टी-50 17620 आ 17540 का बीचही नाचत रही त कवनो सौदा ना करब.
4) हर हाल में नुकसान के दायरा दीहल प्रीमियम का 5 फीसदी का भितरे राखब.

बाजार गैप अप खुलल आ देखते देखत 17650 पार करत 17762 ले चहुँप गइल. अवरोध रेखा का उपर से बाढ़ के पानी छलकल त जरुर बाकिर ओहमें नहाए के मौका ना रहे. शेयर बाजार के पुरनिया कह गइल बाड़ें कि शुरु के आपाधापी का बीच मूड़ी फँसावल नुकसान करा दी. एक त भेंटाई ना आ अगर भेंटाई त अइसन दाम पर कि कवनो फायदा ने ले सकबऽ. एहसे शुरु के 15 मिनट हम तमाशा देखीलें आ ओकरा बाद अगर कवनो मौका लउकल त बाजार में घुसे के कोशिश करीलें.

आजु जब लेखा-जोखा लेबे बइठनी त देखऽतानी कि 17730 का जगहा 17030 लिखा गइल रहुवे काल्हु का पोस्ट में. प्रूफ देखे के एक त मौका ना मिले आ दोसरे अगल मिलबो करे त दिमाग उहे पढ़त बढ़ी जाला जवन ऊ सोचत बा. ई त आम समुझ से बूझल जा सकत रहे कि 17620 का उपर के कॉल खातिर 17030 के लक्ष्य कइसे रखाई, हँ ओहिजा के स्टॉप लॉस जरुर लगावल जा सकेला. बाकिर उहो अतना नीचे के रही कि सगरी पूंजी बिला जाई. खैर. पढ़त घरी आपन दिमाग सक्रिय राखे के चाहीं आ लिखलका बिना समुझले ना माने के चाहीं. दोसरे ई कवनो परवरदिगार के लिखल करम लेख त ह ना कि ओकर लकीरो ना बदलल जा सके.

हँ, जब नीचे के राह धइलस त पुट खरीदे के मौका जरुर मिलल आ काम भर के मुनाफो दे गइल. एहिजा ई बटावल जरुरी बा कि हमार काम भर रउरा ला छटाँक भर से अधिका ना हो सके. एही मौका पर इहो दोहरावल चाहत बानी कि एह पोस्टन के मकसद दोसरा के कुछ सिखवला-बतवला के ना हो के अपना ट्रेडिंग के लेखा-जोखा लीहल अधिका रहेला. दोसरे आपन बाति सार्वजनिक कइला का बाद ओकरा के माने के मनो बनेला आ एहसे हम अपना प्लानिंग का हिसाब से ट्रेडिंग करीलें. दोसरे अगर बहुत दिन से नुकसान झेलत आए वाला ट्रेडर के चाहीं कि कम से कम एक महीना ऊ अपना नफा-नुकसान के काबू में राखो. जब कमाए के आदत लाग जाई त पूंजिओ बढ़ी आ तब गँवे-गँवे आपन दाँव बढ़ावल जा सकेला.

आजु निफ्टी-50 पुरनका अवरोध रेखा के पार जरुर कइलसि बाकिर ओकरा उपर टिके में सफल ना भइल. पिछला महीना 16 अगस्त के अवरोध रेखा के पार कइलसि त 19 अगस्त से आगे टिक ना सकल. एक त बड़हन ऊँचाई पर लोग मुनाफा वसूली शुरु कर देला – करहूं के चाहीं – दोसरे खरीदहूं वाला थथमे लागेलें. संतोष एह पर कइल जा सकेला कि दूइए हफ्ता में फेरु अवरोध रेखा के पार करे के मौका मिल गइल. आ जब नीचे गिरल त एक चोट फेरु मारे के कोशिशो कइलसि. उपरि बेरा लागल कि अह बाजार आपन उड़ान शुरु कर सकेला बाकिर तब ले लोग बाजार से सही-सलामत निकल जाए के मौका देखल शुर कर दिहले रहुवे.

आईं, आजु का बाजार देखत काल्हु का बारे में का हम का सोचत बानी ओकर चरचा करीं. सोमार का ट्रेडिंग रेंज के निफ्टी आजु दुनु ओर पार कइलसि बाकिर केनिओ टिकल ना. हँ रेंज के दायरा जरुर बढ़ा दिहलसि. अब बियफे का दिने साप्ताहिक निपटान देखत काल्हु आखिरी मौका बा आपन कौशल देखावे के. काल्हु बाजार अगर 17720 का उपर गइल आ कुछ देर ले उपरे रहल तब कॉल ऑप्शन खरीदे के मौका देखब हम. आ अगर 17580 का नीचे गिरल त पुट ऑप्शन खरीदे के. दोसरे 17600 का नियरा कॉल ऑप्शन लेबे के विचारब. मौका ठीकठाक लउकी तब. आ 17800 का उपर गइला का बाद मौका लागी त पुट ऑप्शन खरीदे के सोचब हम.

एह बीच रउरो अतना समुझ गइल होखब कि खरीदे से हमार मतलब कॉल आप्शन खरीदे से आ बेचला से मतलब पुट ऑप्शन खरीदे से होला. आप्शन बेचे के भा option writer बनल हमरा बेंवत का बाहर के बाति बा. हँ खरीदल ऑप्शन बेचल त सबका हाथ में होला. खरीदल ऑप्शन बेचला के मकसद या त आपन नुकसान रोके के कोशिश होला भा मुनाफा कमाए के मौका. ट्रेडिंग में डेरइला से काम नइखे चले बाला बाकिर अइसनो निफिकिर ना होखे के चाहीं कि फेरु कुछ रहबे ना करे फिकिर करे जोग. साथही ढेर लालचो नुकसान दे जाला. सोचीं कि रउऱा एक दिन में अपना लागत पर 5 से 10 फीसदी कमा लेत बानी त इहो कवनो बैंक के फिक्स्ड डिपॉजिट से अधिका दे रहल बा. बाकिर बहुते ट्रेडर अपना शुरुआती दिन में 100 फीसदी भा 200 फीसदी कमाए के सफना देखेलें आ एही में आपनो जथा-पूंजी गँवा के निकल जालें आ कहेलें कि फेरु एह बाजार में नइखे आवे के. जाने जोग बा कि एह बाजार के धुरंधरो लोग नुकसान उठावल रहेला बस अतने अन्तर होला कि ऊ लोग अपना नुकसान के सीमा का भितरे राखेला आ नुकसान से अधिका मुनाफा देबे वाला सौदा कइल सीख चुकल होला. हमनिओ के कोशिश इहे होखे के चाहीं कि नुकसान आ मुनाफा दुनु तरफ तर्क संगत रहो.

रउरा का सोचल बानी, ई त पूछत-पूछत थाक गइल बानी बाकिर पूछल छोड़ब ना. अब रउऱा पर बा कि बताएब कि ना ?

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up