ओवैसी के बात कटलन राजभर

by | Jun 29, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, मंगल, आषाढ़ अन्हरिया पंचमी, 2078 विक्रमी)

यूपी से सौ सीट पर लड़े के ओवैसी के एलान के खंडन करत सुभासपा गोल के मुखिया ओमप्रकाश राजभर के कहना बा कि अबहीं ले भागीदारी मोर्चा में सीटन के बँटवारा पर कवनो फैसला नइखे भइल. एहसे ओवैसी के एलान महज उनुकर मनसा बतावत बा कि ऊ सौ सीट पर लड़ल चाहत बाड़न. कहलन कि पहिले त भागीदारी मोर्चा में शामिल गोल आपन कूवत आ तइयारी के आकलन करीहें आ ओकरा बादे सीट बँटवारा पर कवनो बाति होखी. भाजपा से लड़ल आसान नइखे आ ओकरा ला पूरा दमखम लगावे के पड़ी. ओमप्रकाश इहो कहलन कि मोरचा सगरी 403 सीटन पर लड़े वाला बावे.
बसपा नेत्री मायावतिओ कह चुकल बाड़ी कि ऊ ओवैसी से मिल के चुनाव लड़े के मनसा नइखी रखले.
जाने जोग बा कि पिछला विधानसभा चुनाव में ओवैसी के गोल 38 सीट से लड़ल रहे बाकिर कतहीं ओकरा जीच ना मिल सकल. ओकरा राज्य के महज 0.2 फीसदी मत मिलल जबकि आठे गो सीट पर लड़ला का बावजूद सुभासपा के 0.7 फीसदी मत मिलल रहे. अलग बाति इहो बा कि तब सुभासपा के गठजोड़ भाजपा से रहुवे आ ओकरा मिलल मतन में भाजपो के मत शामिल रहुवे.

13 अप्रैल का बाद पहिला बेर कोरोना से रोज होखे वाला मौतन के संख्या हजार से नीचे आइल. काल्हु कोरोना के 46148 गो नया रोगी मिललें त 58578 मरीज ठीको भइलें. अब देश में कोरोना छूताह मरीजन के गिनिती घटत 5 लाख 72 हजार 994 रहि गइल बा. अबहीं ले देश में कोरोना से 3 लाख 96 हजार 730 मौत हो चुकल बा.

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी काल्हु राज्यपाल जगदीप धनकड़ पर आरोप लगवली कि उनुकर नाम बरीस 1996 के जैन हवाला मामिला में आरोपित रहुवे. एह पर धनकड़ के करेड़ जबाब आइल बा कि ऊ झूठ बोलत बाड़ी. कहलन कि ममता ओह चार्जशीट के ब्योरा पेश करसु जवना में उनुकर नाम शामिल रहुवे.

काल्हु सोमार का दिने देश के शेयर बाजार सत्र का शुरुआत में ऐतिहासिक ऊँचाई ले चहुँपले बाकिर ओह ऊँचाई पर टिक ना पवलें. नया सहायता पैकेज के वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के एलानो का बाद बाजार पर कवनो असर ना लउकल आ बाजार मामूली गिरावट का साथे बंद भइली सँ, सेंसेक्स 52,736 पर आ निफ्टी 15,815 पर बंद भइल.

बीसीसीआई सचिव जय शाह सोमार का दिने कह दिहलन कि बीसबीसा वर्ल्ड कप के आयोजन हिन्दुस्तान में ना करा के दुबई में करावल जाई. बीसबीसा वर्ल्ड कप के आयोजन के जिम्मेदारी अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट बोर्ड बीसीसीआई के दिहले बावे आ दुबई में होखला का बावजूद बीसीसीआई आयोजक का हैसियत में बनल रही. जय शाह कहलन कि महीनन का माथापच्ची का बाद इहे तय भइल कि खिलाड़ियन आ अधिकारियन के कोरोना से बचाव खातीर आयोजन हिन्दुस्तान में ना करवा के दुबई में करावल जाय.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up