खस्सी के माई कबले खरजिउतिया मनाई

by | May 18, 2021 | 0 comments

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आ सरकार चलावत उनुकर गोल तृणमूल का साथे रोजे कुछ ना कुछ अइसन हो जा रहल बा जवना से लागत बा कि अबकी बढ़िया सगुन में उनुकर सरकार नइखे बनल. पहिले त नंदी ग्राम से विधायकी का चुनाव हार गइली, ओह पर से उनुका के हरावे वाला सुवेन्दू अधिकारी के नेता प्रतिपक्ष के पद मिल जाई विधानसभा में. चुनाव बाद हिंसा के जवन दौर चल निकलल ओकरा के तोपल-ढाकल अब उनुका सेवक पत्रकारनो ला कठिन होत जो रहल बा. राज्यपाल से सरकार के पटरी नइखे बइठत आ राज्यपाल संविधान का हिसाब से सरकार चलावे के सलाह आए दिन दे रहल बाड़ें. ओह पर से सीबीआई उनुका दू गो मंत्रियन के गिरफ्तार कर लिहलसि आ ओह गिरफ्तारी का विरोध में उनुका नौटंकी के कवनो फायदा ना मिलल. दूनू मंत्री जमानत ना मिलला का चलते जेल में बाड़ें.

अब आजु सुप्रीम कोर्ट पश्चिम बंगाल सरकार से जबाब मंगले बा कि ऊ जबाब देव कि भाजपा के कार्यकर्तन के हत्या का मामिला के विशेष जाँच काहे ना करवावल जाय. जान जाईं कि मतगणना का दिने भारतीय जनता पार्टी के दू गो कार्यकर्तन के हत्या के विशेष जांच करवावे खातिर अदालत में गोहार लगवले बाड़ें परिवार के लोग.

न्यायमूर्ति विनीत सरन आ न्यायमूर्ति बी आर गवई के अवकाशकालीन खंडपीठ पश्चिम बंगाल सरकार के एह बारे में आपन जबाब दाखिल करे के नोटिस जारी कइले बावे. अगिला हफ्ता मंगल का दिने एकर सुनवाई सुप्रीम कोर्ट में होखी.

परिजन अपना गोहार में अदालत से अपना निगरानी में विशेष जांच दल से जांच करावे के निहोरा कइले बाड़ें. गोहार लगावे वालन का तरफ से वरिष्ठ अधिवक्ता महेश जेठमलानी पेश भइलें. उनुकर दलील सुनला का बाद खंडपीठ कहलसि कि ऊ एकर एकतरफा सुनवाई ना कर सकसु आ राज्य सरकार से नोटिस के जबाब मिल गइला का बाद आगे के सुनवाई होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up