सोमार 5 सितम्बर 2022 के बाजार कइसन रहे वाला बा

by | Sep 4, 2022 | 0 comments

शुक का दिने निफ्टी-50 पिछलका दिन (बियफे) बनल हाई आ लो का बीचे मँड़रात रहि गइल. खुलत बेरा पुरान रुकावट, बान्ह भा अवरोध रेखा के पार त कइलसि बाकिर ओहिजा से नीचे आवे में देर ना लागल. बाद में उपरी बेरा फेरु एक बेर ओह अवरोध रेखा के पार करे के कोशिश कइलसि बाकिर पार कइल त दूर के बाति, छुइओ ना पवलसि. आ फेरु नीचे के राहि ध लिहलसि.

जइसन कि अँजोरिया पर लिखले रहीं एह बड़हन अवरोध रेखा के पार कइल निफ्टी-50 ला एगो चुनौती बनि गइल बा. अगस्त 2022 से पहिले निफ्टी-50 तीन बेर एह अवरोध के पार करे के कोशिश कइलसि बाकिर हर बेर असफल रहल. उपर से हर बेर एकरा नीचे गिरे के दूरी बढ़त चलि गइल. एह अगस्त से अबले ई आठ बेर कोशिश क चुकल बा. कुछ दिन त ई ओकरा पारो रहि के देखवलसि बाकिर टिक ना पवलसि. वइसे अधिका उमेद कइल जा सकेला कि एह साप्ताहिक वायदा सीरिज में निफ्टी-50 अवरोध रेखा के पार करे आ ओकरा उपर टिके में सफल हो जाई.

बाकिर उमेद उमेदे होला आ ओकरा संभव होखे के संभावना मौसम के भविष्यवाणी कइला से बेसी के ना रहे. अगर अबकिओ बेर ई अवरोध अपार साबित भइल त अनेसा बा कि अबकी के गिरावट निफ्टी-50 के 15000 का नीचे ले जा सकेला.

अगर अवरोध रेखा निकहा से पार हो गइल त दिवाली का दिने निफ्टी-50 20000 ले जा सकेला. दोसरा तरफ अगर असफल रहल त 15000 से नीचे जाहूं के अनेसा बनल बा. एहिसे एह हफ्ता बहुते सम्हर के रहे के बा आ कवनो बड़हन सौदा नइखे करे के. अगर एह दंगल में मूड़ी फँसावे के शौक बा त स्टॉप लॉस बन्हले बिना कइल कवनो सौदा राउर डाँड़ तूड़ सकेला भा किस्मत के साँढ़ होखब त बड़हन लॉटरिओ लाग सकेला.

वइसे हम त इहे राय बना के रखले बानी कि बाजार कहीं जात नइखे. एहिजे रही. मौका फेरु मिली. कुछ दिन सौदा ना करब त ओतना नुकसान नो होखी जतना नुकसान के अनेसा बन सकेला.

सोमार का दिने जब ले निफ्टी-50 17475 से 17650 का बीच रही तबले हम अपना तरहथी पर बइठल रहब जेहसे कि हाथ कंप्यूटर के बटन ना दबा सको. 17650 का उपर निकलला पर एक बेर खरीदे के जरुर सोचब हम. आ अगर जे ई 17450 से नीचे निकलल त बिकवाली के विकल्प चुनब हम. रउरा का करब खुद फैसला करीं भा अपना सलाहकार का सलाह पर काम करीं. हमरा राय पर चले में आम त ना आई बाकिर लबेदा भुलाए के अनेसा हमेशा बनल रही.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up