ईमाम का हुड़की से हड़क गइल एनडीटीवी

by | Aug 9, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, सोमार, सावन अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी)

अपना के एगो दमदार चैनल बतावे वाला एनडीटीवी चैनल एगो शरजील उस्मानी का धमकी से अतना डेरा गइल कि आपन ट्वीट हटा लिहलसि. एनडीटीवी के ट्वीट में एगो मुसलमान के कोरोना टेस्ट करावत देखावल गइल रहुवे जवना का बाद अनेके शांतिदूत ओकरा के हीक भर गरियवले आ शरजील उस्मानी ट्वीट कर के पूछलसि कि ऊ कवन कर्मचारी रहुवे जवन एह फोटो के ट्वीट में शामिल कइलसि. शरजील एनडीटीवी के बाकी कर्मचारियन के कहलसि कि ओह कर्मचारी के नाम ऊ लोग शरजील के बता देसु. एह धमकी का बाद बिना कवनो आवाज कइले एनडीटीवी ओह ट्वीट के हटा दिहलसि आ ओह खबर में एगो हिन्दू के फोटा लगा दिहलसि.

गोण्डा जिला के नवाबगंज इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में दिल्ली से बिहार जात बस सड़क किनारे खड़ा ट्रक से टकरा गइल आ एह हादसा में दू गो सवारियन के मौत हो गइल आ करीब दर्जन भर सवारी घवाहिल हो गइलें.

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु देश के किसानन के मिले वाला किसान सम्मान निधि योजना के नउवां किश्त के रुपिया भेजिहें. एह योजना में अबवे देश के 18 लाख किसानन के 32 हजार 500 करोड़ रुपिया दीहल जा चुकल बा.

समाजवादी गोल के अध्यक्ष अखिलेश यादव कहले बाड़न कि उनुकर सरकार बनी त ऊ सभकर जाति गिनवइहें. असल में देश के विपक्ष जवना में नीतीशो जइसन लोग शामिल बाड़ें हिन्दुवन के एका तूड़े में लागल बाड़ें. सभका मालूम हो गइल बा कि अगर हिन्दुवन के एका ना टूटल त भाजपा के हरावल मुश्किल हो जाई.

सोनभद्र जिला के चोपन इलाका के एगो खदान में जात ट्रैक्टर बेकाबू होके तीस फीट गहीर खाई में जा गिरल. एह हादसा में ओकर खलासी के मौत हो गइल.

विद्युत संशोधन विधेयक का विरोध में बिजली कर्मचारी काल्हु दस अगस्त का दिने हड़ताल पर रहीहें. उमीद कइल जा सकेला कि एह लोग का हड़ताल से लोग के बिजली मिले में कवनो दिक्कत ना आई. हँ अगर कवनो इलाका में कुछ तोड़-फोड़ भइल त बात दोसर होखी.

कुशीनगर जिला में काल्हु एके साथ 20 लोग कोरोना छूताह मिलला का बाद जिला प्रशासन में हड़कंप मच गइल बा. एहमें से 14 जने रामकोला विकास खण्ड इलाका के निवासी हउवें, तीन गो हाटा प्रखण्ड के आ दू गो पडरौना के. एगो आदमी दोसरा जिला के हवे.

बलिया जिला के मनियर इलाका के बड़ा गाँव में एगो जर्जर दीवाल गिरला से ओकरा नीचे दबा गइल एगो लइकी के मौत हो गइल आ दू गो मेहरारु घवाहिल हो गइळ बाड़ी सँ.

मऊ जिला के दोहरी घाट इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में कार सवार चार गो बचवन आ एगो औरत के मौत हो गइल. दू जने घवाहिल बाड़ें. ई लोग झारखंड से दोहरीघाट के दुबारी मोड़ पर के एगो आदमी का घरे आवत रहलें जब बेकाबू कार बेलौली सोनबरसा के नियरा एगो गड़हा में पलट गइल.

राष्ट्रीय जनता दल के प्रदेश अध्यक्ष जगदानन्द सिंह बेइज्जति होखे के आदी हो गइल बाड़े आ ओकरा बावजूद लालू के सेवा कइल छोड़े के तइयार नइखन. अब फेरु उऩुका के लालुए के बड़का बेटा फेरु बेइज्जत कइले बा आ जगदा के हिटलर बतवले बा. बाकिर परेशानी के कवनो बाति नइखे काहें कि जगदा खातिर ई मामूली बात होखी.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के पूछरी गाँव के एगो बूढ़ औरत एगो मोटरसाइकिल से लागल धक्का मे घवाहिल हो गइली आ बाद में इलाज का दौरान उनुकर मौत हो गइल.

सारण जिला मुख्यालय के प्रभुनाथ नगर मोहल्ला में बनल बाल सुधार गृह से फरार चार गो लइकन के छपरा जंक्शन से बरामद कर लीहल गइल. ई चारो सुधार गृह से भागल रहलें.

सारण जिला के तरैया इलाका के भटौरा गाँव के एगो आदमी पनछुवा करत घरी गड़ही में गिर गइलें आ डूबला से उनुकर मौत हो गइल.

एगो जमाना से बार्सिलोना क्लब खातिर खेले वाला महान फुटबाल खिलाड़ी लिओनेल मैसी आखिरकार टीम छोड़े पर मडबूर हो गइलें जब टीम कह दिहलसि कि ओकर औकात का बाहर हो गइल बा मैसी के तनखाह दीहल,

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up