बसपा के बहिन मायावती के नौटंकी

by | Jul 18, 2017 | 0 comments

राय्जसभा सांसद आ बसपा के बहिन मायावती आजु राज्यसभा से इस्तीफा दे दिहली. बाकिर पूरा धेयान रखली कि उनुकर इस्तीफा सकरा ना सके. पुरनिया सांसद होखला का चलते उनुका निकहा से मालूम बा कि सांसदी से इस्तीफा महज एक लाइल के होखेला आ इस्तीफा का साथे कवनो कारण ना दीहल जा सके. बाकिर बसपा के बहिन मायावती पूरा तीन पेज के ढढ्ढर लिख के राज्यसभा चेयरमैन के सँउपले बाड़ी. खबर में अइला के मकसद पूरा हो गइला का बाद बसपा सुप्रीमो मायावती के इस्तीफा नामंजूर होखहीं के बा एहसे इस्तीफा प कवनो बात कइला के जरुरत नइखे.

बसपा के बहिन मायावती के सदस्यता वइसहूं अप्रेल 2018 में पूरा होखे के बा आ ओकरा बाद बसपा के अिसन बेंवत नइखे कि ऊ मायावती के फेरु से राज्यसभा में पँहुचवा सके. एह कारण से देर सबेर, एह बहाने भो ओह बहाने मायावती के पूरा कोशिश रही कि नारी मुई घर संपति नासी, माथ मुड़ाय भए सन्यासी वाला अंदाज में नोह कटवा के दलित हित ला शहीद हा जाए के मौका मिल जाव.

वइसे हो सकेला कि सपा के मनुहार करा के भा ओकरा साथे गठबन्हन क के मायावती फेरु सांसद बन जासु. लोकसभा चुनाव लड़े के गलती ऊ करीहें ना, ई तय बा.

अपडेट –
मायावती के मकसद पूरा हो गइल बुझात बा. मायावती के सामने लालू प्रस्ताव रखलै बाड़न कि अगर ऊ चहीहें त लालू उनुका के बिहार से राज्यसभा भिजवा सकेलें. असल में लालूओ एहघरी परेशान बाड़न आ कवनो बरियार आड़ खोजे में लागल बाड़न. एह हालात में मायावती के साथ दे के ऊ बिहार के दलित वोट अपना पाला में खींचे के सपना देखत बाड़न. मायावती लालू के सहारा लेसु चाहे ना लालू आपन चाल चल दिहले बाड़ें आ उनुका एकर राजनीतिक फायदा मिल सकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up